टटका खबर, शुक, २१ मई

by | May 21, 2010 | 0 comments

सीबीएसई बारहवीं के रिजल्ट आजु

बिहार यूपी समेत छह राज्यन के सीबीएसई के बारहवीं के रिजल्ट आज सबेरे आठ बजे से निकले जा रहल बा. एह रिजल्ट के http://cbseresults.nic.in/class12/cbse12.htm पर देखल जा सकेला.

शिबू सोरेन फेरु पलटी मरलन

झारखण्ड के मुख्य मंत्री शिबू सोरेन बियफे के साँझ फेर पलटी मार दिहले बाड़े आ कहलें कि ऊ मुख्यमंत्री के पद ना छोड़िहें. भाजपा का साथे अठाइस अठाइस महीना के सत्ता बँटवारा उनका मंजूर नइखे. जबकि कुछ दिन पहिले ऊ खुद अपने मुँह से पत्रकारन का सोझा २५ मई के सत्ता परिवर्तन के बात कहले रहलन. अइसनका आदमी का फेर में पड़िके भाजपो आपन छवि खराब करावत बिया. ओकरा चाहीं कि अब बिना देरी कइले अइसना आदमी के सत्ता से बेदखल कररा दे.

आडवाणी वगैरह का खिलाफ सीबीआई के याचिका कोर्ट खारिज कर दिहलस

अयोध्या के विवादित परिसर ढहावे का मुकदमा में लालकृष्ण आडवाणी समेत बीस आदमी के आपराधिक दायित्व से मुक्त करे के निचला कोर्ट के फैसला का खिलाफ सीबीआई के हाई कोर्ट में अपील के कोर्ट खारिज कर दिहलस. कहलस कि लोअर कोर्ट का आदेश में कवनो गलती नइखे आ एहसे कोर्ट ओह केस के फेर से खोलवावे का पक्ष में नइखे.

लालू ४८ के राबड़ी ५५ के

जनगणना वाले जब लालू के घरे जनगणना करे गइलन त लालू बतवलन कि ऊ ४८ के हउवन आ राबड़ी ५५ के. ई बाति सुनके सभे चउँक गइल त बतवलन कि बात सही बा. लालू के जनम १९४८ के हऽ आ राबड़ी के १९५५ के. जनगणना का दौरान भोजपुरी भाषियन से निहोरा बा कि आपन पहिलका भाषा में भोजपुरी के नाम लिखावस. अबकी के जनगणना के जानकारी कई काम में लिहल जाई एहसे हर आदमी के चाहीं कि ऊ तय कर ले कि ओकर आ ओकरा परिवार के नाम वगैरह जनगणना में जरुर गिना जाव.

फेसबुक आ यू ट्यूब पर पाकिस्तान में रोक लगावल गइल

फेसबुक पर कुछ आपत्तिजनक सामग्री का चलते फेसबुक के पाकिस्तान में प्रतिबन्धित कर दिहल गइल त शरारती तत्व ओह सामग्री के यू ट्यूब पर पोस्ट कर दिहलें. एह चलते बियफे का सबेरे एगारह बजे से यूट्यूबो पर रोकलगा दिहल गइल बा. एह दू गो वेबसाइट के ट्राफिक पाकिस्तान के कुल्हि वेबट्राफिक के एक चौथाई हवे. हो सकेला कि भारतो सरकार जल्दिये एह दुनु पर प्रतिबन्ध लगा देब काहे कि सवाल वोट बैंक के बा आ हिन्दू देवी देवता के नंगा तस्वीर बनावे वाला के भलही महिमामण्डित कइल जाव, सेकुलर पार्टियन के बोट बैंक का खिलाफ कुछ बर्दाश्त ना कइल जा सके.

लैला आंध्रा चहुँपल १८ जने के मौत

चक्रवात लैला बियफे के साँझ आंध्र तट पार कर गइल आ ओकरा विभीषिका से कम से १८ आदमी के मौत हो चुकल बा. आंध्र आ तामिलनाडु में जम के बरखा हो रहल बा. एह चक्रवात के नाम पाकिस्तान के दिहल ह. अगिला चक्रवात जवन आई ओकर नाम रही बान्डु, जवन श्रीलंका दिहले बा. ओकरा बाद के तूफान के नाम रखाई फेट जवन थाइलैण्ड रखले बा. महासागर के किनार वाले देश बारी बारी से चक्रवात के नाम देबेलें. पिछला बेर भारत जवन नाम दिहले रहुवे ऊ रहे बिजली.

नरेन्द्र मोदी नक्सलियन से बात करे का पक्ष में

गुजरात के मुख्यमंत्री आपन कट्टर छवि बदले का फेर में काल्हु अलीगढ़ में कहलें कि नक्सली हमनिये के लोग हउवें आ ओह लोग के बात कर के समुझावे के कोशिश करे के चाहीं. बेमतलब केहू के जान लिहला से कवनो फायदा नइखे. छवि बदले का फेर में रंगल सियार बाला हाल मत जाये नरेन्द्र मोदी के. जइसन लालकृष्ण आडवाणी के हो गइल. बन्दूक हाथ में रखेवाला से बात ना कइल जाला बन्दूक वाला हाथ जख्मी कर दिहल जाला. सामने वाला जब बाकी के आपन माने के तइयार नइखे त ओकरा के आपन कइसे मानल जा सकेला.

कांग्रेसी नेता सज्जन कुमार सिख विरोधी दंगा में सक्रिय रहलें

सिख विरोधी दंगा का मामिला में सीबीआई कोर्ट का सामने आपन गवाह पेश कइलस जवन कहलें कि सज्जन कुमार के ऊ लोग सुल्तानपुरी पार्क में अपना सामने लोग के भड़कावत देखल जब ऊ कहलें कि सिख उनका महतारी के मार दिहलें सं अब एकनी के मार दिहल जाव. ओकरा बाद भीड़ सिख परिवारन पर टूट पड़ल आ लाशन के एगो ट्रक में लाद के ले भगले सँ. अब बचाव पक्ष शनिचर का दिने आपन बात पेश करी.

कथा वाचक सुधांशु महाराज का खिलाफ गैर जमानती वारण्ट

सुधांशु महाराज, उनकर संस्था विश्व जागृति मंच के आउ सदस्यन का खिलाफ धोखाधड़ी के एगो मुकदमा में कोर्ट ओह लोग का खिलाफ गैर जमानती वारण्ट जारी कर दिहलस. एगो अस्पताल चलावे वाला मानसिंह के कहनाम बा कि उनका से लोग ५३ लाख रुपया दान में ले लिहल ई कह के कि एह दान पर आयकर से छूट मिल जाई. बाकिर आयकर विभाग छूट ना दिहलस, ऊपर से जुर्माना ठोक दिहले बिया. मानसिंह का मुताबिक ई लोग जानबूझ के उनका संगे धोखाधड़ी कइल.

आईपीएल तीन के साफ सुथरा बतवलस आईसीसीआई

ललित मोदी के नेतत्व में खेलावल गइल आईपीएल थ्री के आईसीसीआई के भ्रष्टाचार निरोधक इकाई के मुखिया पाल कंडोन का तरफ से क्लीन चिट मिल गइल बा. कहलें बाड़े कि ओहमें कवनो गड़बड़ी ना रहुवे. अब बोर्ड बतावे कि ललित मोदी के काहे हटवलसि. बाकिर ऊ त ललित मोदी के भेजल पन्द्रह हजार पेज के जवाब में अझूराइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up