टटका खबर, मंगल, ८ जून

by | Jun 8, 2010 | 0 comments

डुमरियागंज विधानसभा उपचुनाव में भाजपा दूसरा नम्बर पर

डुमरियागंज विधानसभा सीट के उपचुनाव में बसपा के जीत त तय रहे बाकिर दूसरा जगहा पर के रही ई देखे लायक रहे. पिछला बेर दूसरा जगहा पर रहल सपा चउथा जगहा पर चल गइल. डा॰अयूब के पीस पार्टी के मौजूदगी सबकर आकलन खराब कर दिहलस आ तीसरका जगहा पर रहल. ई सीट बसपा के मलिक तौफीक अहमद का मौत से खाली भइल रहे आ अब बसपे के खातून तौफीक ओहिजा के विधायिका चुन लिहल गइली.

जमशेद अशरफ पार्टी आ विधानसभा से इस्तीफा दिहले

बिहार के पूर्व उत्पाद आ मद्य निषेध मंत्री जमशेद अशरफ आखिरकार जदयू के सदस्यता आ विधानसभा सीट से इस्तीफा भेज दिहले. उनकर आरोप बा कि डा॰एजाज अली का सीट पर कवनो अल्पसंख्यक के टिकट ना दे के जदयू ओकरा से धोखा कइले बा. इहो कहलन कि अपना विभाग के घोटाला के जाँच करावे के माँग कइलन त उनकरे कुर्बानी दे दिहल गइल. जदयू से उनकर इस्तीफा मान लिहल गइल बा. पार्टी के बयान आइल बा कि व्यावहारिक रुप से ऊ पार्टी से पहिलही नाता तूड़ चुकल रहले.

पेट्रो उत्पाद के दाम बढ़ावे के कोशिश नाकाम रहल

राकांपा के शरद पवार आ तृणमूल के ममता बनर्जी का गैर हाजिर रहला का चलते प्रणव मुखर्जी के अध्यक्षता वाला मंत्री समूह कवनो फैसला ना ले सकल. सरकार पूरा कोशिश में बिया कि पेट्रोलियम मूल्य पर सरकारी नियन्त्रण हटा लिहल जाव आ ओकर दाम बाजार का भरोसे छोड़ दिहल जाव. बतावल जात बा कि कांग्रेस पार्टीओ सरकार के तर्क से सहमत नइखे. ओकरो अपना जनसमर्थन में होखे वाला नुकसान के अनेसा बा. ममता त खुलेआम एकरा विरोध में बाड़ी, बाकिर शरद पवार मुंबई में अस्पताल में भरती रहला का चलते ना आ पवले.

नगरपालिका चुनाव में ई वोटिंग के अनुमति मिलल

गुजरात सरकार अपना इहां होखे वाला नगरपालिका चुनाव खातिर इंटरनेट भा मोबाइल से वोट देबे के अनुमति दे दिहलस. बस जिला कलेक्टर भा निर्वाचन अधिकारी का सामने एगो फार्म भरे के पड़ी. मतदान केन्द्रो पर जा के लोग वोट दे सकी. कांग्रेस एह फैसला के अलोकतांत्रिक बतवले बिया काहे कि एहसे चुनाव के गोपनीयता खतम हो जाई आ वोट खरीदल बेचल शुरु हो जाई.

सुपर ३० में शामिल होखे खातिर पूर्वांचल के मौका

आईआईटी में प्रवेश दिलवावे खातरि मशहूर बिहार के सुपर ३० प्रमुख आनन्द कुमार कहले बाड़न कि १३ जूनके गोरखपुर में, २२ जून के कानपुर में, आ २७ जून के बनारस में प्रवेशपरीक्षा लिहल जाई जवना में कवनो राज्य के गरीब परिवार के विद्यार्थी शामिल हो सकेले. एह साल से सुपर तीस में साठ गो विद्यार्थियन के प्रवेश लिहल जाई आ ओह लोग के कोचिंग का दौरान रहे खाये पढ़े के सगरी खरचा कोचिग उठाई. सुपर ३० अपना शत प्रतिशत रिजल्ट का चलते चर्चा में रहेला.

प्रधानमंत्री का उड़ान का चलते दिल्ली हवाई अड्डा करीब पौन घंटा ले बन्द रहल

प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के श्रीनगर यात्रा खातिर दिल्ली के हवाई अड्डा पीक समय में पौन घंटा तक दोसरा हवाई जहाजन खातिर बन्द रहल. सबेर दस से साढ़े दस का बीच २७ गो आगमन होखे वाला रहे जवना में अधिकतर के इन्तजार करे के पड़ल आ सात गो आगमन के डायवर्ट कर दिहल गइल. ऊ हवाई जहाज जयपुर भा अमृतसर में उतारल गइल. हवाई कंपनी पू्व जानकारी के मांग करे ली सँ जवना के सुरक्षा कारण से ना दिहल जा सके.

अब नेशनल एकाडेमिक डिपाजिटरी बनी

शेयर सर्टिफिकेट के डीमैट कइला का बाद होखे वाला सुविधा से सीख लेत केन्द्रीय मानव संसाधन विभाग अब नेशनल एकाडेमिक डिपाजटरी बनावे के योजना बनावत बिया. सगरी विद्यालय आ विश्वविद्यालय अपना विद्यार्थियन के शैक्षणिक प्रमाणपत्र ओकरा किहाँ जमा कर दीहें. जब कवनो विद्यार्थी के जरुरत पड़ी आपन प्रमाणपत्र ओह डिपाजिटरी से ले सकी. एह योजना का बाद सर्टिफिकेटन में होखे वाला फर्जीवाड़ा खतम हो जाई.

आईपीएल घोटाला का चलते शरद पवार के इस्तीफा खातिर दबाव

भाजपा, शिवसेना, आ माकपा पूरा जोर लगवले बाड़े कि प्रधानमंत्री अपना मंत्रीमण्डल से शरद पवार के हटा देस अगर ऊ इस्तीफा नइखन देत. कांग्रेस तय कइले बिया कि एह पचड़ा में ऊ ना पड़ी आ शरद पवार क४ पार्टी एह समस्या से अपने निबटे.

शेयर बाजार धराशायी, रुपया के दाम गिरल

काल्हु शेयर बाजार में ३३७ अंक के गिरावट भइल, रुपिया के दाम में ४६ पइसा के कमी हो गइल. बाकिर एह सब का बीच आरकाम के शेयर में पौने पाँच फीसदी के इजाफा भइल. दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि म्यूचुअल फंड के चार लाख निवेशक कम हो गइल बाड़े.

एशिया कप टीम से युवराज के बाहर राखल गइल

सचिन तेंदुलकर त अपने इच्छा जाहिर कइले रहले कि उनका के एशिया कप में शामिल ना कर के आराम करे के मौका दिहल जाव बाकिर खराब प्रदर्शन करे का चलते युवराज सिंह के नइखे राखल गइल. युसुफ पठानो के बाहरे राखल गइल बा. टीम के कप्तान धोनी, उपकप्तान सहवाग रहीहें. बाकी टीम में गौतम गंभीर, विराट कोहली, सुरेश रैना, रोहित शर्मा, रविन्द्र जडेजा, हरभजन सिंह, प्रवीण कुमार, जहीर खान, आशीष नेहरा, प्रज्ञान ओझा, असोक ढिंढा, आर अश्विन आ सौरभ तिवारी के शामिल कइल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up