टटका खबर, मंगल, १५ जून

by | Jun 15, 2010 | 0 comments

बलिया नाव दुर्घटना में ५७ गो लाश मिलल

काल्हु सबेरे बलिया के दुबहड़ थाना के ओझवलिया घाट पर मुण्डन संस्कार खातिर गंगा पार जा रहल पाँच छह गो परिवारन के लोग से लदाइल नाव पानी भरला से आ बेसी वजन से टूट गइल रहे जवना में ढेरे लोग डूब गइले. १७ आदमी केहू तरह जिन्दा बचा लिहल गइले भा अपने से पँवड़ के बाहर आ गइले आ बाकी ५७ जने के लाश काल्हु देर रात ले निकाल लिहल गइल बा. जिला प्रशासन समय पर चहुँप गइल रहे बाकिर साधन का अभाव में बचाव कार्य देर से शुरु हो पावल. मरे वाला लोग दुबहड़, हरिहरपुर, नसीराबाद, सीताकुण्ड, ऊभांव, बड़की सेरिया, बभनौली, बिशुनपुरा, दिउली, दया छपरा, आ मनियर के रहले.

किर्गिस्तान में फँसल भारतीय विद्यार्थिन के सुरक्षित निकाल लिहल गइल

किर्गिस्तान के जातीय संघर्ष का बीचे फँसल करीब एक सौ विद्यार्थियन के हवाई मार्ग से सुरक्षित निकाल के ओहिजा के राजधानी बिशकेक चहुँपा दिहल गइल बा जहाँ से ऊ लोग अगिला कुछ दिन में भारत आ जाई.

यूपी का नोएडा में दू समुदाय का बीच संघर्ष

मोटरसाइकिल के हार्न खराब लगवला का चलते खरीदे वाला आ दुकानदार का बीच के झगड़ा सोमार का देर रात दू समुदाय का बीच के दंगा बन गइल जवना में मारपीट आ गोलीबारी से छह लोग घवाहिल हो गइल आ कहल जा रहल बा कि एक आदमी के मौतो हो गइल. बाकिर प्रशासन कवनो मौत भइला से इन्कार कइले बा. सगरी उच्च अधिकारी ओहिजा चहुँप के हालात पर काबू पावे में सफल रहलन. घवाहिलन के दादरी अस्पताल में भरती करा दिहल गइल बा.

बिहार के विशेष राज्य के दर्जा ना मिली

वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी काल्हु साफ शब्दन में कह दिहले कि अइसनका कवनो बात नइखे कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिहल जाव. कहलन कि केन्द्र बीच बीच में बिहार के सहायता करत रहेला आ करत रही. पूर्वी आ पुर्वोत्तर राज्यन का मुख्यमंत्रियन, वित्तमंत्रियन आ बैंकन के मुख्यकार्यपालक अधिकारियन का साथ छह घंटा का बईठक का बाद ऊ पत्रकारन से बात करत रहले. कहले कि अब राज्यन के केन्द्रीय कर में ३२ फीसदी हिस्सा मिलल करी जवना से बिहार के अतिरिक्त ९००० करोड़ रुपया मिली.

बिहार भाजपा नीतीश के बौखलाहट पचा नइखे पवले

विज्ञापन विवाद का बाद नीतीश के बौखलाहट के जवाब भलही भाजपा ना दिहले होखे बाकिर पटना से जात जात भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी संदेश देत गइले कि कवनो समझौता स्वाभिमान का कीमत पर ना होखे के चाहीं. भाजपा के आपन आकलन बा कि जदयू के वैशाखी लिहलो बिना चुनाव में ओकर स्थिति मजबूत रही बाकिर एगो बड़हन मंत्री का चलते, जेकरा खातिर स्वाभीमान से बेसी प्यारा सत्ता के कुर्सी बा, भाजपा कवनो कड़ा कदम नइखे उठावे जात.

