टटका खबर, बुध, २१ जुलाई

by | Jul 21, 2010 | 0 comments

बिहार के विधायक बाते के ना, लातो के इस्तेमाल जानेलन

काल्हु बिहार बिधान सभा आ विधान परिषद में ट्रेजरी से चौदह हजार करोड़ से बेसी के अनियमित निकासी का मामिला में विपक्ष मुख्यमंत्री के इस्तीफा माँगत तोड़ फोड़ पर उतरि आइल त सत्तो पक्ष के विधायक अपना रौ में आ गइलन आ ओकरा बाद जवन भइल तवना से हर लोकतंत्र प्रेमी के माथा झुक जाई. एह मारपीट में दुनु तरफ के विधायक घवाहिल भइल बाड़न. विधान परिषद से चौदह गो आ विधान परिषद से सोलह गो विधायकन के निलम्बित कर दिहल गइल तबो हालात काबू में ना आ पावल. सबसे खास बाति ई बा कि जवना दौरान के निकासी के बात हो रहल बा ओह दौरान पाँच साल ले चारा घोटाला का चलते गद्दी छोड़े वाला लालू प्रसाद के मेहरारू राबड़ी देवी मुख्यमंत्री रहली.

अमिताभ बच्चन आखिरकार खेतिहर बनिये गइलन

यूपी का काकोरी में कबो चन्द्रशेखर आजाद, राम प्रसाद बिस्मिल अपना साथियन संग ब्रिटिश सरकार के खजाना लूटले रहले. अब ओही काकोरी में अमिताभ बच्चन करीब छह हेक्टेयर जमीन खरीदे में सफल हो गइल बाड़न जवना का बाद उनका के किसान मान लिहल जाई आ तब ऊ महाराष्ट्र में खेती वाला जमीन खरीद सकीहें. अमिताभ बच्चन के बड़का खेतिहर बनावे में यूपी बीज निगमो के बड़हन हाथ रही जे उनका के अपना संकर बीज योजना खातिर किसान सदस्य बनवले बा. कहल जात बा कि एह काम खातिर एगो बसपा सदस्य उनकर साथ दिहले. अमिताभ आजुकाल्ह मुलायम आ अमर सिंह दुनु जने से फरका चलत बाड़े.

चौरासी के सिक्ख विरोधी दंगा से फुलका अपना के अलगा कइलन

सतरह जुलाई का दिने एगो सभा में दिल्ली सिक्ख गुरुद्वारा प्रबन्ध समिति के अध्यक्ष भुक्तभोगियन के वकालत करे वाला एच एस फुलका का खिलाफ बहुते कुछ बोललन. कहलन कि उनका पर खर्चा कइल करोड़ो रुपिया बेकार हो गइल. एह आरोप से दुखित फुलका अपना के सगरी मुकदमन से अलगा कर लिहले बाड़न. दुखी फुलका कहले कि ओह सभा में एक आदमी अइसन ना निकलल जे उनकर पक्ष लेव. जबकि उनके प्रयास से नरसिम्हा राव सिक्ख समाज से माफी मँगले, मुआविजा के राशि बढ़ा के दस लाख कर दिहल गइल, जगदीश टायटलर के इस्तीफा देबे के पड़ल आ अब सज्जन पर मुकदमा सफल दौर में बा. बतावल जात बा कि मतभेद एह चलते भइल कि फुलका कमलनाथो पर केस करे के कहत रहलें जबकि दोसर लोग एह बाति खातिर तइयार ना रहे.

रोहतास के पुलिसकर्मी पर शहीद सिपाही के बेटी से बलात्कार के आरोप

रोहतास के एसपी आफिस में पेंशन विभाग में काम करे वाला पुलिस कर्मी बेदानन्द चौधरी पर एगो शहीद सिपाही के बेटी से बलात्कार करे के आरोप लागल बा जवना का बाद से ऊ फरार हो गइल बा. बतावल जात बा कि एगो शहीद सिपाही के पेंशन पास करवावे खातिर ओकर पत्नी आ बेटी के ऊ बार बार चक्कर कटवावत रहे. एक दिन अपना घरे वोलवलस आ ओहिजे दुनु के नशा वाला चीज खिया के बेहोश कर दिहलसि आ बेटी का साथे बलात्कार कर लिहलसि. थाना में जब केस दर्ज ना हो सकल त महतारी बेटी कोर्ट का शरण में गइली जवना का बाद बेदानन्द पर बलात्कार के मुकदमा दर्ज हो गइल बा.

तालिबान के ताकत खतम करिये के रही अमेरिका

चाहे एकरा खातिर कतनो अरब खरब पाकिस्तान के देबे के पड़ो! ई बाति त बराक ओबामा नइखन कहले बाकिर अब तक अमेरिका के जवन काम बा तवना से इहे बाति झलकत बा. वइसे बराक ओबामा इहे कहले बाड़न कि अमेरिका तालिबान के ताकत खतम कर के रही. अफगानिस्तान आ पाकिस्तान का सीमा पर लागल कबायली इलाका में आतंकियन के प्रशिक्षण शिविर बा जहाँ से निकलल आतंकी अमेरिका आ इंगलैण्ड के बेकसूर नागरिकन के हत्या कर रहल बाड़े.

