टटका खबर, शनिचर, १७ जुलाई

by | Jul 17, 2010 | 0 comments

रसूलपुर पुलिस जटा सिंह के गिरफ्तार कइलसि

छपरा जिला के कुख्यात अपराधी जटा सिंह के लाकठ छपरा में विपिन सिंह का घर से परसो रात गिरफ्तार कर लिहल गइल. सिवान पुलिस के अपना मुखबिरन से ओकरा बारे में पता चलल त तुरते रसूलपुर पुलिस से संपर्क साध के राते में छापा मार दिहलसि. रघुनाथपुर थाना के कोसिला गाँव के रहे वाला जटा सिंह पर छपरा सिवान गोपालगंज जिलन के अलगा अलगा थाना में कई गो केस दे्र्ज बा. ओकरा लगे से एगो इंगलिश कार्बाइन, बंदूक, कई दर्जन कारतूस आ एगो स्कार्पियो गाड़ी बरामद भइल बा.

तत्काल आरक्षण करावे के समय में बदलाव

यात्रियन के सुविधा खातिर रेलवे तत्काल आरक्षण के समय बदले जा रहल बा. तत्काल बुकिंग अब सबेरे दस बजे से शुरु होखी आ रेलवे के बुकिंग एजेन्ट रोज शुरु के एक घंटा आ तत्काल बुकिंग शुरु होखा का दिनो पहिला घंटा में साइट ना खोल पइहें जेहसे कि आम यात्री के ई सुविधा मिल सकी.

४८ गो शादी एके दिन एके मण्डप में

पटना के माँ वैष्णो देवी सेवा समिति का तत्वाधान में आयोजित सामूहिक कन्या दान का योजना का तहत ४८ गो जोड़ा के शादी करावल गइल. समिति एह शादियन में सगरी व्यवस्था अपना तरफ से कइलस जेहसे कि गरीब अनाथ लड़कियन के शादी हो सके. बढ़िया से सजावल अलगा अलगा माड़ो, मण्डप, में एकहएक पुरोहित विधि बिधान से सगरी शादी करवले. एह शादी में घराती आ बराती दुनु तरफ के लोग के सेवासत्कार समिति बढ़िया से कइलसि. एह पावन अवसर पर भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह वर वधू के आशीर्वाद देबे खातिर मौजूद रहले.

पप्पू यादव के तलाश में पुलिस लागल

तीन मई के सुप्रीम कोर्ट से जमानत रद्द होखला का बाद से पूर्णिया के सांसद रहल पप्पू यादव फरार हो गइल बाड़े. पप्पू पर पूर्णिया के पाँच बार साँसद रहल अजीत सरकार के दिनदहाड़े हत्या करे के आरोप बा. पप्पू के गिरफ्तारी खातिर एगो खास पुलिस टीम बनावल गइल बा जेकर मुखिया एगो डीएसपी के बनावल गइल बा. अगल बगल के जिला पुलिस, नेपाल पुलिस, पासपोर्ट अधिकारियन के सचेत कर दिहल गइल बा. बाकिर अब ले त ऊ केनियो सरक गइल होखीहें.

नक्सलियन पर नजर राखे खातिर बिहार के दू गो हेलीकाप्टर मिलल

देश के नक्सल प्रभावित ४०० पुलिस थाना में से १०० अकेले बिहार में बा. अब बिहार पुलिस के दू गो हेलीकाप्टर नक्सलियन पर नजर राखे खातिर दिहल गइल बा. एगो गया आ रोहतास खातिर आ दुसरका जमुई, मुंगेर, आ लखीसराय खातिर. बिहार के ३९ गो अउरी थाना के संवेदनशील थाना के सूची में डाले पर विचार हो रहल बा. केन्द्र सरकार बिहार पुलिस के नक्सल प्रभावित थानन के आधुनिक बनावे खातिर २ करोड़ रुपया के सहायतो दिहल जाई. बिहार के अउरी केन्द्रीय बल दिहल जाई. अबही २३ कम्पनी केन्द्रीय बल बिहार में बा.

