टटका खबर, शुक, १६ जुलाई

by | Jul 16, 2010 | 1 comment

रुपिया के प्रतीक चिह्न जारी भइल

भारतीय मुद्रा रुपिया के अब आपन प्रतीक चिह्न होखी. डालर, पाउण्ड, येन, यूरो सभकर आपन अलग निशान बा बाकिर बाकी देशन के मुद्रा के ना त कवनो इज्जत बा ना प्रतीक चिह्न. अब भारत अपना रुपिया खातिर प्रतीक चिह्न जारी कर दिहलसि. एह निशानी के आईआईटी मुंबई से पोस्ट ग्रेजुएट उदय कुमार बनवले जवना खातिर उनका के अढ़ाई लाख रुपिया के इनाम मिली. उदय कुमार अब गुवाहाटी आईआईटी में सहायक प्रोफेसर बनावल गइल बाड़े.

मुलायम मुसलमानन से माफी मँगलन

मुलायम काल्हु एगो बयान जारी कर के मुसलमान लोग से माफी मँगले बाड़न कि पिछला चुनाव में ऊ कल्याण से दोस्ती करे के गलती कर बइठलन. शायद अब ऊ अब आजम खान के गोड़धरिया करे जासु कि आईं सरकार पार्टी में लवटि आईं. ओने कल्याण सिंह कहले बाड़े कि माफी त मुलायम के पिछड़न से माँगे के चाहीं जेकरा खातिर मुलायम कुछ ना कइलें. कल्याण कहले कि मुलायम दगाबाज धोखेबाज आदमी हउवन आ उनका कवनो बात के भरोसा कइल ठीक ना रही.

बलात्कारी अपना शिकार से शादी कइला का बाद ओकर हत्या कर दिहलसि

मुजफ्फरनगर के कसमपुर गाँव के ललित ईदलपुर के एगो लड़की संगीत के बहला फुसला के ओकर यौन शोषण कइलस आ जब बाट खुलल त पर पंचायती का दबाव में ओह लड़की से शादी कर लिहलसि. शादी का सात दिन भीतरे ओकर हत्या कर दिहलस आ मायके वालन के बिना बतवले ओकर अंतिम संस्कारो कर दिहलसि. अब लड़की के भाई थाना में केस दर्ज करवले बा.

बाकिर थानेदार कोतवाल पर कतना भरोसा कइल जा सकेला

पीलीभित के बीसलपुर में एगो दरोगा अपना दू गो साथियन संगे मिल के एगो लड़की के उठा लिहलसि आ थाना पर ले आके ओकरा साथे कई दिन तक सामूहिक बलात्कार कइले सँ. लड़की जब ओहिजा से निकल सकल त पुलिसे का लगे रिपोर्ट दर्ज करावे चहुँपल जहाँ ओकर एको ना सुनल गइल. बाद में कोर्ट में गोहार लगवला का बाद ओह दरोगा समेत तीनम जने का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. बाकिर होखी हवाई कुछ ना एतना तय मानीं. अबहीं अपना देश में इंसाफ ओह दर्जा के नइखे जहाँ कवनो आम आदमी कवनो बरियार का खिलाफ मुकदमा जीत पावो.

मानीं भा ना बाकिर अब बिहार में केहू बैकवार्ड फारवार्ड नइखे

आ ई बात दोसर केहू ना खुद लालू कहले बाड़े जिनकर भूरा बाल साफ करे के बयान कबो बहुते चर्चित भइल रहे. लालू कांग्रेस आ भाजपा में मिलीभगत के आरोप लगवले बाड़े आ कहले बाड़न कि कांग्रेस के मिले वाला वोट भाजपा के फायदा चहुँपाई. अलगा बात कि दिल्ली में लालू कांग्रेसे का आँचर का छाँह में बाड़े. दोसर बात लालू ई कहले बाड़े कि नक्सलियन के मारल मत जाव ओकनी के गिरफ्तार करे के चाहीं.

