टटका खबर, शनिचर, ३ अप्रैल

by | Apr 3, 2010 | 0 comments

नक्सल विरोधी अभियान में सेना शामिल ना होखी

थल सेना प्रमुख विजय कुमार सिंह के कहनाम बा कि सेना नक्सली अभियान में शामिल ना होखी. कहलें कि नक्सली समस्या कानून व्यवस्था के समस्या हऽ आ राज्य के अधिकार क्षेत्र के विषय ह. कहलन कि राजनेता जानत बाड़न कि अपने देश के जनता के खिलाफ सेना के उपयोग से का गलत प्रभाव पड़ी. ओने नक्सली नेता किशनजी एगो पत्रकार से भेंट कर के साबित कइले बाड़न कि ऊ घवाहिलो नइखन जबकि पुलिस उनका मरला के खबर उड़ा दिहले रहे.

यूपी के शिक्षा मित्रन के लॉटरी खुल गइल

शिक्षा के मौलिक अधिकार बना दिहला का बाद हर राज्य में शिक्षकन के कमी हो गइल बा. हर तीस विद्यार्थी पर एक शिक्षक के मानक तय भइल बा जवना हिसाब से यूपी में अगिला तीन साल में साढ़े चार लाख शिक्षकन के बहाली करे के पड़ी. एह क्रम में पहिले १ लाख ५ हजार स्नातक शिक्षामित्रन के शिक्षक बहाल कर दिहला के फैसला भइल बा. अगिला चरण में ८३ हजार इन्टरो पास शिक्षामित्रन के शिक्षक बहाल कर लिहल जाई.

रुचिका साथे छेड़खानी करेवाला राठौर के पदक छीनाइल

राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल हरियाणा के पूर्व डीजीपी एस पी एस राठौर के दिहल पुलिस पदक वापसी पर आपन सहमति दे दिहले बाड़ी. एकरा बाद राठौर के मिलल पुलिस पदक छिन लिहल गइल. अपना ताकत का गुरुर में राठौर रुचिका साथे छेड़खानी कइले रहन आ बाद में ओकरा के आत्महत्या करे पर मजबूर कर दिहले रहन. मामिला में कोर्ट से सजा सुनावल गइल त आपन मूँछ अईँठत मुस्कुरात निकलल रहले राठौर.

भारत वायदा कर चुकल बा नाभिकीय क्षतिपूर्ति का बारे में

केन्द्र सरकार के फजीहत करावत अमेरिका कहले बा कि भारत नाभिकीय क्षतिपूर्ति विधेयक का बारे में वायदा दे चुकल बा आ अब ई ओकरा सरकार के देखे के बा कि एह मामिला के संसद में कइसे आगा बढ़ावे. एने सगरी विरोधी दल एह मुद्दा पर एकजुट बाड़े तबो सरकार विधेयक पारित करा लेबे के दावा करत बिया. परसो का सर्वदलीय बइठक में एहू पर चर्चा होखे वाला बा.

हैदराबाद के हालात अबहियो सामान्य नइखे भइल

महावीर जयन्ती पर निकलल शोभा यात्रा पर पथराव का बाद से बिगड़ल हैदराबाद के हालात सामान्य नइखे हो पावल. काल्हु जुम्मा का दिने लोग से अपील कइल गइल कि घरे में नमाज पढ़ लेव लोग. कर्फ्यू वाला इलाका में बाहरी आदमी के जाये नइखे दिहल जात. हैदराबाद में अब केन्द्रीय सुरक्षा बल के ३१ दस्ता कमान सम्हरले बाड़े.

ममता बनर्जी एगो टीवी चैनल का खिलाफ शिकायत दर्ज करवली

रेल मंत्री ममता बनर्जी एगो टीवी चैनल का खिलाफफ दिल्ली पुलिस का लगे आपन शिकायत दर्ज करवले बाड़ी कि ऊ चैनल जान बूझ के ममता बनर्जी के मोबाइल नम्बर बार बार प्रसारित कइलस जवना से उनका कामकाज में बाधा आ रहल बा आ उनका जानमाल के सुरक्षो पर खतरा आ गइल बा. दिल्ली पुलिस अबले मामिला दर्ज नइखे कइले काहे कि नम्बर प्रसारित कइल कवनो अपराध ना ह.

पाँच दिन में पाँच मकान

ना ना. रउरा गलत मत समुझीं. पांच दिन में केहू कतहीं पाँच गो मकान नइखे बना लिहले. खबर ई बा कि पाँच दिन में पाँच गो सरकारी मकान बिहार के नक्सली बम से उड़ा दिहले बाड़न सँ. एहमें से तीन गो त स्कूल भवन रहे, एगो थाना बवन, आ एगो मनरेगा भवन. एगो निजी कंपनी के दस गो वाहनो जरा दिहले बाड़े सँ. सरकार के विकास कार्य के विरोधी नक्सली ना चाहस कि ओकनी का इलाका के लोग पढ़ लिख लेव भा सरकारी योजना के फायदा ओह लोग तक चहुँप सके.

चोर चोरी से जाई तुम्बाफेरी ना छोड़ सके

अपना बयानन का चलते बेर बेर विवाद में आवेवाला विदेश राज्य मंत्री शशि थरुर फेर मुंह खोलले बाड़े आ अबकि आरोप लगवले बाड़न कि कुछ लोग उनका के नीचा देखा रहल बा. कहले बाड़न कि कुछ लोग के एही में आनन्द मिलेला कि दोसरा के मामर कइसे हेठ कइल जाव. कहलन कि ऊ चाहेलें कि भारत के राजनीति के स्वरूप बदले बाकिर एहिजा कवनो तरह के चर्चा के स्वागत ना होला.

पिछला हफ्ता सीमित दायरा में कारोबार कइलस शेयर बाजार

पिछला हफ्ता शेयर बाजार में कवनो बड़हन तेजी बा गिरावट देखे के ना मिलल. सप्ताह के पांच दिन का कारोबार में सेंसेक्स १७५२७ से १७७११ अंक का भिचे झूलत रहल. डॉलर में कमजोरी का बावजूद सोना के दाम में तेजी ना आइल बाकिर चाँदी के दाम लगातार बढ़त गइल आ २७ हजार के सीमा पार कर के नया शिखर बनावे का तरफ बढ़ चलल बा.

आईपी॓एल में खेल का बहाने शराब आ शबाब के जोर

दिल्ली के फिरोजशाह कोटला का मैदान में आईपीएल मैच का दौरान खुले आम शराब के बोतल खोलल गइल आ चीयरलीडर्स के गरमा गरम डांस देखावल गइल. देश का बाकियो जगहा अइसने कुछ होत रहल बा. बाकिर अब पानी नाक से उप चहुँपे लागल बा त सबलोग एकर आलोचना कर रहल बा. खेलमंत्री गिल एकरा खातिर आयोजकन के आलोचना कइले बाड़े, दिल्ली विधानसभा में हंगामा भइल आ अब सरकार खेल मैदान मे शराब परोसे के लाइसेंस रद्द कर दिहले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up