टटका खबर, शुक, ११ जून

by | Jun 11, 2010 | 0 comments

भोपाल गैस त्रासदी का लपेटा में कांग्रेस

कांग्रेस पार्टी के अपने दिग्गजन का बयान से मालूम होता कि भोपाल गैस त्रासदी के मुख्य आरोपी वारेन एंडरसन के तबके राजीव गाँधी के केन्द्र सरकार आ अर्जुन सिंह के मध्यप्रदेश सरकार मिल के सरकारी हवाई जहाज से भागे के मौका दिहले रहलें. हद त ई रहे कि भोपाल के एसपि आ डीएम हवाई अड्डा पर ओकरा के विदा करे खातिर मौजूद रहुवे. एह जानकारी का बाद भाजपा माँग कइले बा कि कांग्रेस देश से माफी माँगो. हर मौका पर चाहे ऊ बोफोर्स घोटाला के क्वात्रोच्चि के आजाद करे के बात होखो भा वारेन एंडरसन के देश से सुरक्षित भाग जाये के मौका देबे के कांग्रेस के सरकार ओहमें शामिल रहेले. एही सिलसिला में इहो बात सामने आइल बा कि यूनियन कार्बाइड अर्जुन सिंह के संस्था के तीन करोड़ दान में दिहले रहे. एंडरसन के भगावे के कीमत आ कि भोपाल में मराइल पन्द्रह हजार लोगन के जान के कीमत? अर्जुने सिंह साफ साफ बता सकेले.

सबकुछ का बावजूद परमाणु जिम्मेदारी विधेयक में फेर बदल

कहल जा रहल बा कि परमाणु दुर्घटना का मामिला में ओकरा के लगावे वाली कंपनी हरजाना देबे खातिर मजबूर करे वाली धारा १७ बी के परमाणु जिम्मेदारी विधेयक से हटावल जा रहल बा. जबकि होखे के उल्टा रहुवे. भोपाल त्रासदी से सीख लेके कानून के लूपहोल बन्द करे के चाहत रहे त पूरा दरवजे खोल दिहल जा रहल बा. इहे बतावता कि कांग्रेस सरकार खातिर जनता के कीमत कुछ नइखे.

यूपी में बसपा के सगरी इकाई भंग

बसपा सुप्रीमो मायावती काल्हु उठावल एगो अप्रत्याशित फैसला में बसपा के सगरी जिला आ लोकसभा इकाई भंग कर दिहली. एकरा जगह पर नया इकाई बनावल जइहें सँ. बाकिर ब्राह्मणन के पार्टी से जोड़ले राखे के जिम्मेदारी पहिलही का तरह राज्य सलाहकार परिषद के अध्यक्ष सतीश चन्द्र मिश्रा के दिहल गइल बा. विधानसभा के सगरी सुरक्षित सीटन के जिम्मा मंत्री नसीमुद्दीन के दिहल गइल बा. संगठन के पुनर्गठन ३० अगस्त का पहिले पूरा कर लेबे के निर्देशो दिहले बाड़ी. केन्द्र सरकार का खिलाफ जनहित आन्दोलनो के स्थगित कर दिहले बाड़ी.

काल्हु दुर्लभ योग, शनिदेवता के प्रसन्न करीं

काल्हु शनिचर १२ जून के शनिवती अमावस्या आ शनिदेव के जन्मदिन एके साथ पड़ रहल बा. ई संयोग तीस साल बाद आइल बा. बतावल जा रहल बा कि रोहिणी नक्षत्र होखे का चलते हिन्दुस्तान में भा दुनिया में कवनो खराब घटना ना होखी. कन्या, वृश्चिक, धनु, आ कर्क खातिर ई संयोग सुखद रही जबकि मेष, सिंह, मिथुन, आ कुंभ खातिर अनुकूल ना रही. दिन भर उपासना करीं, दोपहर में फलाहार आ रात्रि में अन्न ग्रहण करीं. शनिदेव के पूजा सही तरीका से करीं आ हनुमान चालीसा के पाठ करीं.

