टटका खबर, मंगल १३ अप्रैल

by | Apr 13, 2010 | 0 comments

विपक्षी एकता तूड़े खातिर कांग्रेसी चाल

महँगाई का मुद्दा पर सरकार के घेरे का तइयारी में लागल एकजुट विपक्ष के एकता तूड़े खातिर कांग्रेस नरेन्द्र मोदी के सवाल उठा बिया. ओकर कहना बा कि गुजरात दंगा के जाँच करे वाला दल का सामने गइल नरेन्द्र मोदी का साथ भाजपा तन के खड़ा बिया. अब अगर सेकूलर दल ओह भाजपा का साथ खड़ा लउकिहें त समाज में गलत संदेशा जाई. मुसलमान वोट बैंक दूहे खातिर भाजपा के डर देखावल जाला आ सेकूलर जमात का नाम पर आपन उल्लू सीधा करे खातिर बाकी पार्टीयनो के भाजपा के डर देखावल जाला.

युलिप का मुद्दा पर यथास्थिति बनावे पर सहमति

युलिप के मुद्दा अपना अधिकार क्षेत्र में बतावत सेबी काल्हु एह बात पर सहमत हो गइल कि जबले कवनो उचित न्यायालय से एह बात के फैसला नइखे आ जात तबले युलिप के जस का तस चले दिहल जाव. इरडा के कहनाम बा कि युलिप सही बा आ ओकरा अधिकार क्षेत्र में आवेला. सेबी के कहनाम बा कि युलिप के पइसा शेयर में लागेला एहसे ओह पर ओकर अधिकार बा. काल्हु एही कहा सुनी में शेयर बाजार में गिरावट के रुख बनल रहे.

बलिया में स्कूल में लागल आग

बलिया शहर में स्थित सेंट थामस स्कूल के टीना के छत ठंढा राखे खातिर ओह पर फूस डालल रहे. तपत गर्मी में शार्ट सर्किट से ओह में आग लाग गइल. कवनो बड़हन दुर्घटना ना हो पावल आ सगरी विद्यार्थियन के सकुशल निकाल लिहल गइल. अब एह बात के आलोचना हो रहल बा कि विद्यालय प्रशासन आ आम प्रशासन कइसे एह तरह के असुरक्षित इन्तजाम के अनुमति दिहलसि.

मंत्रियन के बयानबाजी पर रोक लगवलें प्रधानमंत्री

सरकार के मंत्रियन आ बड़का अधिकारियन के प्रधानमंत्री निर्देश दिहले बाड़न कि आंतरिक सुरक्षा का मुद्दा पर ऊ लोग बयानबाजी मत करे. एह बयानबाजी से सरकार के छवि खराब होखत बिया. जवना मंत्रालय के मामिला रहे बस उहे बोलें. बाकिर तब बाकी नेता लोग के पेट फूले लागी त का होखी? बेबोलले नेतागिरी कइसे देखाइ लोग.

आजु वैशाखी ह आ आजुवे का दिन भइल रहे जालियावाला कांड

आजु वैशाखी के पर्व ह. हंसी खुशी के एह पर्व का दिने जालियावाला बाग में जुटल भीड़ के घेर के अंगरेज जनरल डायर निहत्थन पर अंधाधुंध गोली चलववले रहुवे. १३ अप्रेल १९१९ का दिने भइल एह जनसंहार के दुनिया के कुछ बड़का नरसंहारन में गिनल जाला.

छपरा में एकलव्य का समापन का बाद मारपीट

भागलपुर आ मगध विश्वविद्यालय के महिला खिलाड़ियन का बीच झोंटा खींच के मार पीट हो गइल जब भागलपुर के एगो महिला खिलाड़ी अपना मोबाइल के चोरावे के आरोप मगध का टीम पर लगवलसि. एह आरोप से तिलमिलाइल मगध के टीम मार पीट करे पर उतर अइली सँ. बाद में केहू तरह समुझा बुझा के मामिला शांत करावल गइल बाकिर मोबाइल नाहिंये दिहली सँ. ओने ट्रैक शूट माँगत जेपी विश्वविद्यालयो के खिलाड़ी बवाल मचवलें. ओह लोग से कहल गइल रहे कि समापन का बाद ट्रैक शूट दे दिहल जाई. बाकिर ओह लोग के का मालूम रहे कि भइल बिआह मोर करबऽ का, बेटी छोड़ के लेबऽ का?

काश्मीरी पंडित मंदिर सुरक्षा कानून के माँग करत बाड़े

अपने राज्य में शरणार्थी बन के रहत काश्मीरी पंडितन के एगो संगठन माँग कइले बा कि मंदिरन के सुरक्षा खातिर एगो कानून बनावल जाव त ऊ लोग लवटे पर विचार कर सकेला. काश्मीर के मंदिरन पर दोसरा धर्म के लोगन के नाजायज कब्जा बा आ मंदिरन के जमीन पर लोग नाजायज तरीका से काबिज हो गइल बा. बाकिर ओह लोग के मालूम नइखे शायद कि भारत में हिन्दूवन खातिर कवनो सुरक्षा कवनो अधिकार ना दिहल जा सके.

भोपाल गैस कांड के सुनवाई रोकवावे खातिर सीबीआई के फटकार

भोपाल गैस कांड के मुकदमा कवनो ना कवनो बहाने रोकवावे के सीबीआई का आदत से परेशान कोर्ट काल्हु अब अउरी रोक से इन्कार कर दिहलसि. सीबीआई के एह खातिर फटकारो लगवलसि कोर्ट.

फतवा का चलते अलगा रहल बर्दाश्त ना भइल त निकाहे कर लिहल लोग

निकाह का पहिलही से सानिया आ शोएब के एक साथे रहला के गैर इस्लामिक आ हराम आचरण बतवला का बाद शोएब सानिया का घर से निकल गइल रहलें. बाकिर बुझात बा कि अलगा रहल बर्दाश्त ना भइल त निकाह के तय दिन से तीन दिन पहिलही निकाह कर लिहल लोग. काल्हु ताज कृष्णा होटल में निकाह के रस्म अदायगी हो गइल. अब १५ अप्रैल का दिने रिसेप्शन होखी.

डेक्कन अबहियो सेमीफाइनल का तरफ बढ़ रहल बा

काल्हु का मैच में बेंगलुरु का रायल चैलेंजर्स के हरा के डेक्कन चार्जर्स सेमीफाइनल में शामिल होखे के संभावना बरकरार राक लिहलसि. मैच हरला का बावजूद बेंगलुरु के टीम दुसरका जगहा पर बरकरार बा आ डेक्कन पांचवा जगहा पर. डेक्कन के अब आपन अगिलको मैच जीते पड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up