टटका खबर, मंगल ३० मार्च

by | Mar 30, 2010 | 0 comments

जेल अपराधियन के किला बन गइल बा
यूपी का जेल में बन्द अपराधी ओहिजे से आपन अपराध साम्राज्य चलावत बाड़े आ प्रशासन या त मूकदर्शक बनल रहेला या खुलेआम संरक्षण देबेला ओह अपराधियन के. उरई जेल में भइल संघर्ष का बाद लीपापोती का प्रायस में काल्हु पूरा प्रदेश के जेलन पर छापामारी के खानापूरी कइल गइल. कहीं कवनो गड़बड़ी ना मिलल. आल इज वेल!
कई साल से एके जिला में जमल सिपाहियन के तबादला आदेश
कई साल से एकही जिला में जमल सिपाही अब नया ठिकाना पर बेजल जइहें. राज्य सरकार के एह फैसला का बाद हर जगह पुलिस विभाग में हड़कम्प मचल बा. बलिये में करीब साढ़े सात सौ सिपाही एह फैसला का चलते दोसरा जिला भेजल जइहें. ढेर दिन से एके जगह जमल सिपाहियन के तानाबाना लोकल अपराधियन से जुड़े लागेला आ दुनु एक दोसरा के संरक्षण देबे लागेलें. अब ऊ लोग आपन तबादला रोकवावे खातिर कोर्ट का शरण में जाये लागल बा.
गाजीपुर में नाव पलटला से दू जने डूब गइलें
भाँवरकोल थाना के  मुबारकपुर गाँव का लगे काल्हु एगो  नाव पलट गइल जवना से शेरपुरकलां के दू गो आदमी डुब गइलें. बाकी बारह जने या त पवँड़ के बाहर निकल अइलें या दोसर लोग बचा लिहल. बाकी दू जने डूब के दहा गइलें आ ओह लोग के लाशो ना मिल पावल.
विधायक यशपाल रावत के गिरफ्तारी खातिर छापामारी
गोरखपुर के एगो ठीकेदार के हत्या का मामिला में सहजनवा के निर्दलीय विधायक यशपाल रावत के गिरफ्तारी खातिर पुलिस छापामारी हो रहल बा बाकिर विधायक जी भेंटात नइखन. कहल जा रहल बा कि बीसियो साल से विधायक आ ठीकेदार का बीचे पारिवारिक दुश्मनी चलत आइल बा आ ओहि के परिणति एह हत्या में भइल बा.
भोजपुरी महोत्सव स्थगित
३ आ ४ अप्रेल के छपरा में होखेवाला अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव स्थगित हो गइल बा. एकर कारण बतावल गइल बा कि मारीशस सूरीनाम में अप्रेल मई में चुनाव होखे जा रहल बा जवना चलते ओहिजा के राजनेता एहमें अबही शामिल ना हो पवतें. आयोजक लोग का बइठक में छपरा में अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी विश्वविद्यालय के स्थापना पर विचार भइल आ जेपी विश्वविद्यालय से माँग कइल गइल कि भोजपुरी के पढ़ाई एही साल से शुरु कर दिहल जाव.
माओवादी प्रचन्ड कपालभाति कइलन
योग शिक्षा के विरोधी रहल माओवादी नेता कमल दहल प्रचण्ड योगगुरु बाबा रामदेव का काठमाण्डू शिविर में शामिल भइलें आ कपालभाति आ प्राणायाम सिखलन. बाद में कहलन कि योग साधना सामाजिक रुपान्तर मे् मददगार हो सकेला. बाबा रामदेव कहले बाड़े कि योग आ माओवाद के मिलन से दुनिया में शांति आ समृद्धि आई.
सिवान चीनी मिल में बमबारी
अतवार का रात एसकेजी सुगर मिल में चोरी करे घुसल बदमाश गार्डन के हल्ला कइला पर ताबड़तोड़ बम विस्फोट कइलें जवना से एगो गार्ड घवाहिल हो गइल. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया आ खोजी कुत्ता लगा के हमलावरन के चिन्हे के कोशिश करत बिया. बाकिर अबले कवनो परिणाम सामने नइखे आइल.
अमिताभ बच्चन का समर्थन में खुल के आइल भाजपा
गुजरात के पर्यटन ब्राण्ड एम्बेसडर बने वाला अमिताभ बच्चन का पाछा कांग्रेसी हाथ धो के पड़ल बाड़े त भाजपा खुलेआम उनका समर्थन में आ गइल बा. नरेन्द्र मोदी कहलें कि तालिबानी मनोवृति के लोग बिग बी के आलोचना कर रहल बा. कहलन कि गुजरात का विरोध में आपन बुद्धि हेरा देबे वाला लोग काल्हु अमूल दूध मक्खन, भा निमको खाये पर रोक लगावे के बात कर सकेलें काहे कि ई सब गुजरात से आवेला.
मास्को मेट्रो पर आतंकी हमला में सैंतीस के मौत
चेचन्या के मजहबी आतंकवादी काल्हु मास्को मेट्रो पर आत्मघाती हमला कर दिहलें जवना से कम से कम सैंतीस आदमी के जान चल गइल. मेट्रो पर ई हमला छह साल का बाद भइल बा. अबले कवनो संगठन एकर जिम्मेदारी नइखे सकरले बाकिर रुस के संघीय सुरक्षा सेवा के संदेह बा कि एकरा पाछे चेचन्या के आतंकवादी हो सकेलें.
सानिया मिर्जा के निकाह शोएब मलिक से
पाकिस्तानी टीवी चैनल जियो का रिपोर्ट में कहल गइल बा कि भारत के टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के सगाई पाकिस्तान के क्रिकेट खिलाड़ी शोएब मल्लिक से हो गइल बा आ अप्रेल में दुनु के निकाह हो जाई. शोएब एकरा पहिलहू हैदराबाद के एगो लड़की का साथ फोन पर निकाह कइला का चलते चर्चा में आइल रहलें. चैनल का मुताबिक वलीमा १६ बा १७ अप्रेल के लाहौर में होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up