टटका खबर, बियफे, २९ अप्रैल

by | Apr 29, 2010 | 0 comments

नुक्ता का हेर फेर से खुदा जुदा हो गइलें

विपक्ष के कटौती प्रस्ताव पर संप्रग का पक्ष में मतदान करे वाला झारखण्डी गुरुजी के कहनाम बा कि उनका से गलती हो गइल. ऊ वोट त कटौती का पक्ष में दिहल चाहत रहलन दिया गइल सरकार का पक्ष में. कहत बाड़े कि एह गलती खातिर ऊ प्रायश्चित करे के तइयार बाड़े. ओने उनका मतदान से नाराज भाजपा झारखण्ड में उनका के दिहल समर्थन वापिस ले लिहले बा. ओकरा हिसाब से ई राजनीतिक अनैतिक आचरण रहे आ एकरा के माफ नइखे कइल जा सकत. विधानसभा में संख्या बल एह तरह से छितराइल बा कि बहुमत बिटोरल आसान नइखे.

केहू के औकात नइखे कि किसान के जमीन छीन लेव

सरकार के बार बार सफाई का बावजूद विपक्ष बटाईदारी कानून ले के अफवाह के बाजार गरम रखले बा. काल्हु बाबू वीर कुंवर सिंह का सम्मान में आयोजित एगो कार्यक्रम में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी कहलें कि केहू के औकात नइखे कि किसान के जमीन छीन लेव. कहलें कि सरकार ना त अइसन कवनो कानून बनवले बिया ना बनावे के सोचत बिया. एही मौका पर नीतीश कहलें कि बाबू कुंवर सिंह के सुखद स्मृति आ सहारा ले के आजु से ऊ विश्वास यात्रा पर निकलत बाड़े. नीतीश इहो घोषणा कर दिहलें कि आरा छपरा का बीच बने वाला पुल के नाम बाबू कुँवर सिंह महासेतु राखल जाई.

विशारद के डिग्री मास्टर बने के काम ना आई

पटना हाई कोर्ट फैसला दिहले बा कि साहित्य सम्मेलन इलाहाबाद से मिलल विशारद के उपाधि पंचायत शिक्षक बनावे लायक नइखे. कोर्ट बस अतने राहत दिहलस कि जे बहाल हो के काम कर चुकल बा ओकर तनखाह दिहल जाई आ दिहल तनखाह वापिस ना लिहल जाई.

बुद्धदेव नाराज बाड़े करात से

माकपा के बंगाल लाइन केरल लाइन से अलगा चलेले. जब मौका मिले त एक दोसरा के हैसियत देखावे के मौका ना छोड़ल जाला. एही फेर मेंज्योति बाबू के प्रधानमंत्री ना बने दिहल गइल रहे. अब संसद में कटौती प्रस्ताव पर माकपा के किरकिरी से बुद्धदेव बाबू नाराज बाड़े. कहल जात बा कि प्रकाश करात का लगे राजनीतिक रणनीति बनावे के कौशल नइखे. बुद्धदेव के बेसी नाराजगी एह बात पर बा कि माकपा कई मसला पर भाजपा का साथे खड़ा नजर आइल बा जवना से उनकर मुसलमान वोट बिदकल जा रहल बा.

ट्रैक्टर ट्राली बिजली के तार से सटला से नौ गो बाराती मरलें

मिर्जापुर आइल बारात के लवटत घरी एगो ट्रैक्टर ट्राली सड़क का किनारे लटकल हाइटेंशन तार से सट गइल जवना से ओकरा में आग लाग गइल. कुछ सवारी दूर फेंका गइलें बाकिर नौ गो बाराती ओह आग में झुलस के मर गइलें. पाँच जने के हालत गंभीर बा. बारात सोनभद्र जिला के लोहरा गाँव से मिर्जापुर के गोरखपुर गाँव में आइल रहे. दुर्घटना का बाद संबंधित इंजीनियर के निलम्बित कर दिहल गइल बा आ मृतक के परिवार के एक लाख रुपया सहायता देबे के घोषणा पावर कार्पोरेशन कइले बा.

केन्द्रीय गृहमंत्रालय के दू गो अफसर घूस लेत पकड़इलें

गृहमंत्रालय में संयुक्त सचिव ओ॰रवि के दमन दीव के एगो अधिकारी के तबादला करे खातिर पचास लाख रुपिया घूस लेबे का मामिला में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. घूस एगो कंपनी वाला दिहले रहे जवना के टैक्स चोरी के मामिला का खिलाफ ऊ आफिसर कड़ा रुख लिहले रहुवे. गृहे मंत्रालय के एगो अउरी अधिकारी के सामान खरीदे के टेंडर पास करे खातिर दस लाख रुपिया घूस लेबे का मामिला में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. खैर घूस लेत पकड़ाइल बाड़े सँ त घूश दे के छूतियो जइहें सँ. सीबीआई के इमेज अइसन बा कि ओकरा से कवनो उम्मीद राखल फिजूल बा.

बीबीसी का उर्दू सेवा पर रोक लागल

पाकिस्तान सरकार ओहिजा के एफ एम चैनलन से प्रसारित होखेवाला बीबीसी प्रसारण सेवा के पाँच मिनट के बुलेटीन पर रोक लगा दिहले बिया. एहसे पहिले मुशर्रफ परवेजो रोक लगवले रहलें बाकिर सिंध हाई कोर्ट का आदेश का बाद रोक हटा लिहल गइल रहे.

विनिवेश बढ़ावे खातिर फीस का बदले कमीशन दीहि सरकार

पिछला साल अपना विनिवेश में नाकाम साबित रहल सरकार एह साल फेर आपन किस्मत आजमावे जा रहल बिया. पर साल मर्चेंट बैंकरन के सरकार मामूली फीस देत रहे, एह साल तय भइल बा कि कमीशन दिहल जाई. कमीशन कमाये खातिर मर्चेँट बैंकर बढ़िया से काम करीहें. पहिला विनिवेश सतलुज जल विद्युत निगम के हो रहल बा. ओकरा बाद इंजीनियर्स इण्डिया के बारी आई.

मुक्केबाजी का प्रीक्वार्टर फाइनल में भारत

अजरबैजान के बाकू शहर में हो रहल विश्व युवा मुक्केबाजी का प्रीक्वार्टर फाइनल में भारत के शिव थापा आ जे भास्कर चहुँप गइल बाड़े. शिव इंगलैण्ड के कैस अशफाक के हरा के आ भास्कर इरान के अर्मिन अमजदियानन के हरा के ओहिजा चहुँपल बाड़े.

आईपीएल जाँच में स्विसबैंक खाता इस्तेमाल के संकेत

आईपीएल के अन्हरिया कोठरी में घुसल जाँचकर्ता लोग के सुबूत मिलल बा कि फ्रेंचाइजी आ क्रिकेटो बोर्ड का बीच धन हस्तांतरण में कई बेर स्विस बैंक खाता के इस्तेमाल भइल बा. ई घोटाला अतना बड़हन बा कि एकर खुलासा नइखे होखे जा रहल. बड़का बड़का राजनेता अपना सत्ता का ताकत से ई होखे ना दीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up