टटका खबर, बुध, ४ अगस्त

दन्तेवाड़ा में फेरु नक्सली हमला कइले

आजु छत्तीसगढ़ का जंगलात में फेर सत्तर गो सीआरपी जवान गायब बतावल जात बाड़े इ पुलिस आ माओवादियन का बीचे मुठभेड़ हो रहल बा. ओह इलाका में नक्सली नेता गणेश उइके के मौजूदगी के भनक पा के किरन्दुल थाना से एगो पुलिस पार्टी गइल रहे जवना पर नक्सली हमला कर दिहले तेज बरखा का बीच दुपहरिया से चालू एह मुठभेड़ में भइल मौतन के कवनो जानकारी अबही नइखे मिल पावल.

अमित शाह के पुलिस हिरासत में ना दिहल गइल

शोहराबुद्दीन मामिला का बहाने गुजरात सरकार के घेराबन्दी में लागल सीबीआई के ओकरे अदालत एगो झटका दे दिहलसि जब अमित शाह के पुलिस हिरासत में देबे के माँग अदालत ना मनलसि. गुजरात के गृह राज्य मंत्री रहल अमित शाह पर सीबीआई हत्या, अपहरण, आ षडयन्त्र के मुकदमा दायर कइले बिया.

बिहार सरकार दरभंगा राज किला के अधिग्रहण करे जा रहल बिया

दरभंगा राज किला में चल रहल अणियमित अतिक्रमण आ खरीद फरोख्त के काबू में करे खातिर बिहार सरकार ओह किला के अधिग्रहण करे का तइयारी में बिया. सरकार राज्य भर में फइलल अइसन महत्वपूर्ण जगहन के संरक्षित कइल चाहत बिया. हर जगहा के सुन्दरीकरण आ रखरकाव के आउटसोर्सिंगो करे पर विचार चल रहल बा.

बिहार के २८ जिला सूखा ग्रस्त

चुनावी साल में कम बरखा का चलते धान के कम बोआई देखत बिहार सरकार राज्य के ३८ में से २८ गो जिलन के सूखा ग्रस्त घोषित कर दिहले बिया. बाकी दस जिलन का बारे में मुख्य सचिव पर फैसला लेबे के जिम्मेदारी डाल दिहल गइल बा आ ओकरा खातिर मंत्रीमण्डल के अनुमति के जरुरत ना रही. गोपालगंज आ पश्चिमी चंपारण ओह दस जिलन में शामिल बा जवना के अबही सूखा ग्रस्त नइखे मानल गइल.

राममन्दिर खातिर कानून बनावे के माँग कइले सिंहल

हिन्दुवन के भावना से खिलवाड़ करे का खिलाफ सरकार के चेतावत विश्व हिन्दू परिषद के अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष अशोक सिंहल माँग कइले बाड़न कि राममन्दिर खातिर कानून बना के रास्ता साफ करे के चाहीं. करोड़ो हिन्दूवन के आराध्य भगवान राम अनइस साल से तंबू में विराजमान बाड़े. कहलन कि देर सबेर अदालत आपन रोकल फैसला सुना सकेले बाकिर ओहसे समस्या के समाधान ना होखी उल्टे दूरी बढ़ जाई.

काश्मीर में चल रहल बवाल का चलते रेल सेवा बन्द

भारतीय रेल काश्मीर घाटी में आपन रेल सेवा अनिश्चित काल खातिर बन्द करे के एलान कइले बा काहे कि काश्मीर के बवाली रेल स्टेशन आ रेल संपत्ति के नुकसान चहुँपावे में लागल बाड़े. मजबूरन रेलवे आपन सेवा तब तक खातिर नना दे पाई जबले ओहिजा शान्ति नइखे कायम हो जात. ना नौ मन तेल होई ना राधाजी नचिहे.

इरानी राष्ट्रपति बाल बाल बचलन

इरान के राष्ट्रपति महमूद अहमदीनेजाद के काफिला पर बुध का दिने ग्रेनेड हमला भइल जवना में पत्रकारन के ले जा रहल गाड़ी के नुकसान चहुँपल बाकिर राष्ट्रपति के कार के कवनो नुकसान ना भइल. हमलावर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. हालांकि घटना का बाद एगो जीवन्त टीवी प्रसारण में अहमदीनेजाद एह घटना के कवनो जिक्र ना कइलन.

पूणे में विद्यार्थीयन का खिलाफ पुलिसिया कार्रवाई के बेजा मानल जा रहल बा

एगो फार्म हाउस पर फ्रेण्डशिप डे के जश्न मनावत ४८९ विद्यार्थियन के रात भर रोक के राखल आ बाद में ८१ गो पर शराब पिये के मुकदमा दायर करे के बहुते लोग बेजा बतावत बा. कहत बा लोग कि ई अइसन बाति ना रहुवे जवना में अतना कड़ाई करे के जरुरत रहे. पंजाब के डीजीपी आ मुंबई के पुलिस कमिश्नर रहल जुलियो रिबेरो कहले बाड़न कि पुलिस ओह विद्यार्थियन के चेतावनी दे के छोड़ सकत रहे. बहुते गणमान्य नागरिको एकरा के पुलिस के अधिकई बतवले बाड़े.

अढ़ाई साल में सबले अधिका सेंसेक्स आजु के

आजु बुध का दिने मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक करीब अढ़ाई सौ अंक चढ़ि के १८२१७ पर बन्द भइल जवन फरवरी २००८ का बाद के सबले उच्च स्तर बा. जानकार लोग के कहना बा कि रुपिया का दाम में आइल बारह पइसा के कमी का चलते साफ्टवेयर बिक्री के संभावना देखत ई बढ़ती भइल बा.

खेल का दुनिया से

भ्रष्टाचार के आरोप झेलत कॉमनवेल्थ खेल आयोजन समिति के प्रमुख सुरेश कलमाडी कहले बाड़न कि ऊ हर तरह के जाँच खातिर तइयार बाड़न. जानते बाड़न कि कांग्रेसी राज में कवनो कांग्रेसी का खिलाफ जाँच के नतीजा का निकलेला.

इण्डियन हॉकी फेडरेशन सरकार के हर निर्देश माने के बाति कहले बा. दोसरा तरह हॉकी इण्डिया कहले बा कि ऊ सरकारी निर्देश माने खातिर बाध्य ना कइल जा सके काहे कि ऊ एगो निजी संस्था ह.

श्रीलंका का साथे तिसरका टेस्ट में दूसरका दिने भारत श्रीलंका के पहिला पारी के ४२५ रन का जवाब में दू विकेट का नुकसान पर १८० रन बना लिहले बा. आजुवो भारत के हालत सुधारे में विरेन्द्र सहवाग के मजगर योगदान रहल जे बिना आउट भइले ९७ रन बनवले बाड़न. सचिन तेंदुलकरो ४० रन बना के खेलत बाड़न.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up