अपना के बचावे के अधिकार सभका बा

सुप्रीम कोर्ट एगो फैसला में कहले बा कि हर आदमी के ई अधिकार बा कि ऊ अपना के भा अपना संपत्ति के बचावे खातिर आक्रमणकारी पर वाजिब जवाबी हमला कर सकेला अगर सरकारी मशीनरी के सहायता तत्काल मिले जोग नइखे. साथही इहो कहलसि कि वाजिब जवाबी हमला के मापदण्ड के कवनो पैमाना ना बनावल जा सके. ई समय काल परिस्थिति पर निर्बर करी. कुछ लोग याचिका दायर कइले रहुवे कि ऊ लोग अपना पर भइल हमला का जवाब में हमला कइले रहुवे एहसे ओह लोग के सजा माफ कर दिहल जाव. अदालत पता लगवलसि त पता चलल कि उहे हमलावर रहलें आ सामने वाला अपना बचाव में हमला कइले रहे. एहसे याचिका दायर करे वालन के कवनो राहत ना दिहल गइल.

देश में पौने सात लाख बेसवा बाड़ी सँ आ दिल्ली ओकनी के राजधानी ह

सूचना के अधिकार का तहत दायर एगो सवाल के जवाब में केन्द्रीय स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय बतलवले बा कि देश में करीब पौने सात लाख रजिस्टर्ड बेसवा, वेश्या, बाड़ी सँ आ महानगरन में सबले बेसी बेसवा दिल्ली में बाड़ी जिनकर संख्या करीब अड़तीस हजार बा आ अतना बेसवा मुंबईयो में नइखी सँ. जबकि नाको के अनुमान बा कि देश में नाहियो त पौने तेरह लाख बेसवा बाड़ी सँ. मंत्रालय अपना जवाब में इहो कहले बा कि कवनो बेसवा खातिर ई जरुरी नइखे कि ऊ अपना स्वस्थ होखे के सर्टिफिकेट राखो खास कर एड्स का बीमारी से मुक्त होखे के. सम्हर जा आपन गाँव जवार छोड़ के महानगरन में रहे वाला भाई लोग. ना त छन भर के सुक भर जिनिगी के दुख दे जाई.

गायब कांग्रेसी नेता घवाहिल हाल में मिलले

हरदोई से सोमार का भोरे गायब राहुल गाँधी के सहयोगी कांग्रेसी नेता निशान्त पटेल मंगल का साँझ लखनऊ में एगो रेल क्रासिंग का लगे घवाहिल हालत में मिललन. ऊ एगो कार वाला से मोबाइल माँग के अपना कवनो परिचित के फोन कइलन त ऊ आदमी बातचीत से पहिचान के पुलिस के खबर कर दिहलसि. बाकिर अबले ई पता नइखे चलल कि एह बीचे ऊ कहाँ रहलन, का भइल, का कइलें.

भारत के विकास दर एह साल साढ़े नौ फीसदी रही

इंटरनेशनल मोनेटरी फण्ड अपना रिपोर्ट में बतवले बा कि एह साल २०१० में भारत के विकास दर साढ़े नौ फीसदी रही आ एकर कारण बा ओकर मजबूत अर्थव्यवस्था आ कार्पोरेट मुनाफा. भारत के आपने घरेलू खपत अतना बा कि कवनो मंदी एह में बिला जाई. पिछला साल जब अमेरिका के बैंक एक का बाद एक ढिमलात गिरत गइल रहले त भारत के बैंक सही सलामत रहले. कारण रहल करियका धन! एहिजा जमीन आ फ्लैट के कीने बेसाहे में जम के करिया धन के इस्तेमाल होला आ संपत्ति के दाम कम रहेला. बैंक जतना कर्जा देलें ओतना कहियो ओह संपत्ति के बेच के निकालल जा सकेला.

खेल का दुनिया से

काल्हु् हम लिख बइठल रहीं कि कवनो चमत्कारे भारत श्रीलंका मैच के ड्रा होखे से बचा सकेला. कतना गलत रहनी हम? श्रीलंका आपन पारी आठ विकेट का नुकसान पर ५२० रन बना के घोषित खतम कर दिहलसि आ बाद में खेले उतरल भारत के टीम तीसरका दिन के खेल खतम होखे के बेरा तीन विकेट, गंभीर, द्रविड़, आ सचिन के, गवाँ के १४० रन बना पवले रहलें. आजु चउथका दिने सगरी टीम २७६ रन बना के आउट हो गइल बा. अब शायद कवनो चमत्कारे भारत के हार से बचा सकेला. काश हम फेर गलत साबित हो जाईं आ खेल ड्रा हो जाव!

खेल मंत्रालय के ठेंगा देखावत हाकी इण्डिया अपना अध्यक्ष पद का चुनाव में मौजूदा अध्यक्षा विद्या स्टोक्स के नामांकन सकार लिहले बा. उनकर मुकाबिला अब परगट सिंह से हो सकेला जे चुनाव लड़े के दावा कइले बाड़न. हॉकी इण्डिया साफ कह दिहले बिया कि ओकरा सरकारी दिशा निर्देशन के परवाह नइखे आ सरकार चाहे त आपन फंडिंग रोक सकेले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up