pub-4188398704664586

टटका खबर, बियफे ८ अप्रैल

by | Apr 8, 2010 | 0 comments

लक्ष्मणपुर बाथे नरसंहार के १६ आरोपियन के सजाये मौत

एक दिसम्बर १९९७ के रात अरवल जिला के लक्ष्मणपुर बाथे में अपना घर में सुतल गरीबन के रणवीर सेना के करीब २०० लोग घेर के काट दिहल लोग. छोट छोट बचवनो पर दया ना आइल रहे हत्यारन के. कुल ५८ लोग के हत्या भइल रहे एह काण्ड में. मुकदमा के फैसला काल्हु सुनावल गइल जवना में १६ आदमी के फाँसी, १० जने के उमिर कैद आ सबका पर तीस तीस हजार के जुर्माना लगावल गइल बा.

दंतेवाड़ा में भइल नक्सली हमला में मराइल ७६ जवानन में ४८ गो यूपी बिहार के

दंतेवाड़ा में नक्सलियन का हमला में मराइल सीआरपीएफ के ७६ जवान आ अधिकारियन में से ४२ गो यूपी के आ ६ गो बिहार के रहलन. काल्हु जब एह लोग के लाश अपना अपना घरे चहुँपल त सबकर आँख पथरा गइल. एह बर्बर हत्याकाण्ड से नक्सलियन के दुष्टछवि अउरी गाढ़ हो गइल. बाकिर ओकनी के पीठ ठोके वाला मानवाधिकारियन का मुँह से बकार तक नइखे निकलल. नक्सलीयन से बड़ दोषी त ओकनी के ई समर्थक हउवन.

शोएब मलिक के हार थाक के तलाक देबही के पड़ल

शोएब मलिक काल्हु अपना पहिलका बीबी आएशा के हारथाक के तलाक दे दिहलन. देखलन कि तलाक दिहला बिना मुक्ति नइखे मिले वाला. ओने देवबन्द से फतवा आइल बा कि शोएब आ सानिया जवन करत बा लोग तवन इस्लाम का नजर में हराम बा. शादी से पहिले एक साथ रहल, नाचल कूदल, मुँह उघरले मीडिया का सोझा आइल सबकुछ हराम ह. पश्चिम बंगाल सरकार सानिया मिर्जा के दिहल पाँच कट्ठा जमीन वापिस ले लिहले बिया. सानिया अबले ओकर दाम जमा ना कइले रही.

बिहार यूपी के भाजपा अध्यक्षन के घोषणा आजु हो सकेला

आजु होखे जा रहल नितिन गडकरी के केंद्रीय पदाधिकारियन के पहिलका बईठक में बिहार, यूपी, मध्यप्रदेश आ दिल्ली के अध्यक्ष के नाम के एलान हो सकेला. संभावना बतावल जा रहल बा कि बिहार से अश्विनी कुमार चौबे आ यूपी से सूर्यप्रताप शाही के नाम दौड़ में आगा चलत बा.

शारजाह में भारतियन के मिलल मौत के सजा का खिलाफ अपील

भारत सरकार आजु शारजाह के उपरी अदालत में मौत के सजा मिलल १७ गो हिन्दुस्तानियन के बचावे खातिर अपील दायर कर सकेले अइसनका पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल कहले बाड़न. शारजाह में एगो पाकिस्तानी के हत्या करे का आरोप में १७ गो हिन्दुस्तानी लोग के मौत के फरमान जारी भइल बा. एहमें से एगो हरियाणा के आ बाकी पंजाब के हउवें.

पुणे बम विस्फोट के जाँच रिपोर्ट सरकार के दे दिहल गइल

पुणे में जर्मन बेकरी पर भइल बम हमला के जाँच रिपोर्ट राज्य सरकार के सौंप दिहल गइल. एहमें बतावल गइल बा कि १३ गो आरोपियन के चिन्ह लिहल गइल बा बाकिर अबहीं ओकनी के गिरफ्तार नइखे कइल गइल. ओह लोग का बारे में जानकारी गिरफ्तारी के बादे दिहल जाई. एकरा पहिले मुंबई के एगो अधिकारी के एहि बात के सजा दिहल जा चुकल बा कि ऊ गिरफ्तार आरोपियन के नाम काहे जाहिर कइलें.

तीसरका झु्ण्ड के पार्टी कटौती प्रस्ताव ले अइहें

वामपंथी दल सपा, राजद, एआईड़ीएमके, तेलुगू देशम पार्टी, बीजू जनता दल, राष्ट्रीय लोकदल, आनेलोद, जेडीसेकूलर वगैरह का साथ मिल के संसद में बजट का खिलाफ कटौती प्रस्ताव ले आवे का तइयारी में लागल बाड़े. ओह लोग के कोशिश बा कि एह मामिला पर भाजपा नीत राजग बाजी मत मार ले जाव.

अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय से निष्कासित शिक्षक जान दे दिहलें

अलीगढ़ मुस्लिम विश्विविद्यालय अपना एगो शिक्षक साठ साल के श्रीनिवास रामचन्द्र सिरस के एगो रि्क्शावाला का साथ समलैंगिक रिश्ता रखला का आरोप में निलम्बित कर दिहलस आ क्वार्टर से निकाल बाहर कइले रहे. शहर में किराया का डेरा में रहत ऊ शिक्षक एह अपमान के झेल ना पवलस आ आ शंका बा कि जान दे दिहलस. ओकरा बन्द कोठरी में बिस्तर पर ओकर लाश मिलल बा. हालही में कोर्ट ओकर निलम्बन रद्द करे के आदेश दे दिहले रहले.

रोजगार के ट्रेनिंगो लिहला पर टैक्स

बेरोजगारन पर हर तरफ से संकट बा. एक त रोजगार मिले में दिक्कत दोसरे अगर कुछ सीख के छोट मोट रोजगार करे के सोचऽ त ओहू पर केन्द्र सरकार टैक्स लाद दिहले बिया. सर्विस टैक्स दायरा में ओहू संस्थानन के ले लिहल गइल बा जे रोजगार करे लायक ट्रेनिंग देबेलें. सरकार के एहसे कतना टैक्स मिल पाई से त नइखे मालूम बाकिर सीखे वाला बेरोजगारन के सवा दस फीसदी टैक्स देबही के पड़ी. एकरे कहल जाला गरीब के आटा गील भइल.

आईपीएल में आजु रायल चैलेंजर्स सेमीफाईनल में शामिल होखे खातिर लड़ीहें

पिछला साल के आईपीएल विजेता रहल डेक्कन चार्जर्स अबकी बेर लगातार पाँच मैच हार के सेमीफाइनल का दौड़ से करीब करीब बाहर हो चुकल बाड़े. उनकर मुकाबिला आज बेंगलुरु के रॉयल चैलेंजर्स से होखे जा रहल बा जे एह मैच के जीत के सेमीफाइनल में रहे के कोशिश करी. दिल्ली आ मुंबई के टीम के सेमीफाइनल में आइल लगभग तय बा. बाकी दू टीम में आवे खातिर बेंगलुरु, चेन्नई, आ राजस्थान रायल्स में जद्दो जहद जारी बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586