टटका खबर, मंगल, २२ जून

by | Jun 22, 2010 | 0 comments

दूध फाट चुकल बा, बस अँउटइला के देरी बा

हर व्यावहारिक कारण से बिहार में भाजपा आ जदयू गठबन्हन में गाँठ पड़ चुकल बा आ दुनु पार्टियन के अलग अलग राह धइल पक्का बा. नीतीश बिहार में नरेन्द्र मोदी आ वरुण गाँधी के आवल नइखे दिहल चाहत आ भाजपा उनकर ई शर्त अब माने का हालत में नइखे जब मामिला सबका सोझा आ चुकल बा. अब इन्तजार बस अतने बा कि के अलगा होखे के एलान पहिले करत बा. नीतीश जतना दिन ले हो सके मुख्यमंत्री बनल रहे के चहीहें आ जब चुनाव के समय आ जाई त साम्प्रदायिकता का मुद्दा पर भाजपा से अलगा हो जइहें. भाजपा के तबो नुकसान बा आ आजुओ नुकसान बा. बाकिर आज अलगा भइला पर कुछ इज्जत बाचल रही तब ना बाची. नीतीश के निशाना साल २०१४ के लोकसभा चुनाव पर बा जब ऊ आपन गोटी लाल करल चहीहें आ ओकरा पहिले कवनो ना कवनो बहाने भाजपा से पल्ला छोड़ाइये लिहन.

वरुण गाँधी के शादी के तारीख तय

अपना पिता का नक्शे कदम पर चलत वरुणो गाँधी हिन्दुस्तानिये लड़की से शादी करीहें कवनो विदेशी से ना. राजीव विदेशी कनिया ले अइले आ राहुलो ओही राह पर बाड़न. उनको कम्बोडियाई लड़की पसन्द बिया बस समय ले इन्तजार बा. वरुण गाँधी के शादी बंगाली कन्या यामिनी राय चौधरी से ११ दिसम्बर के होखे जा रहल बा. दुनु जने एक दुसरा के तीन चार साल से जानत बाड़े आ मेनको के यामिनी बहू का रुप में पसन्द बा.

मगध विश्वविद्यालय के ८३६ प्रोफेसर रीडर के लेक्चरर बना दिहल गइल

एगो फैसला में मगध विश्वविद्यालय के कुलपति अरविन्द कुमार विश्वविद्यालय के ८३६ गो प्रोफेसर आ रीडरन के लेक्चरार के पद पर वापिस भेज दिहले. कारण बतावत कहले कि ई लोग सरकारी सेवा में आवे से पहिले निजी कॉलेजन में जवन सेवा दिहले रहुवे ओकरा के सरकार कबो मान्यता ना दिहलस. दोसरे जे लोग समयबद्ध प्रोन्नति सकार लिहल ओकरा के दोसरा कवनो तरीका से प्रोन्नति ना दिहल जा सके. एह फैसला से पद से गिरावल प्रोफेसरन रीडरन में बहुते क्षोभ पैदा हो गइल बा आ ऊ लोग आपन अगिला कदम उठावे से पहिले राज्य के शिक्षामंत्री से मिलल चाहत बा.

भोपाल गैस पीड़ितन खातिर ७५० करोड़ के मुआविजा

एंडरसन के भगावे का विवाद से राजीव गाँधी के छवि बचावे का फेर में मंत्रियन के समूह तय कइले बा कि भोपाल गैस दुर्घटना खातर १३२० करोड़ रुपिया के पैकेज दिह जाव जवना में ७५० करोड़ रुपिया मुआविजा खातिर आ बाकी धन पर्यावरण सुरक्षा आ मेडिकल उद्देश्य खातिर रही. इहो कहल गइल बा कि सरकार एंडरसन के भअरत प्रत्यापरोपण करावे खातिर कोशिश करो.

बिहार जायेवाली रेलगाड़ियन में वीवीआईपी कोटा घटा दिहल गइल

नीतीश लालू का जमाना से चलल आ रहल बिहार के वीवीआईपी कोटा घटा दिहल गइल बा. एह कोटा के इस्तेमाल अपना परिचितन के आरक्षण दिआवे में होखत रहल. अब ऊ कोटा घट गइला से आम आदमी के राहत मिली.

यूजीसी से संबद्धता खातिर मानक कड़ा कइल गइल

यूजीसी से संबद्धता पावे खातिर जवन कॉलेज आवेदन करी ओकरा खातिर मानक कड़ा कर दिहल गइल बा. अब मेट्रोपालिटन शहर के कॉलेजन का लगे २ एकड़ आ बाकी का लगे पाँच एकड़ जमीन होखल जरुरी रही. प्रतिभूति के राशि २ लाख से ले के ३५ लाख तक के रही जवन अलग अलग पाठ्यक्रम खातिर अलग अलग रही. प्रोफेशनल कालेजन के ३५ लाख रुपिया प्रतिभूति जमा करावे के पड़ी.

एंडरसन मामिला में एगो नया आरोप

भाजपा आरोप लगवले बिया कि तब के कांग्रेसी मंत्री मुहमम्द युनूस के बेटा आदिल शहरयार के अमेरिका में ३५ साल के सजा सुनावल गइल रहे. भोपाल गैस त्रासदी का बाद केन्द्र सरकार एंडरसन के जाये दिहलस आ ओकरा कुछ महीना बाद आदिल के हिन्दुस्तान भेज दिहल गइल. कांग्रेसी एह सौदेबाजी का आरोप पर कुछ नइखन बोलत.

न्यूयार्क के टाइम्स स्क्वायर पर कार बम हमला के आरोपी दोष सकरलस

न्यूयार्क के टाइम्स स्क्वायर पर कार बम से असफल हमला करे का मामिला में गिरफ्तार फैजल शाहजाद अपना के मुस्लिम सिलाही बतवले बा आ कहले बा कि ओकरा के पाकिस्तानी तालिबान पन्द्रह हजार डालर दिहले रहुवे एक काम खातिर. ऊ अपना पर लगावल दसो आरोपके सकार लिहले बा. एह प्लीड गिल्टी से शायद ओकरा कम सजा मिले.

क्वीन्स बैटन २५ जून के हिन्दुस्तान में प्रवेश करी

कॉमनवेल्थ गेम खातिर चलल क्वीन्स बैटन रिले २५ तारीख के पाकिस्तान से भारत में प्रवेश करी. वाघा बोर्डर पर पाकिस्तान के ओलम्पिक एसोसिएशन के अध्यक्ष सैयद आरिफ हुसेन भारत के ओलम्पिक एसोसिएशन अध्यक्ष सुरेश कलमाडी के सँउपीहे. ओकरा बाद ऊ बैटन पूरा देश घूमत अक्टूबर में दिल्ली चहुँपी.

फीफा वर्ल्ड कप

फीफा वर्ल्ड कप में अब तक आठ गो देश के बाहर होखल तय हो गइल बा. एह में फ्रांस, नाइजीरिया, अल्जीरिया, आस्ट्रेलिया, कैमरुन, स्लोवाकिया, उत्तर कोरिया, आ होण्डूरास के नाम बा. आठ गो अउरी देश बाकी मैचन में छाँट दिहल जइहे आ सोलह गो टीम तब नाकआउट दौर में चहुँपी. आज मैक्सिको के उरुग्वे से, फ्रांस के दक्षिण अफ्रीका से, आ ग्रीस के अर्जेण्टिना से मैच होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up