टटका खबर, मंगल, ६ जुलाई

by | Jul 6, 2010 | 2 comments

विपक्ष के भारत बन्द देश के धड़कन रोक दिहलसि

भाजपा आ वामपंथी दलन के आह्वान पर काल्हु के भारत बंद देश के अधिकतर इलाका में सगरी काम काज रोक दिहलसि. अपवाद चेन्नई रहल जहवाँ बन्द के कवनो असर ना पड़ल. जबकि सबले खराब हालत कांग्रेस शासित महाराष्ट्र के मुंबई के रहल. दिल्लीओ पूरा तरह से बन्द रहल. कांग्रेस तबो एह हड़ताल के फ्लाप शो बतवले बिया. शायद ओकरा बुझाला कि देश के लोग मतिसुन्न हऽ जेकरा कुछ लउके सुनाव ना.

भारत बंद का बाद अब संसद बन्द

भारत बन्द के मिलल जोरदार जनसमर्थन से ईय्साहित राजग संयोजक शरद यादव एह लड़ाई के अब संसद का भीतर ले जाये के बात कहले बाड़न. भाजपा उनकर समर्थन कइले बिया आ कहले बिया कि पहिला दिने संसद ठप्प कर दिहल जाई. बाद के फैसला सगरी दलन से विचार का बार तय होखी. सरकार ओने आपन सेकूलर कार्ड खेलल शुरु कर दिहले बिया . ऊ एहग पर कटाक्ष कइले बिया कि वामपंथ कइसे भाजपा का साथे खड़ा हो गइल.

संघ के निर्दैश से भाजपा के फायदा मिलल

भारत बन्द का मामिला में उहापोह में पड़ल भाजपा के संघ स्पष्ट निर्देश दिहले रहुवे कि ओकरा भारत बंद के नेतृत्व करे के चाहीं. काल्हु का बंद में भाजपा सबले आगा रहल आ एकर मनोवैज्ञानिक असर पड़ल कि सबका लागत बा कि ई बन्द भाजपा के आहूत रहूवे. सच्चाई त इहे बा कि बन्द के आह्वान गैर कांग्रेसी गैर भाजपा दल कइले रहन बाकिर माहौल देख के भाजपा सबसे आगा खड़ा हो गइल. मामिला के नजाकत देख बाकी दल चुप लगा गइले.

रचनात्मक नेतृत्व पैदा करें मुसलमान

भारत के पूर्व राष्ट्रपति अब्दुल कलाम साहब कहले बानी कि देश के मुसलमानन के अपना में हीन भावना ना आवे देबे के चाहीं आ अल्पसंख्यक होखे के मनोवृति छोड़ के रचनात्मक नेतृत्व पैदा करे के चाहीं. ई नेतृत्व अइसन होखे जवन कमाण्डर का तरह ना हो के कोच का तरह के होखे आ अपना पूरा समाज के उत्प्रेरित करे. ऊ काल्हु राष्ट्रीय अल्पसंख्यक आयोग के एगो कार्यक्रम के संबोधित करत रहनी.

नक्सली इलाका में सेना के बहाली जरुरी नइखे

नक्सल प्रभावित इलाका के दौरा पर गइल केन्द्रीय गृह सचिव जी के पिल्लई कहले बाड़न कि अबही अइसनका कवनो जरुरत नइखे कि सेना के नक्सल प्रभावित इलाका में बहाल करे के पड़े. केन्द्रीय सुरक्षा बल आ राज्यन के पुलिस बेहतर तालमेल का साथे एह काम में लागल बाड़े. ओह इलाकन में विकास के काम तेज करे के जरुरत बा.

जेनरल सेल्स टैक्स सिस्टम लागू करे में लागल केन्द्र

केन्द्र सरकार के योजना बा कि अगिला पहली अप्रेल से देश भर में जीएसटी सिस्टम लागू कर दिहल जाव. एह काम में सबले बड़हन बाधा राज्य सरकार डालत बाड़ी सँ. ऊ लोग ई प्रणाली लागे का बाद होखे वाला नुकसान के भरपाई चाहत बाड़े. ई प्रणाली लागू भइला का बाद कई तरह के कर खतम हो जइहें सँ आ राज्य सरकार एहीसे चिन्तित बाड़ी सँ.