राज्यसभा चुनाव का चलते पटना में भोज के दौर

राजद लोजपा गठबन्धन अपना दुनु उम्मीदवारन, रामकृपाल यादव आ रामविलास पासवान, के जितावे खातिर लगातार भोज के दौर चला रहल बा. अपना सगरी वोट के जुटा के रखे का कोशिश में राजद का तरफ से अपना विधायकन के निर्देश दिहल गइल बा कि जबले चुनाव नइखे हो जात तबले लोग शादी बियाह के नेवता छोड़ के पटने में जमल रहो. कांग्रसी विधायक शायद चुनाव से बाहर रहीहें जवना चलते जीते खातिर करिब ३९ गो वोट चाहीं हर उम्मीदवार के. अगर बीजी उदय निर्दलीय उम्मीदवार ना बनल रहते त बाकी के पाँचो उम्मीदवार निर्विरोध चुना गइल रहते. चुनाव १७ जून के होखे वाला बा.

मानसून धीरही धीरे सही बाकिर आगा बढ़ रहल बा

दक्षिण पश्चिम मानसून धीरे धीरे आगा बढ़ रहल बा. कोंकण आ गोवा के कुछ हिस्सा, मध्य महाराष्ट्र, मराठवाड़ा, विदर्भ, तेलंगाना, तटीय आंध्रा, छत्तीसगढ़, उड़ीसा, पश्चिमबंगाल होत ससरल जात बा. काल्हु बिहार के कुछ हिस्सा में मानसून पूर्व के बरखा भइल बा बाकिर मानसून के बरखा होखे में अबही दू दिन के देरी बा. पटना में मानसून चहुँपे के तारीख ११ जून रहे जवना में पहिलही चार दिन के देरी हो चुकल बा. बाकिर जहाँ तहाँ होत बरखा बूनि का चलते अब तापमान में तनिका गिरावट आइल बा.

शिबू सोरेन सबूत का कमी से बरी हो गइले

करमसाँढ़ शिबू सोरेन के कुडको में दू गो साहूकारन के हत्या के जुर्म से बरी कर दिहल गइल बा. आठ गो दोसर आरोपियन के साल १९८६ में बरी कर दिहल गइल रहे. शिबू सोरेन एकरा से पहिले शशिनाथ झा हत्याकाण्ड से आ चिरुडीह नरसंहार से बरी कर दिहल गइल रहले.

अपना लड़िकन के कंप्यूटर आ टीवी से नौ साल का उमिर ले दूर राखीं

इंगलैण्ड के एगो मनोवैज्ञानिक डाक्टर सिगमैन सलाह दिहले बाड़न कि नौ साल तक के लड़िकालड़िकिन के टीवी आ कंप्यूटत स्क्रीन से दूर राखे के चाहीं. एह उमिर में ओह सब के वास्तविक दुनिया के देखे, छुए, महसूस करे देबे के चाहीं जवना से ओकनी के न्यूरोलाजिकल आ काग्निटीव इंफ्रास्ट्रक्चर के विकसित होखे के मौका मिली आ दुनिया के बेहतर तरीका से समझ बुझ पइहें. ऊ त सरकारो से माँग कइले बाड़न कि जरुरत बा कि एह खातिर कानून बना दिहल जाव.

फीफा वर्ल्ड कप के चउथका दिन

काल्हु का मैच में हालैण्ड डेनमार्क के दू शुन्य से आ जापान कैमरुन के एक शून्य से हरवलसि जबकि इटली आ पारागुचे के मैच एक एक का बराबरी पर छूटल. आजुओ तीन गो मैच होखे जा रहल बा, न्यूजीलैण्ड के स्लोवाकिया से, पुर्तगाल के आइवोरी कोस्ट से, आ नार्थ कोरिया के ब्राजील से. सबकर नजर ब्राजील आ नार्थ कोरिया का मुकाबला पर रही. दोसरा तरफ श्रीलंका में आजु से एशिया कप क्रिकेट शुरु हो रहल बा जवना में आज पाकिस्तान के मुकाबिला श्रीलंका से होखे जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up