बिहार में साढ़े एगारह हजार के घोटाला के जाँच के आदेश

पटना हाई कोर्ट काल्हु ट्रेजरी से साढ़े एगारह हजार करोड़ के अनियमित निकासी के जाँच करावे खातिर सीबीआई के बोलवले बा जवना से जाँच के प्रक्रिया सुनिश्चित कइल जा सको. निकासी साल २००० से साल २००८ का बीचे भइल आ एह दौरान पाँच साल ले राबड़ी देवी मुख्यमंत्री रहली. अब विपक्षी मुख्यमंत्री आ उप मुख्यमंत्री से इस्तीफा माँगत बाड़े. अलग बात बा कि लालू चुप्पी लगवले बाड़न. जदयू प्रवक्ता शिवानन्द तिवारी के कहना बा कि ई घोटाला ना ह बलुक उपयोगिता प्रमाणपत्र समय पर ना जमा करे के लापरवाही भर ह.

एगो एंटीवायरस वेब ब्राउजर हिन्दुस्तान में बनावल गइल

मोजिला के ओपन सोर्स पर आधारित एगो नया ब्राउजर एपिक नाम से एगो हिन्दुस्तानी कंपनी जारी कइले बिया. एह ब्राउजर के http://www.epicbrowser.com/ से फोकट में डाउनलोड कइल जा सकेला. ई पहिलका ब्राउजर होखी जवना में एंटी वायरस शामिल बा आ मुफ्त मिल रहल बा.

कुरेशी कहले कि भारत अबही बातचीत करे के तइयार नइखे

पाकिस्तानी विदेश मंत्री शाह मोहम्मद कुरेशी के कहना बा कि भारत अबही बातचीत के तइयार नइखे. साथही इहो कहले बाड़न कि काश्मीर के बातचीत में शामिल कइला बिना कवनो बातचीत ना हो पाई. ऊ भारत के विदेश सचिव पिल्लई के बहुते खराब कहलन जब पिल्लई पाकिस्तान के आईएसआई के मुंबई हमला में संलग्न बतवले. एकरा उल्टा भारत के विदेश मंत्री एसएमकृष्णा कहले बाड़न कि बातचीत में प्रगति हो रहल बा. भाजपा कृष्णा के आलोचना कइले बिया कि ऊ पिल्लई के बचाव ना कइले.

बाभली बराज चहुँपला पर नायडू के गिरफ्तार कर लिहल गइल

आंध्र के पूर्व मुख्यमंत्री चन्द्र बाबू नायडू के महाराष्ट्र का मराठवाड़ा में बनत बाभली बराज पर गइला का चलते सात गो विधायकन आ पाँच गो सांसदन का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल. आंध्र एह बराज का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दाखिल कइले बा बाकिर कोर्ट महाराष्ट्र के बाँध बनावे के अनुमति देत अतने बंधन लगवले बा कि अबहीं ओह बराज में फाटक ना लगावल जाव. महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री नायडू के पहिलही चेतवले रहले कि अइला पर गिरफ्तार कर लिहल जाई.

खेल का दुनिया से

भारत आस्ट्रेलिया क्रिकेट सीरीज का तारीख में बदलाव का बावजूद अबहियो ऊ तारीख कामनवेल्थ गेम्स से टकरात बा. गेम्स आयोजक समिति सरकार का लगे गोहार लगवले बिया कि क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड से कह के तारीख में बदलाव करावल जाय.

डिएगो माराडोना अर्जेंटिना के फुटबाल कोच बनल रहीहें. फीफा वर्ल्ड कप में अन्तिम चार में अर्जेंटिना ना चहुँप पवले रहे.

बेल्जियम का साथे चल रहल दुसरको हॉकी टेस्ट भारत तीन दू से जीत लिहलसि आ अब सीरीज में आगा चल रहल बा.

फीफा वर्ल्ड कप में स्पेन के जीत के भविष्यवाणी करे वाला आक्टोपस पाल बाबा अब स्पेन के यात्रा पर जाये वाला बाड़न.

Loading

1 Comment

  1. mukesh chandra srivastav

    gopal rai bhojpuri jagat ke khas singer our actor hai. unho ne aslilta ke khilaph jang chhedi hai jo bahut hi kabile tarif hai. hum unki film ki safalata ki kamna karte hai. sath hi anjoria.com ko badhai bhi.

Leave a Reply to mukesh chandra srivastav

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up