टटका खबर, शुक, १८ जून

by | Jun 18, 2010 | 0 comments

बिहार में भितरघातियन का बावजूद दलीय उम्मिदवार जीत गइले

राज्यसभा चुनाव में बिहार के विधायकन में भितरघातियन के मौजूदगी का बावजूद दलीय उम्मीदवार जीत गइलें आ पइसा का बल पर राज्यसभा चहुँपे के सपना देखे वाला उद्योगपति उदय के राजनीतिक उदय ना हो सकल. जदयू आ लोजपा के कवनो विधायक भितरघात ना कइले. उदय के मात्र दू गो वोट मिलल. सबसे बेसी वोट जदयू के दुनु उम्मीदवार उपेन्द्र कुशवाहा आ आर सी पी सिंह के ४८-४८ गो, भाजपा के राजीव प्रताप रुड़ी के ४७ गो, रामविलास पासवान के ३९ गो आ रामकृपाल यादव के ३८ गो वोट मिलल. दू गो विधायक वोट ना डलले आ एगो बसपा विधायिका के मत एह से रद्द कर दिहल गइल कि ऊ राजद के दिहल जा रहल आपन वोट देखा के डलली.

राजनीति करे खातिर कुख्यात अपराधी के समर्पण

बिहार आ यूपी में आतंक फइलावे वाला कुख्यात अपराधी जवना पर दस लाख के इनाम घोषित रहे ऊ सतीश पाण्डे काल्हु गोपालगंज में अधिकारियन का सामने आपन एगो हथियार सँउप के समर्पण कर दिहलस जवना के बाद कोर्ट का आदेश से ओकरा के जेल भेज दिहल गइल. हत्या, अपहरण, आ डकैती के डेढ़ सौ से बेसी मुकदमा सतीश पाण्डे पर बा. सतीश पाण्डे के इरादा चुनाव लड़ के राजनीति करे के बा.

हम गब्बर सिंह ना हईं कि लोग के हमार नाम ले के हड़कावल जात बा.

लालू प्रसाद कहत बाड़े कि चुनाव में उनकर जीत के हव्वा देखा के बड़ जातवालन के हड़कावल जा रहल बा कि अगर लालू जीत गइल त फेर उहे हालात लवटि आई. बिहार में लोग लालू के सरकार देख चुकल बा आ ओकरा बाद नीतीशो के सरकार के काम देख लिहले बा. विकास के जवन काम एह सरकार में भइल बा राजग ओकरे बल पर अपना खतिर वोट माँग रहल बा बाकिर भूरा बाल वाला लोग के चेतावलो जरूरी बा. भू से भूमिहार, रा से राजपूत, बा से ब्राह्मण, आ ल से लाला. एक जमाना में यूपीओ में नारा जोर के रहुवे तिलक तराजू और तलवार इनको मारो जूते चार. बाकिर लोग सब भुला के तलवा चाटे में लागले बा नू.

यूपी में स्वास्थ्य सेवा के निजीकरण के योजना रद्द

यूपी सरकार अपना स्वास्थ्य सेवा के निजीकरण करे के योजना रद्द कर दिहले बिया आ अब राज्य में स्वास्थ्य सेवा बेहतर करे खातिर एगो नया माडल पर काम करे जा रहल बिया. दोसरा खबर में कहल गइल बा कि काल्हु मुख्यमंत्री मायावती राज्य के बिजली कर्मियन के आखिरी चेतावनी देत कहली कि अगर बिजली के हालात में जल्दी सुधार नइखे होत त सरकार दोसर व्यवस्था करे पर विचार करी. कहली कि बिजली चोरी हर हालत में रोकल जाव.

बिहार से भागल प्रेमी जोड़ी के पंजाब में हत्या

बिहार के जहानाबाद जिला के एगो ब्राह्मण लड़की बगल के गाँव के अपना यादव प्रेमी का साथ भाग निकलल रहे. जान बचावे का फेर में दुनु पंजाब के फगवाड़ा में एगो खेत पर पिछला आठ महीना से काम करत रहले. साथी मजदूर बतावत बाड़े कि ओकनी का हमेशा डर लागल रहे कि कवनो दिने ओकनी के जान ले लिहल जाई. आखिरकार उहे भइल आ दुनु के गरदन रेत के हत्या कर दिहल गइल.

पृथ्वी २ के सफल परीक्षण

भारत के आपन विकसित परमाणु बम ढोवे वाली मिसाइल अग्नि २ के काल्हु उड़ीसा तट से सफल परीक्षण कइल गइल, जमीन से जमीन पर ३५० किलोमीटर तक मार करे वाली ई मिसाइल ५०० किलो तक के पेलोड लेके जा सकेले. काल्हु के परीक्षण सेना करवलस आ मिसाइल के एगो मोबाइल लांचर से दागल गइल. एकर लम्बाई नौ मीटर आ परिधि एक मीटर के होला.

आयकर में रियायत के संकेत दिहले प्रणव दा

वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी एगो अखबार से बात करत कहले बाड़े कि टैक्स में दिहल जा रहल कुछ रियायतन के जारी रखला का बावजूद टैक्स स्लैबो में सुधार कइल जाई. ड्राफ्ट बिल में दस लाख तक के आमदनी पर दस फीसदी टैक्स लगावे के बात कहल बा. अबही ई दर पाँचे लाख तक का आमदनी पर बा.

मानसून के दायरा बिहार आ यूपी के सीमावर्ती इलाका तक चहुँपल

काल्हु बिहार आ ओकरा से सटल यूपी का कुछ इलाका में, जवना में बलियो शामिल बा, मानसून के पहिलका बरखा भइल. बाकिर एकर आगा ससरे के रफ्तार अतना कम बा कि पूरा असर आवे में अबही करीब एक हफ्ता अउरी लागी. पहिले बतावल जात रहे कि बनारस में १५ जून ले मानसून चहुँप जाई जवन अबले नइखे चहुँपल.

मुकेश अनिल अंबानी के कंपनी के गैस देबे के वादा कइलन

रिलायन्स इण्डस्ट्रीज का ३६ वाँ वार्षिक आमसभा के संबोधित करत मुकेश अंबानी कहले कि अनिल का साथ चल रहल सगरी विवाद खतम हो चुकल बा आ उनकर ग्रुप अनिल के ग्रुप का साथे बढ़िया संबंध राखी. सभा में अपना महतारी कोकिलाबेन आ मेहरारु टीना अंबानी का साथे आइल रहले मुकेश अंबानी. बाहर बहुते भीड़ जमा रहुवे. लोग के उमेद रहुवे कि शायद अनिलो अंबानी एह सभा में आ जास बाकिर अइसन ना भइल.

फीफा वर्ल्ड कप के छठा दिन

काल्हु का मैच में अर्जेण्टिना अपना खिलाड़ी हिंगुएन का तिकड़ी गोल का बदौलत दक्षिण कोरिया पर धामाकेदार जीत दर्ज कइलस जबकि , नाइजीरिया ग्रीस से हार गइल. फ्रांस के हरा के मैक्सिको फीफा वर्ल्ड कप में बड़हन उलटफेर कर दिहलस. से खेले वाला बा. ओने एशिया कप क्रिकेट में भारत बांगला देश के छह विकेट से हरा दिहलस. आज का मैचन में अमेरिका के मुकाबला स्लोवेनिया से, इंगलैण्ड के मुकाबला अल्जीरिया से, आ जर्मनी के मुकाबला सर्बिया से होखे जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up