पवार के पर कतरे के मौका मिलल

केन्द्रीय कृषि मंत्री शरद पवार काल्हु खुदे प्रधानमंत्री से भेंट कर के आपन जिम्मेदारी कम करे के निहोरा कइलन. बिलाई का भाग से सिंकहर टूटल वाला अंदाज में कांग्रेस के मौका मिल गइल बा उनकर पर कतरे के. पवार अपनहू अब क्रिकेट के दुनिया सम्हारल चाहत बाड़े. उनका लगे अबही तीन गो मंत्रालय, कृषि, खाद्य, आ उपभोक्ता मामिला बा. अनुमान लगावल जा रहल बा कि काद्य आ सार्वजनिक वितरण उनका से ले लिहल जाई.

देश का अधिकतर हिस्सा में मानसून चहुँपल

काल्हु देश का अधिकतर हिस्सा में मानसून चहुँप गइल. छूट गइल बा त बस पूर्वांचल आ बिहार के अधिकतर इलाका. काल्हु दिल्ली, राजस्थान, पंजाब, हरियाणा, उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश में जोरदार बरखा पड़ल. काल्हु का एह बरखा से देश के कई इलाका में कुल मिला के दस आदमी के जान चल गइल.

बॉबी फिशर के लाश कब्र से निकालल गइल

जनवरी २००८ में ६४ साल का उमिर में मरल अमेरिका के मशहूर शतरंज खिलाड़ी बॉबी फिशर के शव अदालत का आदेश पर कब्र से निकालल गइल बा आ ओकर डीएनए टेस्ट करावल जाई. बॉबी फिशर के संपत्ति के चार गो दावेदार बाड़न आ इहे झमेला निबटावे खातिर ई टेस्ट करावल जा रहल बा. एगो फिलिपिनी महिला दावा कइले बिया कि ओकर नौ साल के बेटी के बाप फिशर रहले. एगो अउरी जापानी महिला अपना के बाबी फिशर के बीबी होखे के दावा कइले बिया.

खेल का दुनिया से

फीफा के विरोध का बाद नाइजीरिया सरकार अपना फुटबाल टीम पर प्रतिबन्ध लगावे के आदेश वापिस ले लिहले बिया. सहारा अपना पुणे टीम के कोच का रुप में आस्ट्रेलिया के क्रिकेटर आ कोच ज्याफ मार्श के बहाल कइले बिया. हमबर्ग मास्टर टूर्नामेंट में भारत के हॉकी टीम जर्मनी से हार गइल. आ आज फीफा के पहिलका सेमीफाइनल नीदरलैण्ड आ उरुग्वे का बीच.

Loading

2 Comments

  1. Amit Bhojpuria

    Pawan jee ek dam theek kahni rauaa…

    Sampadak jee, Hum hamesha raur website visit kari la. aaur ab raur website ke tarraki ho rahal ba. hamra ab website visit kare me accha lage la. rauaa le niroh ba ki faaltu faaltu news na daalal jaao..

    eh le ki jab hum lekhu ke batayi la raaur website ke baare me ta hamra sankoch na hoye ke chahi ki, na hum na bataim na ta uija ke kauno kharab news padh ke humar bejjti mat hooo jaye …

    e website raaur na hauee nu ?? e ta humni khatir, aaur humni ke website hauee..

    aasha ba ki rauaa eh chot bhojpuria ke badd ummid ke kaayam rakham.

    Amit Bhojpuria

  2. pawan

    Sampadk Ji pranam

    anjoria dekhi ke ab bahute neek lagat ba ki rauwa bhojpuri filaim udhog ke kachra samacharn ke parkashn kam kai dehle bani. rauwa se nihora ba ki rauwa ager filim ke kuch achha news ba okre ke lagai. bakwash super star logn ke news padhla me humni ke kauno intrest naikhe.

    bhojpuri me aisan safsudhra khaber ke sange website chalwla khatir raur dhanybaad

    pawan

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up