टटका खबर, बियफे, १ जुलाई

by | Jul 1, 2010 | 0 comments

दोसरा के मारे सोचले आपन जान गँववले

बाराबंकी के एसडीएम अपना ड्राइवर सरबजीत का साथे मिल के तीन गो भाड़ा के हत्यारा बोलवले अपना पड़ोसियन से निबटे खातिर. एसडीएम के सन्देह रहे कि पड़ोसी उनका बेटी के बहकावे में लागल बाड़े. हत्यारा आ के उनका घरे ठहरले सँ. एही बीच सरबजीत का नीयत में खोट आ गइल आ ऊ हत्यारन के एह बात खातिर राजी करा लिहलस कि एसडीएम के बीबी आ बच्चा के मार डालल जाव आ संपत्ति हथिया लिहल जाव. गार्ड के पता चलल त ऊ मेम साहब के सचेत कर दिहलसि. मेम साहब बड़का घाघ निकलली आ ऊ ओहि हत्यारन से सरबजीत के हत्या करवा दिहली. अब पुलिस मेमसाहब आ गार्ड के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ ओह हत्यारन के तलाश हो रहल बा.

छोटा राजन गिरोह के तीन गो बदमाश यूपी से पकड़इले

महाराष्ट्र पुलिस यूपी पुलिस का सहयोग से जौनपुर, आजमगढ़, आ सुल्तानपुर में एक साथ छापा मार के छोटा राजन गिरोह के तीन गो गुर्गन के पकड़ लिहलस. ई रविप्रकाश उर्फ ट्विंकल जौनपुर से, शकीब आजमगढ़ से, आ पंकज सिंह के सुल्तानपुर से पकड़ल गइल. तीनो के ले के महाराष्ट्र पुलिस अपना साथे ले ले गइल.

राजद के गुण्डागर्दी कम नइखे भइल

लालू राबड़ी राज में बिहार में गुण्डागर्दी के राज चलत रहुवे आ राजद के कार्यकर्ता अबही ले ओही के आदी बाड़े. ओह लोग से संयमित व्यवहार के उमेदे ना राखल जा सके. काल्हु राजद के लोकल नेता औरंगाबाद में गोह के बीडीओ के डंडा से पिटाई कइले. बीडीओ के पिटात देख बहादुर पुलिस वाले भाग परइले आ बीडीओ साहब के भरपूर पिटाई हो गइल. अब ओहिजा कैंप कइले एसडीपीओ अजहर खान कहत बाड़न कि पिटअई करेवालन के गिरफ्तार कइल जाई. सोची सभे अगर राजद फेर से सत्ता पा लिहलस त ओकर गुण्डा का करीहे सँ. पाँच साल के भुखाईल अपहरणकर्ता फेर अपना धंधा में जम के लाग जइहें आ छोड़ावे खातिर लोग मुख्यमंत्री आवास पर पंचईती करावल करी.

सीआरपीएफ के जवानन के ब्रायलर मुर्गा समुझेले नक्सली

जइसे एके गाड़ी में राख के सैकड़न मुर्गा ले जाइल जाला ओही तरह एके गाड़ी में सवार बड़हन संख्या में सीआरपीएफ के जवान नक्सलियन खातिर आसान शिकार बन जाले. नक्सली अपना पसन्द का जगहा पर घेर के ओह जवानन के गर्दन काट देले. अबकियो का हमला में मराइल जवानन के पोस्टमार्टम में देखल गइल कि ओह लोग के गरदन काट दिहल गइल रहे आ एक एक जवान के कम से कम चार गो गोली मारल रहे. नक्सलियन के रणनीति बा कि सुरक्षा बल के जवानन के झुण्ड में पकड़ल जाव आ झुण्डे में मारल जाव एहसे ओह लोग में नक्सलियन के खौफ पैदा हो जाई आ ऊ मुकाबिला का पहिलही हथियार डाल दीहें.

अमेठी के नाम बदल दिहली मायावती

अमेठी जिला के नाम बदल के छत्रपति साहूजी महाराज नगर कर दिहल गइल बा. एहिजा से राहुल गाँधी सांसद हउवें. सुल्तानपुर जिला से काट के साल २००२ में ई जिला बनावल गइल रहुवे बाकिर अगिला साल एकर नाम बदल के अमेठी कर दिहल गइल रहे. काल्हुवे का कैबिनेट में कानपुर देहात के नाम बदल के रमाबाई नगर जिला कर दिहल गइल बा. इहो फैसला लिहल गइल कि विधानसभा के मानसून सत्र ६ अगस्त से शुरु होखी.