बाबू कुल रीति इहे चलि आइल फाइन दिआई बाकिर पान ना छोड़ाई

यूपी के सरकारी कार्यालन में पान खइला आ सिगरेट पियला पर रोक बा. पकड़इला पर हर बेर पचास से सौ रुपिया तक जुर्माना देबे पड़ेला. अब तक अकेले लखनऊवे में जुर्माना का तौर पर करीब एक लाख रुपिया वसूलल जा चुकल बा बाकिर बाबू लोग आपन लत छोड़े के तइयार नइखन. गनीमत अतने बा कि ई फाइन करे के आ वसूले के जिम्मेदारी तीसरा वर्ग के कर्माचारियन पर बा जे अपना सीनियर अधिकारियन के पकड़े के हिम्मत ना कर पावसु. इहो होला कि एक बेर फाइन देबे वाला अगिला दिन से अउरी जोर शोर से पानपेंटिंग करे लागेला.

चन्द्रबाबू नायडू आ बाकी नेता जमानत लेबे से इन्कार कइले

महाराष्ट्र पुलिस एगो अलगे मुसीबत में फँस गइल बिया. बभली बराज देखे खातिर आवत तेलगूदेशम नेता लोग के गिरफ्तार त कर लिहलसि. ओकरा अन्दाजा रहे कि जइसन अक्सर होखेला साँझ के ई नेता लोग जमानत ले के वापिस चल जाई बाकिर ऊ लोग जिद्द पर अड़ल बा कि बराज देखला बिना वापिस ना जाई लोग.

नशेड़ी जवान अॡना छह गो साथियन के जान लिहलसि

सीआरपी॓फ के एगो जवान राँची का सरायकेला जिला में शराब का नशा में धुत होके अपना साथियने पर बेमतलब गोली चलावे लागल. ओकरा फायरिंग से छह गो जवान के मौत हो गइल जवना में असिस्टेन्ट कमाण्डेंट बिसाहू सिंहो शामिल रहले. अन्त में मजबूरन दोसर जवान ओकरा के रात दू बजे गोली मार दिहलें. एह पूरा घटना के जाँच करावे के आदेश दिहल गइल बा.

भारतीयन से भेदभाव करे का आरोप में अमेरिका के एगो बिल्डर पर मुकदमा

अमेरिका के जस्टिस डिपार्टमेंट वाशिंगटन के समरहिल पैलेस के मालिक पर नस्ली भेदभाव के मुकदमा दर्ज करवले बा. एह आरोप में कहल गइल बा कि ओह अपार्टमेंट के मालिक आ ओकर प्रबन्धन भारतीयन का साथे भेदभाव करे ला. भारतीयन के अपार्टमेंट ना लिहल दीहे जाला, जे ले लिहले बा ओकर रहल मुश्किल कर दिहल जाला, ओकरा फ्लैट के सही रखरखाव ना कइल जाले. काश अइसने कवनो विभाग हिन्दुस्तानो में रहीत जहाँ अपार्टमेंट में मुसलमानन का खिलाफ खुला भेदभाव कइल जाला. अधिकतर बिल्डर ना चाहसु कि शुरुआत में कवनो फ्लैट कवनो मुसलमान खरीद लेव काहे कि ओकरा बाद बाकी फ्लैट बेचल मुश्किल हो जाला.

वीर कुँवर सिंह विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभाग के उन्नयन

आरा के वीर कुँवर सिंह विश्वविद्यालय में भोजपुरी विभाग के उन्नयन कर के ओकरा के भोजपुरी अकादमी आ शो केन्द्र के दर्जा दे दिहल गइल बा. एहिजा मारीशस से आवेवाला शोधार्थियन के शोध के सुविधा दिहल जाई. एह केन्द्र से दुनु देश के विद्वानन का बीच विचारन के आदान प्रदान सहज ढंग से हो पाई.

खेल का दुनिया से

सत्रह साल बाद भारत फेर कोशिश करी कि ऊ श्रीलंका में टेस्ट सीरीज जीत जाव. पिछला जीत ओकरा सतरह साल पहिले अजहर का नेतृत्व में मिलल रहे.

बेल्जियम का साथे तीसरका हॉकी टेस्ट मैच जीत के भारत सीरीज अपना नामे कर लिहलसि. तीन टेस्ट मैच का सीरीज में पहिलका मैच बराबरी पर छूटल रहे बाकिर बाद के दुनु मैच भारत बढ़िया से जीत गइल.

सोमदेव देववर्मन एप्टोस चैलेंजर का सेमीफाइनल में चहुँप गइल बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up