टटका खबर, बियफे, ३ जून

by | Jun 3, 2010 | 0 comments

बंगाल के शेरनी बंगाल पर काबिज होखे का राह पर

पश्चिम बंगाल के नगरपालिका चुनावन में ममता बनर्जी के तृणमूल बहुते बरियार हो के सामने आइल बा. कहल जा रहल बा कि वामफ्रंट के सरकार के दिन अब गिनल चुनल रह गइल बा. ममता के जीत का साथे साथ कांग्रेस उनका से नरम व्यवहार कइल शुरु कर दिहले बिया. कांग्रेस के भ्रम रहे कि ओकरा बिना अकेले पड़ल ममता लेफ्ट के हरा ना पइहें. बाकिर जब पासा उल्टा पड़ल त प्रणव मुखर्जी तुरते आपन गलती मान लिहलें आ ममता के बधाई दे दिहलें. दोसर कदम केन्द्र सरकार उठवलसि जब ऊ ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस दुर्घटना के सीबीआई जाँच करावे के बात मान लिहलसि. ममता एकर माँग कइले रही बाकिर केन्द्र तब तइयार ना रहे.

गुजरात में भयंकर तूफान के अनेसा

गुजरात के समुद्र किनारे वाला इलाका से बीसन हजार लोग के सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा काहे कि अनेसा बा कि आजु साँझ ले भयंकर तूफान फेट ओहिजा बड़हन बरबादी कर सकेला. कच्छ आ सौराष्ट्र इलाका में तबाही आवे के पूरा अनेसा बा. गुजरात सरकार आपन सगरी कार्यक्रम रद्द कर के अधिकारियन के तूफान पर नजर राखे आ बचाव कार्य में लगावे के निर्देश दिहले बिया.

बिहार में दू गो नक्सली मुठभेड़ में ढेर

बिहार का मुंगेर जिला में सीआरपीएफ आ नक्सलियन का बीच मुठभेड़ में दू गो नक्सली मार गिरावल गइलें. मुठभेड़ बघेल जंगल में छापामारी अभियान का दौरान भइल. मराइल नक्सलियन का लगे से एगो राइफल मिलल बा. एह बात के जानकारी आजु सबेरे पटना में डीजीपी नीललमणि दिहलें.

पुलिस का ढिलाई से सिक्ख विरोधी दंगा के आरोपी छूट गइलें

रोहतास जिला में साल ८४ के सिक्ख विरोधी दंगा के २७ गो आरोपियन के कोर्ट सोमार के दिने बरी कर दिहलसि काहे कि ओह लोग का खिलाफ कवनो सुबूत ना मिलल. बार बार समन का बावजूद कवन गवाह ना आइल. गवाहन में चार गो पुलिसकर्मीओ शामिल रहले. कोर्ट एह ढिलाई खातिर पुलिस के फटकारो लगवलसि.

बिहार कांग्रेस में फेर बदल

बिहार के प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अनिल शर्मा आ राज्य प्रभारी जगदीश टायटलर के हटा के महबूब अली कैसर के अध्यक्ष आ मुकुल वासनिक के राज्य प्रभारी बनावल गइल बा. कांग्रेस नेतृत्व के आशा बा कि मुस्लिम पिछड़ा वर्ग के एह जोड़ी से पार्टी के फायदा चहुँपी. कांग्रेस बिहार विधानसभा के चुनाव अकेले लड़े के योजना बना रहल बिया.

रामविलास पासवान राज्यसभा खातिर परचा भरलन

बिहार में राज्यसभा के पाँच सीट खातिर पांचे गो परचा दाखिल भइला का चलते रामविलास पासवान के चुनाइल तय हो गइल बा. जदयू से दू गो, भाजपा से एगो, राजद से एगो आ लोजपा से एगो परचा भराइल बा. कांग्रेस का तरफ से कवनो परचा दाखिल ना भइला से रामविलास के चुनाव निर्विघ्न हो गइल. विधानपरिषद का चुनावो में बिहार आ यूपी में निर्विरोध चुनाव होखे जा रहल बा काहे कि जतना सीट रहे ओतने परचा भराइल बा.

वकालत करे खातिर अब इम्तिहान पास करे के होखी

बार कौन्सिल आफ इण्डिया एह साल से एल एल बी पास कर चुकल लोग के इम्तिहान ले के तय करी कि ऊ लोग वकालत करे लायक बा कि ना. खाली युनिवर्सिटी परीक्षा पास कर लिहल काफी ना रही. बार कौन्सिल के इम्तिहान के खासियत ई रही कि लोग अपना मरजी भर किताब, नोट्स, गाइड वगैरह ले के जा सकेला आ नकल करे के पूरा छूट रही. एही बहाने देखल जाई कि नकल करे के अकल बा कि ना. वइसहू कहल जाला कि किताब रेफर कइला बिना केहू बड़का डाक्टर भा वकील ना बन सके.

यूपी बोर्ड अब अंगरेजी माध्यम वाला स्कूलो के मान्यता दीहि

सीबीएसई आ आईसीएसई से मुकाबिला करे का फेर में यूपी बोर्ड तय कइले बा कि अब अंगरेजीओ माध्यम वाला स्कूलन के मान्यता दिहल जाई. पहिले बस हिन्दी माध्यम वाला स्कूलन के मान्यता दिहल जात रहुवे. अब पुरनको स्कूल आपन माध्यम बदल सकेले. एह खातिर माध्यमिक शिक्षा अधिनियम में संशोधन कर दिहल जाई जवना का अध्याय सार में साफ लिखल बा कि खाली हिन्दिये माध्यम वाला स्कूलन के मान्या दिहल जा सकेला.

साणन्द से बनल नैनो निकलल शुरु हो गइल

ममता का राजनीति का चलते बंगाल में नैनो के कारखाना ना लाग पावल आ गुजरात चलि गइल, ओहिजा ११०० एकड़ में बनल २००० करोड़ का लागत के कारखाना से पहिलका नैनो काल्हु निकलल. अब नैनो के वेटिंग लिस्ट जल्दिये खतम हो जाई. शुरु में एक लाख कार के बुकिंग करावल गइल रहे जवना में से चालीस हजार नैनो दिहल जा चुकल बा. साणन्द कारखाना से एक साल में अढ़ाई लाख नैनो बनावल जा सकेला.

खेलसंघ पर केचुली मार के बइठल लोग सरकार पर भारी पड़त बा

सरकार चहलसि कि खेलसंघन पे चालीस चालीस साल से केंचुली मार के बइठल मठाधीशन से खेलसंघन के मुक्त करा लिहल जाव. बाकिर ऊ लोग अतना आसानी से हटे वाला नइखे. आ ओह लोग का समर्थन में अंतर्राष्ट्रीय ओलम्पिक संघ आ गइल बा जे कहले बा कि सरकार अगर आपन इरादा ना बदललसि त भारत के मान्यता खतम कर दिहल जाई आ ओह हालत में दिल्ली में होखेवाला राष्ट्रकुल खेल के मेजबानिओ छीनल जा सकेला. सरकार के मन मार के ओह लोग के बरदाश्त करे के पड़ी जेकरा चलते खेल में खिलवाड़ हो रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up