टटका खबर, बियफे, २९ जुलाई

by | Jul 29, 2010 | 0 comments

विपक्ष का हल्लागुल्ला का बीचे झारखण्ड में राष्ट्रपति शासन के संसद से स्वीकृति

महँगाई का खिलाफ काम रोको प्रस्ताव ले आवे का जिद्द पर अड़ल विपक्ष आ ओह पर अइसना प्रस्ताव ना आवे देवे पर अड़ल सत्ता पक्ष का चलते आजुवो संसद में हल्ला होते रह गइल. एही सब का बीच झारखण्ड में लगावल राष्ट्रपति शासन के बिना कवनो बहस के संसद के स्वीकृति दे दिहल गइल. ओहिजा कांग्रेस आ भाजपा दुनो सरकार बनावे में अपना के अक्षम बता दिहले रहुवे.

हाजीपुर में एगो लड़िका के बेरहम पिटाई वाला मामिला में थानेदार के छुट्टी

हाजीपुर के कटहरा पुलिस चौकी से एक किलोमीटर भितरे एगो जदयू नेता एगो लड़िका के बेरहम पिटाई कइले बाकिर थाना ओहिजा ना चहुँप सकल. बाद में घटना के वीडियो देखि के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार तक सकता में आ गइलन आ मामिला पर कार्रवाई शुरु हो गइल. ओह नेता आ ओकरा साथियन के गिरफ्तारी त दू दिन पहिलही हो गइल बाकिर थानेदार के काल्हु निलंबित कर दिहल गइल. कहल गइल बा कि चौकी के सूचना तंत्र बहुते खराब रहे आ एकरा खातिर थानेदार के जिम्मेदार मानत निलंबित कर दिहल गइल बा.

एगो बलात्कारी हत्यारा के कोर्ट से बरी कर दिहल गइल

बुलंदशहर के नरसेना थाना के जलालपुर गाँव के कन्हैया पर एगो नौ साल के लड़की का साथे दुराचार आ ओकरा बाद हत्या कर देबे के आरोप रहुवे. ऊ एगो आदमी से खुदे सकरले रहुवे कि ब्लू फिल्म देखला के कुछ देर बाद ओहि उत्तेजना में ऊ ओह लड़की का साथे बलात्कार कर लिहलस आ बाद में मामिला दबावे खातिर ओकर गरदनो काट के मार दिहलसि. निचला कोर्ट से ओकरा के फाँसी के सजाय सुनावल गइल रहे बाकि इलाहाबाद हाईकोर्ट ओकरा के निर्दोष कह के रिहा कर दिहलसि. हाई कोर्ट कहलसि कि मामिला के ना त कवनो प्रमाण बा ना केहू चश्मदीद गवाह.

अयोध्या के ले के राजनीति गरमावे के कोशिश शुरु

अयोध्या मामिला में इलाहाबाद कोर्ट सुलह सफाई में लागल बा आ दोसरा तरफ लोग एह मामिला पर फेर से राजनीति गरमावे के कोशिश में लागल बा. जबकि कोर्ट आपन फैसला देरे से सही देबे करी आ ओकरा बाद जवना पक्ष का खिलाफ फैसला आइल रही ऊ सुप्रीम कोर्ट में जइबे करी जहाँ फेर ई मामिला बरिसन खातिर लटकल तय बा. भाजपा अबही एह मामिला पर कुछ नइखे बोलत बाकिर विश्वहिन्दू परिषद आ आरएसएस एकरा के गरमावे में लाग गइल बावे. एकरा खातिर १६ अगस्त से हनुमत शक्ति जागरण अभियान शुरु हो रहल बा.

