टटका खबर, बियफे १ अप्रैल

by | Apr 1, 2010 | 0 comments

बात करब बाकिर मानब ना

केन्द्र सरकार महिला आरक्षण आ नाभिकीय सुरक्षा का मुद्दा पर सगरी पार्टियन के बईठक पाँच अप्रैल के बोलवले बिया बाकिर प्रधानमंत्री साफ कह दिहले बाड़न कि कवनो फेर बदल ओह विधेयकन में ना कइल जाई. जब सरकार अतना पहिलही तय कर लिहले बिया त बतियवला के औपचारिकता के जरुरत का बा? एही पर कहल जाला बतिया पंचे के रही बाकिर खूँटवा रहिये पर रही.

आजु से लागू हो रहल बा कई गो एतिहासिक फैसला

शिक्षा के मौलिक अधिकार माने वाला कानून आजु से लागू ह गइल बा. अब छह साल से लेके चौदह साल के हर बच्चा के अनिवार्य आ मुफ्त शिक्षा पावे के अधिकार मिल गइल बा. एह कानून के लागू होखला का बाद देश के एक करोड़ बच्चा अब स्कूल के मुँह देख पइहें. निजी स्कूलो में पचीस फीसदी सीट गरीब बचवन खातिर आरक्षित होखी जवना के खरचा राज्य सरकार आ केन्द्र सरकार मिल के दीहें.

जनगणना अभियान शुरु

हर दस साल बाद होखे वाला जनगणना अभियान आजु से शुरु हो रहल बा जवन कि पूरा एक साल तक चली. बात चलल रहुवे बाकिर पिछड़ी जातियन के गिनती अबकियो बेर ना होखी. एह जनगणना में भोजपुरी भाषी हर नागरिक आपन मातृभाषा भोजपुरी लिखवावल पक्का करे. तबे कहीं भोजपुरी के मान्यता के बात परवान चढ़ पाई. एह साल नागरिकता पहचान पत्र के कामो शुरु हो रहल बा जवना में पन्द्रह साल के उपर के हर नागरिक के पहचान पत्र दे दिहल जाई. ओह पहचानपत्र पर दसो अंगुली के निशान आ पुतली के फोटो शामिल रही. नक्सलियन से कहल गइल बा कि जनगणना अभियान में लोग बिना डर के शामिल होखो. ओह लोग के गिरफ्तार ना कइल जाई.

विजय कुमार सिंह नयका सेना प्रमुख बनलन

General Vijay Kumar Singh

भारतीय थल सेना के प्रमुख का पद पर आजु से विजय कुमार सिंह पदभार ग्रहण कर लिहलें. अपना परिवार से सेना में तीसरका पीढ़ी के अधिकारी पहिलका ट्रेन्ड कमान्डो हउवन जे एह पद पर चहुँपल बा. ५९ साल के जनरल वीकेसिंह सेना के २६वां बाकिर २४वां हिन्दुस्तानी सेना प्रमुख बनल बाड़े. पहिलका दू गो प्रमुख आजादी से पहिले अंगरेज रहलें. जनरल विजय सिंह बांगलादेश युद्ध आ श्रीलंका में भारतीय शान्ति सेना में शामिल रहलें.

आमदनी से बेसी के संपत्ति राखे का मामिला में लालू राबड़ी के राहत

पिछला संप्रग शासन काल का दौरान जब लालू रेल मंत्री रहलें त सीबीआई अदालत में उनका खिलाफ आय से बेसी के मुकदमा खारिज कर दिहल गइल रहे. एह फैसला का खिलाफ बिहार सरकार कोर्ट में गइल रहे. सुप्रीम कोर्ट अब फैसला दिहले बा कि बिहार सरकार एह मामिला में अपील दायर करे के अधिकारे नइखे राखत. सिर्फ केन्द्र सरकार बा सीबीआई अपील कर सकेले. जय हो! सईंया भये कोतवाल त डर कइसा

बिहार में मुस्लिम विश्विद्यालय का खिलाफ दिन भर के बन्द

बिहार का सीमांचल में, जहाँ बांगलादेशी घुसपैठियन के बहुतायत बा, किशनगंज में बिहार सरकार अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के शाखा खोले के अनुमति दे दिहले बिया जवना का खिलाफ अखील भारतीय विद्यार्थी परिषद आज दिन भर के बन्द के घोषणा कइले बा. विश्व हिन्दू परिषद आ बजरंग दल एह बन्द के समर्थन के घोषणा कइले बा बाकिर सरकार में शामिल भाजपा मुँह बन्द कइले बिया. जबकि उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी विद्यार्थिये परिषद से नेतागिरी लाइन में आइल रहलें.

रामदेव बाबा बउरा गइल बाड़न

कबो बाबा रामदेव के प्रशंसा करे वाला लालू प्रसाद अब बाबा रामदेव का खिलाफ हो गइल बाड़न. उनकर विरोध खास कर एह बात से बा कि बाबा राजनीति में आवल चाहत बाड़े. लालू प्रसाद उनका के चेतवले बाड़न कि अइसन गलती मत करस बाबा. कहलन कि एक बेर उनका के बचा लिहले बानी पिटाई से. कहलन कि हर राजनेता के आलोचना कइल बन्द करस बाबा रामदेव.

सरकार मुसलमानन के आरक्षण आ सुरक्षा दे के रही

गृहमंत्री पी चिदम्बरम कहले बाड़न कि मुसलमानन के हर हाल में आरक्षण दिहल जाई आ सांप्रदायिक दंगा का मामिला में पूरा सुरक्षा जेहसे ओह लोगन के प्रताड़ित ना कइल जा सके. ओने हैदराबाद में महावीर जयन्ती पर निकलल शौबा जुलूस पर पथराव का बाद बिगड़ल हालात काबू में आ गइल बा. शहर का पचीस गो थाना में बेमियादी कर्फ्यू जारी बा जवना में आज डेढ़ घंटा के छूट दिहल जाई जेहसे लोग जरुरी सामान खरीद सको.

पाकिस्तानी से शादी करे खातिर सानिया मिर्जा के आलोचना

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार मनोज तिवारी सानिया मिर्जा के एह बात खातिर आलोचना कइले बाड़े कि देश के एक से एक सुन्दर आ काबिल मुसलमान के छोड़ के एगो पाकिस्तानी से शादी करे के सानिया के फैसला गलत बा. कहलें कि एहसे सानिया के प्रशंसकन के धक्का लागल बा. मनोज तिवारी अपनहू के सानिया के प्रशंसक बतवले बाड़े. मनोज तिवारी याद दिअवले बाड़न कि एक बेर रीना रायो एगो पाकिस्तानी क्रिकेतर मोहसिन खान से प्रेम के दुखद अन्त भोग चुकल बाड़ी.

फीफा रैंकिग में भारत के पोजीशन जस के तस

फीफा रैंकिग में १३२ वाँ स्थान पर रहल भारत काल्हु जारी नयको रैंकिग में ओहि जगहा पर बनल बा. स्पेन पहिला नम्बर पर, ब्राजील दुसरका पर, आ हालैंड तीसरका जगहा पर बा. जापान एशिया के टीमन में पहिलका नम्बर पर आ गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up