टटका खबर, बियफे, २२ जुलाई

by | Jul 22, 2010 | 0 comments

बिहार में इलेक्शन आवत देख नौटंकी जारी बा

परसों विधान परिषद आ विधान सभा में भइल हंगामा का बाद निकालल गइल लोजपा विधायक आपन आपन इस्तीफा अपना अध्यक्ष का लगे भेज दिहले बाड़े. जबकि भेजे चाहत रहुवे स्पीकर आ परिषद चेयरमैन का लगे. अबही खबरो बनि जाई आ विधायकियो बरकरार रही. इस्तीफा के कारण बतवले बा लोग कि ओह लोग के निष्कासित कर के बेइज्जत कइल गइल बा. ओने जदयू प्रवक्ता शिवानन्द तिवारी विधानसभा में भइल बलाव के सूत्रधार लालू प्रसाद के बतलववले बाड़न. कहलन सगरी कुछ लालू का इशारा पर भइल.

नेपाल के प्रधानमंत्री चुनाव में केहू ना जीतल

नेपाल के प्रधानमंत्री खातिर करावल चुनाव में माओवादी प्रचण्ड आ नेपाली कांग्रेस के पोड्याल दुनु जने हार गइलन काहे कि ओह लोग के साधारण बहुमत ना मिल पावल. अब नेपाली कम्युनिष्ट पार्टी अपना उम्मीदवार के मैदान से हटा लिहले बिया जेकरा चलते केहू ना जीत पावल आ काल्हु शुक का दिने दोबारा मतदान करावल जाई.

भारत से जिम्मेदार व्यवहार के आशा राखत बा अमेरिका

भारत के अधिकारी डेविड हेडली से पुछताछ में मिलल जानकारी के सार्वजनिक कर दिहले बाड़न जवना से अमेरिकी अधिकारियन के निराशा भइल बा काहे कि एहसे आगे जाँच आ पुछताछ में बाधा होखी. कहल गइल बा कि भारत के जिम्मेदार व्यवहार करे के चाहीं. ओने अमेरिका पाकिस्तान से कहले बा कि मुंबई हमला के दोषियन के अदालत का कटघरा में ले आवल जरुरी बा. एह मामिला में अबतक पाकिस्तान के कार्रवाई संतोष करे लायक नइखे.

पहिले सूखा का डर से जान सूखल रहे अब बाढ़ के डर जान सूखवले बा

यूपी में गंगा, घाघरा, शारदा, आ राप्ती नदियन में बरखा का पानी से जलस्तर अतना तेजी से बढ़ल बा कि कई जगहा बाढ़ के अनेसा हो गइल बा. प्रभावित इलाका के लोग के सुरक्षित जगहा पहुँचावे के काम हो रहल बा बाकिर एह में पूरा अव्यवस्था झलकत बा. प्रशासन कवनो तइयारी कइले रहुवे से नइखे लागत.

राष्ट्रमण्डल खेल का दौरान बीफ ना परोसल जाई

फइलत अफवाह आ जनविरोध के देखत राष्ट्रमण्डलीय खेल के आयोजन समिति साफ साफ एलान कइले बिया कि एह दौरान खाना का मेनू में बीफ के प्रावधान नइखे आ ई बाति सभका के बतला दिहल गइल बा. कुछ दिन पहिले भाजपा कहले रहुवे कि देखल जाव कि एह खेल का दौरान गोमांस ना परोसल जाव. दिल्ली मेट्रोपोलिटनो एह बदे चेतवले रहुवे. अब कलमाडी एकरा के साफ कर दिहले बाड़न.

हड़ताली शिक्षकन पर पानी के बौछार फेंक के भगावल गइल

पटना का हड़ताली चौराहा पर राज्य के संबद्ध कॉलेजन के आन्दोलनकारी शिक्षकन के एगो समूह जब ढेलाबाजी आ पथराव पर उतर आइल त मजबूरन पुलिस के ताकत देखावे के पड़ल आ पानी के बौछार मार के ओह लोग के भगा दिहल गइल. बाकिर पथराव में कुछ पुलिस समेत एक दर्जन लोग चुटहिल हो गइल.

के॰सेन्थिल कुमार समेत १४ जने पर मुकदमा

अपना निजी फायदा खातिर पटना म्यूनिसिपल कार्पोरेशन के कमिश्नर रहला का दौरान के॰सेन्थिल कुमार कुछ बिल्डरन के नाजायज फायदा चहुँपवलन आ निगम के साढ़े सात करोड़ के नुकसान करवा दिहलन. अब विजिलेन्स जाँच का बाद उनका समेत १४ जने पर मुकदमा दायर करावल गइल बा. सेन्थिल कुमार आजुकाल्हु जनगणना विभाग के निदेशक बाड़न.

फोटो वाला मतदाता पहचान पत्र ना लेबे वाला छह लाख लोग के नोटिस दिआई

बनारस के जिला निर्वाचन कार्यालय अइसनका छह लाख लोग के नोटिस देबे वाला बा जिनकर नाम वोटर लिस्ट में बा बाकिर ऊ फोटो पहचान पत्र लेबे खातिर जरुरी काम नइखन करत. निर्वाचन विभाग के कर्मचारी घरे घरे घूम के ओह लोग के नोटीस दीहें. जे आपन फोटो दे दी आ जरुरी फार्म भर दी ओकरा के नोटिस ना दिहल जाई.

सेंसेक्स अठारह हजार के पार गइल

तीस महीना बाद सेंसेक्स आजु फेर अठारह हजार के अंक पार कर गइल. ओने केन्द्र सरकार पावर ग्रिड कार्पोरेशन के आपन पब्लिक इशू ले आवे के अनुमति दे दिहलस जवना में ८४ करोड़ १७ लाख शेयर बेचल जाई आ एहसे मिले वाला धन के विकास योजना में लगावल जाई. दोसरा खबर में कहल गइल बा कि अगिला अप्रेल से देश में जीएसटी लागू हो जाई आ एकरा के केन्द्र आ राज्य का बीच बराबर बराबर बाँटल जाई. एह प्रावधान में सेवा कर मौजूदा बारह फीसदी से बढ़ के सोलह फीसदी हो जाई. बाकी सामानन पर बीस फीसदी तक जीएसटी लगावल जाई. सरकार के कहनाम बा कि एह बढ़ल टैक्स से दाम कम हो जाई!

खेल का दुनिया से

श्रीलंका के मुथैया मुरलीधरन आठ सौ विकेट लेबे वाला पहिला खिलाड़ी बन गइलें. ई उनकर आखिरी मैच रहुवे आ अब ऊ रिटायर हो जइहें. श्रीलंका का साथे भइल एह टेस्ट मैच में भारत पारी का हार से त बाँच गइल बाकिर मैच हारे से ना बाँच पवलसि.

हाकी इण्डिया के महिला टीम के कोच एम के कौशिक पर लागल यौन शोषण के जाँच करावल जाई. कौशिक जाँच पूरा होखे तक कोच के काम ना करीहें आ दक्खिन कोरिया में होखे वाला टुर्नामेंट का दौरान कोच के काम सहायक कोच का जिम्मे रही.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up