इंगलैण्ड कोहिनूर हीरा ना लवटाई

इंगलैण्ड के प्रधानमंत्री डेविड कैमरुन कहले बाड़न कि भारत के कोहिनूर हीरा ना लवटावल जा सके. काहे कि अगर अइसनका होखे लागल त ब्रिटेन के सगरी संग्रहालय खाली हो जइहन स. कैमरून से ई सवाल दू दिन का भारत यात्रा पर आवे से पहिले कइल गइल रहे. कतना इमानदार जवाब रहल ई काहे कि इंगलैण्ड दुनिया के लूटिये के आपन महल खड़ा कइले बा. केकर केकर संपत्ति लवटाई!

३१ देश के अधिकारी आज कामनवेल्थ गेम के सुरक्षा जचीहें

अक्टूबर में दि्ल्ली में होखे जा रहल कॉमनवेल्थ गेम्स का दौरान सुरक्षा व्यवस्था कतना चाक चौबंद रही एकरा के जाँचे खातिर आजु ३१ देशन, जवना में पाकिस्तानो शामिल बा, के सुरक्षा अधिकारी आजु दिल्ली में जुटल बाड़े. आठ गो राष्ट्रप्रधान अपना आवे के पुष्टि कर चुकल बाड़े जबकि चार गो अउरी राष्ट्राध्यक्षन के आवे के संभावन बा.

अस्पतालन आ बीमा कंपनियन का बीच के लड़ाई एक कदम अउरी बढ़ल

देश के बड़का अस्पतालन के मनमानी कम करे आ ओह लोग के नाजायज कमाई पर अंकुशा लगावे खातिर बीमा कंपनी चाहत बाड़ी स कि जवने उपकरण भा दवाई के जरुरत बा अस्पताल बता देव आ बीमा कंपनी अपने खरीद के चहुँपा दीहें. एह कदम से अस्पतालन के कमाई में कटौती हो जाई काहे कि उपकरण आ दवाई सस्ता खरीद के ओकरा के प्रिन्ट रेट पर बेचेले.

सिपाही के हत्या का आरोप में दरोगा गिरफ्तार

चकिया थाना के दरोगा अनिल कुमार सिंह अइले आ सिपाही जगनारायण महतो से पुलिस जीप के ड्राइवर के बोलावे के कहले. महतो दौड़ के गइला का बदले ओहिजे से चिल्ला के आवाज लगवलसि जवना पर दरोगा खिसिया गइलन आ लगले ओकरा के पीटे. जब ऊ बेहोश हो गइल तब छोड़ले. अस्पताल ले गइला पर डाक्टर ओकरा के मरल ले आइल बता दिहले.

हिन्दुस्तानियन के मारे के आदेश कबो ना दिहनी कहले हामिद गुल

पाकिस्तानी खुफिया एजेन्सी आईएसआई के पूर्व प्रमुख जेनरल हामिद गुल एह बाति से इन्कार कइले बाड़न कि अफगानिस्तान में सड़क बनावे का काम में लागल हिन्दुस्तानियन के मारे के ऊ कवनो आदेश दिहले रहन. कहले कि सगरी आरोप झूठ बा. अपना बयान में ऊ तालिबानियन का साथे मिलाजुली के आरोप पाकिस्तान के मौजूदा सेना प्रमुख कयानी पर लगवले बाड़न.

खेल का दुनिया से

सचिन के डबल सेंचुरी का बल पर हिन्दुस्तान पहिलका पारी में श्रीलंका के पहिला इनिंग का ६४२ रन का मुकाबिले नौ विकेट का नुकसान पर ६६९ रन बना लिहलसि. सचिन २०३ आ सुरेश रैना १२० रन बनवले.

पुर्तगाल में अभ्यास मैच खेले गइल हिन्दुस्तान के राष्ट्रीय फुटबाल टीम अपना पहिला अभ्यास मैच में पुर्तगाल के तीसरा डिवीजन टीम डेसपोर्टवो डास कल्डास के चार एक से हरा दिहलसि.

खेलमंत्री एमएस गिल आजु लोकसभा में दावा कइलन कि अठारह गो में से चोदह गो मैदान पूरा तरह से तइयार हो चुकल बा आ बाकियो स्टेडियम समय रहते तइयार हो जइहें स.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up