ब्रिटेन अपना देश के राष्ट्रीय पहचान पत्र योजना रद्द कर दिहलस

ब्रिटेन के राष्ट्रीय पहचान पत्र योजना के नयका सरकार रद्द कर दिहले बिया. ओकर कहनाम बा कि ई योजना नागरिकन के व्यक्तिगत जीवन में अनिचित दखल देबे वाला़, डरावना, आ बेहद खर्चीला रहुवे. एकरा से नागरिकन के व्यक्तिगत स्वतंत्रता के हनन होखे के अनेसा रहुवे. भारतो में अइसने योजना बहुते बड़हन पैमाना पर चलावल जा रहल बा जवना के कर्ताधर्ता इंफोसिस के नारायण मूर्ती के बनावल गइल बा. पता ना एकरा खिलाफ देश के मानवाधिकार वालन के का रुख बनी.

मधु कोड़ा वाला मुकदमा में कृपोशंकर सिंह के शामिल कइल जाव

झारखण्ड के मुख्यमंत्री रहल मधु कोड़ा पर नाजायज तरीका से करोड़ो के संपत्ति बनावे के आरोप बा. कोड़ा के महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता कृपाशंकर सिंह से घनिष्ठता रहे. एह चलते मुंबई हाई कोर्ट में एगो जनहित याचिका दायर कर के कृपाशंकरो सिंह के जाँच के दायरा में लेबे के माँग संजय तिवारी कइले रहलन. अब कोर्ट सीबीआई से कहले बा कि कृपाशंकरो सिंह के जाँच का दायरा में लिहल जाव आ उनका के जवाब देबे खातिर १५ जुलाई तक के समय दिहल गइल बा.

अफजल वाला फाइल राष्ट्रपति का लगे चहुँपल

अफजल के फाँसी में होखे वाला देरी का चलते मुसीबत में फँसल केन्द् सरकार अब सब कुछ आनन फानन करत बिया. दिल्ली सरकार से अनुशंसा मिल गइला का बाद गृहमंत्रालय ओह फाइल के राष्ट्रपति भवन भिजवा दिहले बा. ओकरा लगे मामिला के यूनियन कैबिनेट में भेजे के मौका बाकी रहुवे बाकिर ऊ ना कर के फाइल सीधे राष्ट्रपति का लगे भिजवा दिहल गइल बा. अब ऊ तय करें कि अफजल के फाँसी दिहल जाव कि माफी.

निकाह का तुरते बाद तलाक जायज

दारूल उलूम देवबंद अपना फतवा में एह बात के जायज ठहरवले बा कि निकाह का कुछेके घंटा का भीतर तलाक दिहल शरियत का मुताबिक सही बा. अंतर अतने भर रही कि अगर दुल्हा दु्ल्हिन के निकाह का बाद एकांत ना मिलल रहे त लड़की के इद्दत में बइठे के जरुरत नइखे.

ब्राडबैंड स्पेक्ट्रम के नीलामी पूरा हो गइल

ब्राडबैण्ड वायरलेस एसेस स्पेक्ट्रम के सोलह दिन से जारी नीलामी योजना पूरा हो गइल बा आ सरकार के एह नीलामी से ३८ हजार करोड़ रुपया के आमदनी भइल बा. एहसे पहिले ३ जी स्पैक्ट्रम का नीलामी से साढ़े सड़सठ हजार करोड़ के आमदनी भइल रहे. एह तरह एह दुनो नीलामी से सरकार के एक लाख करोड़ से बेसी के आमदनी भइल जवन कि ओकरा अपने बजट अनुमान से तिगुना से बेसी रहल.

फीफा वर्ल्ड कप आजु से शुरु हो रहल बा

फीफा वर्ल्ड कप के हंगामा में एगो बात बहुते लोग का जानकारी में ना आ पाई कि हर फुटबाल मैदान में गाय के बलि दिहल गइल बा कि कवनो तरह के हंगामा ना होखे आ ओह देश के पूर्वजन के आत्मा के शान्ति मिले. खेल का मैदान में बाजे वाला ड्रमो गाये का चमड़ा के बनल होखी. आज के पहिला मुकाबिला दक्षिण अफ्रीका आ मैक्सिको का बीच होखी. दक्षिण अफ्रीका आपन लगातार बारह गो पिछला मैच जीतत आवत बा आ टीम पूरा उत्साह में बा. दोसरा तरफ वार्म अप मैच में इटली के हरा के मेक्सिको के टीमो उत्साहे में बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up