टटका खबर, बियफे, २४ जून

by | Jun 24, 2010 | 0 comments

भाजपा जदयू का लड़ाई में कांग्रेस फायदा उठा ली

बिहार में गठबन्हन सरकार चलावत जदयू आ भाजपा दुनु के बुझा गइल बा कि ओह लोग का झगड़ा में केन्द्र सरकार राज्य में राष्ट्रपति शासन लगावे में सफल हो जाई आ चुनाव का पहिले अइसन भइला से दुनु के नुकसान बा. झारखण्ड के उदाहरण सामने बा जब झामुमो भाजपा का खींचतान में केहू के फायदा ना मिलल. एहसे बिहार में दुनु पार्टी कोशिश में बा कि बात अउरी मत बिगड़े.

मंत्री सुधा श्रीवास्तव के निधन

जेपी के भगिनी आ बिहार सरकार के मंत्री सुधा श्रीवास्तव के काल्हु पीएमसीएच में पचहत्तर साल का उमिर में निधन हो गइल जहाँ उनका के बेचैनी का शिकायत का बाद भरती करावल गइल रहे. ऊ डायबीटिज आ ब्लडप्रेशर के पुरान मरीज रहली आ काल्हु दुपहरिया में भागलपुर से पटना आवे का रास्ता में उनका बेचैनी बुझाइल त उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल. ७४ का आन्दोलन में सक्रिय रहल सुधा के कन्यादान उनकर मामा जयप्रकाश नारायण कइले रहन. सुधा के पति के दू साल पहिले निधन हो चुकल रहे. उनका परिवार में दू गो बेटा आ तीन गो बेटी बा.

शरद यादव आपन टीम बनवले

अध्यक्ष बनला का दस महीना बाद शरद यादव आपन टीम राष्ट्रीय कार्यकारिणी घोषित कर पवले. एहमें नीतीश के पसन्दीदा लोगन के बहुतायत बा आ राजद से आइल श्याम रजक, लोजपा से आइल गुलाम रसूल बलियावी के महासचिव बनावल गइल बा. कुछेके सदस्य शरद यादव के पसन्द बतावल जात बाड़े.

कनिष्क दुर्घटना का पचीस साल बाद कनाडा सरकार माफी मँगलस

कनिष्क दुर्घटना का पचीसवा सालगिरह पर कनाडा के प्रधानमंत्री स्टीफेन हार्पर बिना अगर मगर कइले माफी मँगले बाड़न. कनाडियन पुलिस आ कनाडा के खुफिया एजेन्सी का गफलत से आतंकी कनिष्क में चढ़े में सफल रहले सँ. एह दुर्घटना में ३२९ सवारियन के मौत हो गइल रहुवे.

आदमी के वहशीपन खाप का फैसलन में झलकेला

खाप पंचायत जवना तरह से आपन फैसला देत बाड़ी सँ आ जवना तरह से ओकरा चलते आदमी के वहशीपन सामने आ रहल बा ओकर जतना निन्दा कइल जाव ओतने कम बा. भाई अपना बहिन के पिटाई कर के गला रेत के ओकर जान ले लेव आ घर वाले ओकरे के सही बतावस, ई इहे बतावत बा कि ऊ सब जंगली आ हवशी लोग हउवे जवना के सभ्य समाज में कवनो जगहा ना मिले के चाहीं. जवन राजनेता एह कुकर्म के समर्थन करत बाड़े उहो कुकर्मी हउवें सँ.

शर्लिन चोपड़ा के ट्विटर पर से हटावल गइल

सामाजिक साइट ट्विटर पर आपन लंगटा तस्वीर डाले वाली बालीवुड हीरोइन के ओहिजा से हटा दिहल गइल बा. ऊ एकरा के आपन विचार स्वतंत्रता कहत बाड़ी. हाल में बालीवुड में आपन लंगटा देह देखावे वाली अभिनेत्रियन के संख्या बढ़ल जात बा. हालांकि अपना अभिनेत्रियन के नंगा देह देखावे में राजकपूरो आगा रहत रहले.

भारत पाकिस्तान के विदेश सचिवन के बईठका आजु

इस्लामाबाद में आजु भारत आ पाकिस्तान के विदेश सचिवन के बईठका होखे जा रहल बा जवना में आपसी विश्वास बढ़ावे के तौर तरीका खोजल जाई. २६ नवम्बर के मुंबई में भइल आतंकी हमला का बाद भारत के पाकिस्तान पर भरोसा नइखे रह गइल आ ऊ चाहत बा कि पाकिस्तान अपना व्यवहार में कवनो ठोस बदलाव कर के देखावे.

कर्नाटक के लोकायुक्त इस्तीफा दिहले

कर्नाटक के लोकायुक्त जस्टिस संतोष हेगडे आपन उपेक्षा से आहत हो के त्यागपत्र दे दिहले बाड़न. कहले बाड़न कि ई फैसला भावावेश में नइखन कइले बलुक बहुत सोच विचार के लिहले बाड़न.

आस्ट्रेलिया के महिला प्रधानमंत्री

पहिला बेर कवनो महिला आस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री बनल बाड़ी. ओहिजा के सत्तारुढ़ पार्टी अपना नेता केविन रुड के हटा के उनकर डेपुटी रहल जुलिया गिलार्ड के आपन नेता मान लिहलस आ अब ऊ आस्ट्रेलिया के पहिला महिला प्रधानमंत्री बन गइल बाड़ी बाकिर सिर मुड़ावते ओला पड़ल वाला हालत में उनका चार महीना बाद होखे वाला आम चुनाव में अपना पार्टी के जितावे के जिम्मेदारियो मिल गइल बा.

फीफा वर्ल्ड कप

फीफा वर्ल्ड कप में जर्मनी, घाना, इंगलैण्ड, आ अमेरिका के टीम दूसरका दौर में चहुँप गइल बाड़ी सँ. काल्हु का मैच में अमेरिका अल्जीरिया के एक गोल से, इंगलैण्ड स्लोवानिया के एके गोल से, आ जर्मनीओ घाना के एके गोल से हरा दिहलस. आजु स्लोवाकिया के इटली से, पारागुवे के न्यूजीलैण्ड से, डेनमार्क के जापान से आ कैमरुन के नीदरलैण्ड से मैच होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up