टटका खबर, शनिचर, १० अप्रैल

by | Apr 10, 2010 | 0 comments

गृहमंत्री इस्तीफा पेश कइलें बाकिर कुबूल ना भइल

दंतेवाड़ा में भइल नक्सली हमला के नैतिक जिम्मेदारी लेत गृहमंत्री पी चिदम्बरम प्रधानमंत्री के आपन इस्तीफा पेश कर दिहलन जवना के सकारल ना गइल. कहल जात बा कि कांग्रेसे में उनका खिलाफ फुसुरफुसुर होत रहे जवन इस्तीफा के बात सुन के रुक गइल. बाद में पार्टी एकर वाहवाही लूटे में लाग गइल. विपक्ष कहले बा कि अबहीं इस्तीफा आ राजनीति के समय नइखे. जरुरत बा एक जुट होके नक्सलियन के सफाया के काम करे के.

बलिया में बीडीओ घूस लेत गिरफ्तार

मनरेगा के भुगतान करे खातिर एगो ठीकेदार से पन्द्रह हजार रुपिया घूस लेत बेलहरी ब्लाक के बीडीओ पी एन मिश्रा के रंगेहाथ गिरफ्तार कर लिहल गइल. गिरफ्तारी के ओ भरपूर विरोध कइलें जवना में उनकर मकान मालिको, जे बेलहरिये ब्लाक में एडीओ बाड़े़ शामिल रहलें. प्रशासन उनको खिलाफ कार्रवाई करे पर सोच रहल बा. मिश्रा के कहनाम बा कि उनुका के झूठ फँसावल जा रहल बा.

नक्सली हमला में बाप बेटा के मौत

रोहतास जिला के चेनारी थाना के केनार खुर्द गाँव में हमला बोल के माओवादी बदन सिंह का घर में घुस गइलें आ बदन सिंह आ उनका बेटा विश्वम्भर सिंह कुशवाहा के गोली मार दिहलें. जमीन का चलते बदन आ उनका सौतेला भाई संदेश कुमार से झगड़ा रहुवे. संदेश बाद में नक्सली गिरोह में शामिल हो गइल रहे आ ओकरे कहला पर ई हमला होखे के बात कहल जा रहल बा.

घर में मगरमच्छ घुसल

पश्चिमी चंपारण के पिपरासी पंचायत के परसौनी गाँव में बियफे के रात एगो मगरमच्छ घर में घुस गइल. ऊ एगो लड़िका के अपना चपेट में लेबे चहलस तबले लोग के नींद टूट गइल आ भाग के लोग आपन जान बचावल. बाद में गाँव के लोग लाठी डंडा लेके ओह मगरमच्छ के बगल का नाला में भगा दिहल. दू हफ्ता पहिलहू ओही घर में मगरमच्छ घुसल रहे त ओकरा के पकड़ के वन विभाग के दे दिहल गइल रहे. विभाग ओकरा के गंडक में छोड़ दिहलस.

हथुआ राज के लखरांव बाग के गेंहू प्रशासन कटववलसि

हथुआ राज के १९२ एकड़ में पसरल लखरांव बाग का जमीन पर माले वाला कब्जा कर लिहले रहुवन सँ. प्रशासन तब ओह जमीन पर निषेधाज्ञा लगा दिहले रहे. ओह जमीन पर खड़ा गेंहू के फसल के शुक का दिने भारी पुलिस बन्दोबस्त में कटवा के मुख्यालय भेज दिहल गइलल जहाँ ओकरा के बेच के ओकर पैसा ट्रेजरी में जमा करे के आदेश डीएम दिहले रहलें.

छपरा में शुरु भइल खेल प्रतियोगिता

छपरा के जेपी विश्वविद्यालय में अंतर विश्वविद्यालय क्रीड़ा महोत्सव के काल्हु विधिवत शुभारंभ कइल गइल. चार दिन चले वाला एह कार्यक्रम में बिहार के विश्वविद्यालयन के खिलाड़ी आपन प्रतिभा देखइहें आ प्रतियोगिता करीहें. पहिला दिने भागलपुर विश्वविद्यालय के पलड़ा भारी रहल.

ट्रेन में छेड़खानी करे वाला सेना के जवान गिरफ्तार

जम्मूतवी से गोहाटी जाये वाली लोहित एक्सप्रेस का एसी थ्री टायर बोगी में सेना के जवान जकवीरुन हक अपना परिवार का साथे न्यू जलपाईगुड़ी जात रहे. ओही बोगी में सवार दोसर जवान वैशाली के रविरंजन सिंह शराब का नशा में हक का बेटी का साथ छेड़खानी करे लागल. ओकरा के ठीक से रहे के कहल गइल बाकिर ऊ ना मानल त छपरा जीआरपी में शिकायत कर के ओकरा के गिरफ्तार करवा दिहल गइल.

भयंकर अगलगी में दू बच्ची जल मरली स

बलिया हल्दी थाना के गायघाट में काल्हु लागल आग में दू गो छोट छोट बच्ची जिंदे जल गइलीं सँ, करीब अढ़ाई सौ परिवार एह अगलगी से बेघर हो गइल बा. दर्जन भर से बेसी मवेशिओ एह आगका चपेट में आ के झँउस गइल बाड़े. एक घंटा बाद चहुँपल दमकल के कई घंटा लागल आग बुतावे में. एह मौसम में गरमी आ पछुआ बयार का चलते हर इलाका हर जिला से आग से होखे वाला नुकसान के खबर आ रहल बा.

सानिया मिर्जा के सितारा गर्दिश में चलल शुरु

पाकिस्तानी खिलाड़ी से ओकरा पहिलका बीबी के लताक दिलवा के ओकरा से शादी करे जा रहल भारत के टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के ब्रांड वैल्यू में जोरदार गिरावट आइल बा. कबर बा कि कैडबरी अब अपना विज्ञापन में सानिया के इस्तेमाल बन्द कर दिहले बा. बाकियो प्रायोजक धीरे धीरे कन्नी काटल शुरु कर दिहले बाड़े.

परसो के टूटल बाजार काल्हु पलटी मार दिहलस

ग्रीस में आवे वाला आर्थिक संकट का अनेसा में बियफे का दिने दुनिया भर के बाजार टूट गइल रहे आ ओहि झोंक में भारतो के शेयर बाजार आ गइल रहे. बाकिर काल्हु निवेशक फेर तेजी से लवटलें आ सेंसेक्स २१९ अंक चढ़ के बन्द भइल. परसो ई २५५ अंक टूटल रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up