शरद पवार आजु से आईसीसी के अध्यक्ष बनले

आईसीसी के सीईओ पद पर आजु से बइठे वाला शरद पवार का बारे में पूर्व सीईओ मैलकम स्पीड कहले बाड़े कि शरद पवार के क्रिकेट प्रशासन के बहुते कम जानकारी बा. कहले बाड़न कि शरद पवार कवनो बईठका में एक घंटा से बेसी ना बईठस आ बाद में उनकर जगह केहू दोसर भारतीय प्रतिनिधि ले लेला. स्पीड साहब का कइल जाव? शरद पवार के त कृषिओ मंत्रालय के प्रशासन चलावे ना आवे तबो उनके के जिम्मेदारी दिहल बा देश के सवा अरब लोग के पेट पर लात मारे खातिर. आशा कइल जा सकेला कि शरद का शासन काल में क्रिकेट अउरी महँग खेल बन जाई.

जगन्नाथ मिश्रा के वर्किंग चेयरमैन बनावल गइल

पटना के एल एन मिश्रा इंस्टीच्यूट आफ इकानामिक डेवलपमेंट एण्ड सोशल चेंज के कार्यकारी अध्यक्ष बनावल गइल बा. एह पद पर रहत घरी उनका के कैबिनेट मिनिस्टर के सगरी सुविधा दिहल जाई. एह नियुक्ति के पूर्व मुख्यमंत्री जगन्नाथ मिश्रा से नीतीश के बढ़त नजदीकि के संकेत मानल जात बा.

जार्ज फर्नाण्डिज के पांच जुलाई के अदालत में पेश करे के आदेश

वयोवृद्ध समाजवादी नेता आ बहुते बीमार जार्ज फर्नाण्डिज के उनकर बीबी लैला कबीर अपना देखरेख में रखले बाड़ी आ उनका से उनुका भाइयनो के नइखी मिले देत. इहाँ तक कि जार्ज के बहुत दिन तक साथे रहे वाली जया जेटली के काल्हु उनका घर में ना घुसे दिहल गइल जहाँ से ऊ आपन सामान ले आवे गइल रही. जार्ज के भाई लोग अदालत में केस कइले बा कि लैला जार्ज के सही देखभाल नइखी करत. अब अदालत आदेश दिहले बा कि जार्ज के पॉच जुलाई का दिने अदालत में हाजिर कइल जाव.

इयरवा से लागल रही इयरिया पियवा से चोरिया चोरिया ना

रिजर्व बैंक के निर्देश के हवा निकालत स्टेट बैंक साफ कर दिहलस कि ऊ अपना बड़हन ग्राहकन के पुरनके आधार पर कर्जा देत रही. बहाना ई बनावल गइल बा कि ओह लोग से पहिले से करार बा आ जबले ऊ करार रही तबले ऊ लोग एकर फायदा उठा सकेला. कहे के मतलब कि ओह लोग खातिर बैंक के खजाना पहिलही का तरह कम ब्याज दर पर खुलल रही जबकी आम आदमी अपना छोटको कर्जा खातिर परेशान होत रही. स्टेट बैंक के देखादेखी अब दोसरो बैंक अइसने सर्कुलर जारी कर सकेले.

खेल का दुनिया से

भारत के रोहन बोपन्ना आ पाकिस्तान के एशाम अल हक कुरैशी विम्बलडन के युगल क्वार्टर फाइनल में हार के बाहर हो गइल बा. रसिक मिजाज गोल्फर टाइगर वुड्स अपना पत्नी एलिन नार्दीग्रेन के तलाक का एवज में ३५ अरब रुपिया देबे के तइयार हो गइल बाड़े. अब तक के ई सबले महँग तलाक होखी. बाकिर शर्त बा कि एलिन एकरा बाद भर जिनिगी टाइगर का नाजायज संबंधन का बारे में कुछ ना बोलीहें. फीफा वर्ल्ड कप के क्वार्टरफाइनल काल्हु से शुरु होखे जा रहल बा. पहिला मैच में ब्राजील के मुकाबिला नीदरलैण्ड से आ दुसरका में उरुग्वे के मुकाबिला घाना से होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up