pub-4188398704664586

टटका खबर, बुध, ७ अप्रैल

by | Apr 7, 2010 | 0 comments

नक्सलियन का हमला में ७६ गो पुलिस जवानन के मौत

बयानबाजी करे में बीस केन्द्रीय गृहमंत्री के नक्सली अपना भाषा में जवाब दिहले बाड़न सँ आ छत्तीसगढ़ में दंतेवाड़ा में एगो सीआरपीएफ टुकड़ी के घेर के ७६ गो जवानन के मौत के नीँद सुता दिहलें सँ. नक्सलियन से बात करे के, समुझावे के सगरी कोशिश बेकार बा. शठे शाठ्यम समाचरेत वाला नियम अपनावे के चाहीं ओकनी का साथ. दोसरे मानवाधिकार के बात करे वाला लोग अइसनका घटना पर कुछ ना बोले बाकिर अगर पुलिस बल एही तरे कवनो नक्सली गिरोह के मार डाले त ओकनी के हल्लागुल्ला कान फाड़ डाली.

बिहार के महादलित आयोग असंवैधानिक

बिहार सरकार के महादलित आयोग के असंवैधानिक बतावत राष्ट्रीय अनुसूचित जाति आयोग के अध्यक्ष बूटा सिंह कहलें कि बिहार में अनुसूचित जातियन खातिर कुछ नइखे भइल. कहलन कि नियुक्ति, पदस्थापन, आ पदोन्नति में एह जातियन के कोटा जल्दी से पूरा कइल जाव.

इन्दिरा आवास खातिर अब बिहार में पैंतालिस हजार मिली

बिहार में इन्दिरा आवास बनावे खातिर अब पै्तीस हजार का बदले पैंतालिस हजार दिहल जाई. मनरेगा में दैनिक मजदूरी अब १०४ रुपिया का बदले १०८ रुपिया कर दिहल गइल बा. इन्दिरा आवास योजना के गड़बड़ी दूर करे खातिर हर महीना के तीस तारीख के शिविर लागल करी जवना में बीडीओ, स्थानीय विधायक, बीस सूत्री के प्रखण्ड अध्यक्ष उपाध्यक्ष आ प्रखण्ड प्रमुख शामिल रहीहें.

प्रेमाचार करत मास्टर के पिटाई से मौत

छपरा जिला के जलालपुर थाना के माधोपुर गाँव में एगो मास्टर के एगो विधवा का साथ मकई का खेत में प्रेमाचार करत पकड़ला का बाद गाँव वाले जम के पिटाई कइलें जवना से मास्टर के मौत हो गइल. ओने विधवा औरत अपना ससुर पर केस ठोक दिहले बिया कि ओकर गहना छीन लिहले बाड़े आ ओकरा साथ मार पिटाई कइले बाड़े.

गुजरात दंगा के जाँच करे वाला दल से दू गो अधिकारी हटावल गइलें

सुप्रीम कोर्ट काल्हु गुजरात दंगा के विशेष जाँच दल के निर्देश दिहलसि कि गीता जौहरी आ शिवानन्द झा के जाँच कार्य से अलगा राखळ जाव. कोर्ट इहो कहलस कि एहु पर विचार करे के जरुरत बा कि विशेष जाँच दल के जारी राखल जाव कि ना काहे कि राघवन के नेतृत्व वाला एह दल के सदस्यन पर कई तरह के आरोप बा.

चौरासी साल के मर्द एनडीतिवारी सुप्रीम कोर्ट चहुँपलन

चौरासी साल का उमिर में तीन गो औरतन का साथे आपत्तिजनक हालात में मिलला का बाद राज्यपाल पद से हटल नारायण दत्त तिवारी सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगवले बाड़न कि दिल्ली हाईकोर्ट के ओह फैसला के पलट दिहल जाव जवना से उनका के आपन बतावे वाला रोहित शेखर के मुकदमा चले के अनुमति दिहल बा. रोहित के दावा बा कि तिवारी उनकर बाप हउवन. तिवारी के वकील के दलिल रहे कि आरोप कालातीत हो चुकल बा. रोहित जब बालिग भइलें त ओकरा तीन साल का भीतर उनुका ई मुकदमा करे चाहत रहे.

गरीब आदमी चुनाव ना लड़ पाई

चुनाव आयोग फैसला कइले बा कि लोकसभा के चुनाव लड़े खातिर पचीस हजार रुपिया के आ विधानसभा के चुनाव लड़े खातिर दस हजार रुपिया के जमानत जमा करे के पड़ी. अबहीं ई राशि दस हजार आ पाँच हजार बावे. जवना प्रत्याशी के कुल मतदान के छठवां हिस्सा के मत ना मिलेला ओकर जमानत जब्त कर लिहल जाला. वइसे अब के चुनाव करोड़ो खर्च कर के लड़ल जा रहल बा ओहमें एह जमानत से कवनो कास फर्क पड़े वाला नइखे.

राहुलो त विदेशी कनिया ले आवे जा रहल बाड़न

सानिया मिर्जा के देशभक्ति के सवाल उठावे वालन के जवाब देत पूर्व सपा नेता आजम खाँ कहले बाड़े कि सानिया अगर कवनो विदेशी से शादी करे जा रहल बिया त अतना हो हल्ला काहे हो रहल बा? कहलन कि तब त सोनिया गाँधी आ राहुलो के देशभक्ति पर सवाल उठावल जा सकेला. राहुलो गाँधी त एगो विदेशी लड़की से शादी करे वाला बाड़े, उनका के का कहल जाई.

शेयर बाजार फेर उछाह पर

दू साल का बाद शेयर बाजार फेर अठारह हजार का अंक से पार जाये का तइयारी में बा. परसों के तेज बढ़त का बाद काल्हु कुछ थिराइल बाजार आजु फेर तेजी देखा रहल बा. दोसरा तरफ सोना के दाम में काल्हु पचास रुपिया के गिरावट आइल.

वर्ल्डकप कबड्डी में भारत के लगातार तीसरा जीत

होशियारपुर में चल रहल कबड्डी के विश्व कप में भारत अबले आपन तीनो मुकाबिला जीत चुकल बा. अमेरिका आ इटली के हरवला का बाद ऊ आस्ट्रेलियो के हरा दिहलसि. आज भारत के मुकाबिला इरान से, आस्ट्रेलिया के मुकाबिला इटली से, आ इंगलैण्ड के मुकाबिला कनाडा से होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586