टटका खबर, शनिचर, १२ जून

by | Jun 12, 2010 | 0 comments

सिवान से मैरवा जात पिकअप वैन पलटला से तीन जने के मोत

सिवान से मैरवा जात एगो पिकअप वैन शुक का सबेरे नौ बजे जीरादेई का मछरिया मोड़ लगे पलट गइल. दुर्घटना अगिला चक्का फटला से भइल जवना का बाद वैन पलट गइल आ दू आदमी के ओहिजे मौत हो गइल. एक आदमी के मौत अस्पताल में इलाज का दोरान भइल. दुर्घटना के जानकारी मिलते सिवान जिला भाजपाध्यक्ष प्रो॰अभिमन्यु सिंह अपना सहयोगियन का साथ अस्पताल चहुँपलन आ घवाहिलन के हाल चाल जनलन.

लालू प्रसाद आपन जनमदिन मनवलन

काल्हु लालटेन के आकार वाला केक काट के लालू प्रसाद आपन ६३वाँ जनमदिन मनवलन आ लोग के भोज दिहलन. मौका पर रामविलास पासवानो मौजुद रहले. केक खात खिआवत लालू के अपना चेला श्याम रजक के याद आ गइल आ कहलन कि पता ना के के उनकर केक खा के दोसरा पार्टी में चल जाला. बतवलन कि एक बेर उनका जनमदिन पर राबड़ी देवी श्याम रजक के केक खिअवली आ ऊ दोसरा दल में चल गइलन. हो सकेला कि श्याम के ओकर स्वाद नीक ना लागल होखे.

महाराष्ट्र में कांग्रेस मनसे के सहयोग लिहलस

यूपी बिहार के लोग के दुश्मन बनल मनसे के राज ठाकरे से हिन्दी भाषियन के समर्थन पावे वाली कांग्रेस पार्टी विधानपरिषद चुनाव में सहयोग लिहले बिया आ एह बात के आलोचना बिहार में हो रहल बा. खासकर के भाजपा एह बात के मुद्दा बनावे के फेर में बिया.

पटना में बस भगवा रंगे लउकत बा

भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी का बईठक का चलते पटना के भगवा झंडा, बैनर, पोस्टर से पाट दिहल गइल बा. काल्हु अतवार के होखे वाला राष्ट्रीय स्वाभिमान रैली के सफल बनावे खातिर संघ के सगरी आनुसांगिक संगठन कमर बान्ह के लाग गइल बाड़े. राष्ट्रीय नेता लोग पटना चहुँप रहल बा, नरेन्द्र मोदी आजु आवे वाला बाड़न. काल्हु के रैली पर सबके नजर रही काहे कि का्लहु नरेन्द्र मोदी के भाषण होखे वाला बा.

निशाना पर आ गइल बाड़न अर्जुन सिंह

यूनियन कार्बाइड के वारेन एंडरसन के फर्जी जमानत पर रिहा करा के सरकारी जहाज से भगावे का आरोप में अर्जुन सिंह सबका निशाना पर आ गइल बाड़न. भाजपा त भाजपा कांग्रेसो उनका पर निशाना साध रहल बिया. काहे कि अगर अर्जुन सिंह के दोषी ना करार दिहल गइल त सगरी दोष राजीव गाँधी पर आ जाई. राजीव गाँधी के पूर्व प्रधान सचिव पीसी अलेक्जेंडर कहत बाड़न कि एंडरसन के रिहा करावे में राजीवो गाँधी के हाथ रहुवे.

दस लाख के ग्रेच्युटी पर इन्कम टैक्स ना लागी

पिछला संसद सत्र में ग्रेच्युटी के सीमा साढ़े तीन लाख से बढ़ा के दस लाख कर दिहल गइल रहे. बाकिर असमंजस बनल रहुवे कि एह पर आयकर लागी कि ना. अब आयकर विभाग एलान कइले बा कि कर्मचारी हित देखत ग्रेच्युटी के पूरा राशि इन्कम टैक्स से मुक्त रही.

जेल का दिवाल में सेंध लगा के कैदी फरार

भदोही जेल का दीवाल में सेंध मार के टीवी लूट कांड में विचाराधीन कैदी भाग निकलल. आरक्षी ड्यूटी बदले का समय प्रशासन के एकर भनक लागल त पगली घंटा बजा के कैदियन के हाजिरीलिहल गइल त कैदी भगला के पता चलल. दीवाल में सेंध का जगहा पर रॉड आ खरपा बरामद भइल बा. भदोही जेल से कैदी भागे के ई चउथा घटना ह.

मुकेश अंबानी इंफोटेल खरीदले

दुनु भाईयन का बीच प्रतियोगिता पर लागल बंधन आपसी समझौता से खतम भइला का बाद मुकेश अंबानी इंफोटेल के करीब पाँच हजार करोड़ में खरीद लिहलन. इंफोटेल हाल में ब्राडबैंड एसेस स्पेक्ट्रम खरीदे खातिर सबसे बड़हन बोली लगवले रहुवे. एह नया सौदा का बाद दुनु भाई टेलीकम्युनिकेशन का क्षेत्र में आ गइल बाड़े. एगो दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि कैंबे बेसिन में मुकेश अंबानी के कंपनी के तेल के एगो अउरी भण्डार मिल गइल बा जवना से चार सौ बैरल तेल के उत्पादन रोज हो सकीस.

भोजपुरी गायिका हुसिला देवी अपना पूर्वजन का गाँव आइल बाड़ी

मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगन्नाथ के साली हुसिला देवी उर्फ प्रतिभा आजुकाल्हु गोपालगंज प्रवास पर आइल बाड़ी. हुसिला देवी बतावत बाड़ी कि भोजपुरी आजुवो मारीशस का लोगन का आत्मा में रचल बसल बा आ ओहिजा के भोजपुरी गीतन में फूहड़पन भा अश्लीलता जगहा नइखे बनवले. आजुवो भोजपुरी गीतन में ऊ लोग अपना पूर्वजन के संघर्ष गाथा याद करेला लोग.

फीफा वर्ल्ड कप के दुनु मैच काल्हु बरोबरी पर छूटल

फीफा वर्ल्ड कप के काल्हु के दुनु मैच ड्रा पर छूटल. दक्षिण अफ्रीका आ मैक्सिको का मैच में दक्षिण अफ्रीका के शाबलाला पहिलका गोल दाग के एह वर्ल्ड कप के पहिला गोल कइले बाकिर मैक्सिको के मारक्वेज तुरते एगो गोल कर के मैच बराबर कर लिहलस. फेर केहू गोल ना कर पावल. दोसरा मैचमें फ्रांस आ उरुग्वे के मैचो बिना कवनो गोल के बराबरी पर खतम भइल. आजु तीन गो मैच होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up