टटका खबर, शुक, ६ अगस्त

by | Aug 6, 2010 | 0 comments

दिल्ली में रिक्शा के संख्या सीमित करे से सुप्रीम कोर्ट के इन्कार

दिल्ली मेट्रोपोलिटन काउन्सिल दिल्ली में रिक्शा वालन पर तरह तरह के प्रतिबन्ध त लगावते रहेले उपर से रिक्शा के संख्या सीमित कर दिहलसि. बाद में दिल्ली हाईकोर्ट ओह सीमा के ना मनलसि त एमसीडी सुप्रीम कोर्ट चल गइल. सुप्रीमो कोर्ट पूछ बइठल कि रिक्शावाला अपने के का बिगड़ले बाड़न? रोकही के बा त कार के संख्या सीमित काहे नइखी कर देत जवना से प्रदूषणो फइलत बा?

लेह में बाढ़ से पचासी आदमी मरले

लद्दाख का लेह शहर में अचके में आइल बाढ़ से भयंकर तबाही भइल बा. पुरनका लेह शहर में सबसे बेसी नुकसान भइल बा. पाँच गो गाँव बह गइल बाड़ी स. हवाई अड्डा के रनवे के नुकसान चहुँपल बा. जिला अस्पताल आ केन्द्रीय गृह मंत्रालय के कार्यालय वाला दू गो मकानो के नुकसान भइल बा. जिला प्रशासन सेना पुलिस आ सुरक्षा बल का सहायता से राहत के काम चला रहल बा. प्रधानमंत्री घटना से चिन्तित बाड़े आ अनुकम्पा भुगतान के एलान कइले बाड़न.

कलमाडी माने के तइयार नइखन कि कवनो गड़बड़ी भइल बा

कॉमनवेल्थ खेल का आयोजन में बड़हन बड़हन घोटाला के खबर अइला का बादो सुरेश कलमाडी माने के तइयार नइखन कि कवनो तरह के गड़बड़ी भइल बा. कहत बाड़न कि दोसरा केहू के कहला पर इस्तीफा ना दीहें. इस्तीफा तबे दीहें जब या त सोनिया गाँधी कहस भा मनमोहन सिंह. ओने संसद में आजु कॉमनवेल्थ खेल का आयोजन में हो रहल घोटाला पर जम के हंगामा भइल जब पुरा विपक्ष सरकार पर हमला बोलत कहलसिकि एह खेल आयोजन में जनता के पइसा के लूट खसोट भइल बा जवना के जाँच होखे के चाही.

लालकिला एक्सप्रेस में लूटपाट

सियालदह नयी दिल्ली लालकिला एक्सप्रेस में आजु सबेरे कुछ डकैत जमुई में चढ़ गइले आ एसी आ स्लीपर बोगियन में जम के लूट पाट कइल. २१ गो लोग एह लूट पाट में घवाहिल हो गइल. जे भी डकैतन के विरोध कइल ओकरे पिटाई हो गइल. डकैतन का लगे असलहा रहे जबकि जीआरपी के जवान निहत्था रहले. बाद में घटना से नाराज रेल सवार किउल में जम के विरोध प्रदर्शन कइले.

मशहूर हालीवुड अभिनेत्री जूलिया राबर्ट्स हिन्दू बन गइल बाड़ी

अपना फिल्म के शूटिंग में भारत आइल जूलिया राबर्ट्स हिन्दू बन गइल बाड़ी. कहले बाड़ी कि उनकर दोस्त आ परिवार के लोग उनकरा के दुलार प्यार से बरबाद कर दिहले बा लोग आ अब अगिला जनम में ऊ एगो शान्त जिनिगी चाहत बाड़ी. जूलिया कहले बाड़ी कि अब ऊ नियम से पूजापाठ आ प्रार्थना करे ली,

बलिया में सड़क किनारे खाड़ छोटहन लड़िकन के बस कचार दिहलसि

काल्हु बलिया में फेफना थाना का नसीराबाद गाँव का लगे एगो स्कूल बस बेसम्हार हो गइल आ साइकिल से जात दू जने के कचार के मुआ दिहलसि. बाद में भागत घरी एगो पुलिया का लगे सड़क किनारे खड़ा विद्यार्थिन के कचारत आगे जा के एगो बाँसवाड़ी में जा घुसल. कचराइल विद्यार्थियन में से एगो लड़की के मौत हो गइल आ बाकी छह गो छात्र छात्रा घवाहिल हो के अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े. ड्राइवर बाद में बस छोड़ के फरार हो गइल. लोग कहत बा कि बस एगो खलासी चलावत रहुवे.

दारूल उलूम का मुताबिक औरत के आवाजो घर का बहरी ना निकले के चाहीं

दारुल उलूम के मुफ्ती एगो फतवा में कहले बाड़न कि निकाह से पहिले अपना मंगेतर से फोन पर बतियावल हराम ह. इहो कहलन कि औरतन के आवाजो के पर्दा में रहे के चाहीं आ ओकर आवाज घर का बाहर ना निकले के चाहीं. कहले बाड़न कि मजबूरी में जरुरत भर बात कइल जा सकेला बाकिर बिना जरुरत गिटिर पिटिर कइल गलत बात ह. जबले निकाह नइखे हो जात तब ले ऊ आदमी ओह लड़की खातिर पराया मर्द होला.

नेपाल में आम सहमति के सरकार बनावे खातिर भारत सरकार श्याम सरन के भेजलसि

राजनीतिक संकट में फँसल नेपाल में आजु फेर प्रधानमंत्री चुने के कोशिश होखे जा रहल बा. पिछला तीन बेर चुनाव के कोशिश नाकाम रहल काहे कि केहू के स्पष्ट बहुमत नइखे मिलत. अल्पमत के सरकार चलावे के अनुभव ओहिजा के लोग के शायद नइखे एह से प्रधानमंत्री का विशेष दूत का रुप में पूर्व विदेश सचिव श्याम सरन के नेपाल भेजल गइल बा जे उहवाँ के राजनीतिक दलन से बात कर के आम सहमति के सरकार बनवावे के कोशिश करीहें. नेपाल मे अबही एह दखल के आलोचना नइखे भइल. अबही अबही समाचार मिलल बा कि आजुवो के चुनाव बेकार हो गइल आ अब १८ अगस्त के पाँचवा बेर वोट पड़ी.

पटना हवाई अड्डा बन्द कइल जा सकेला

केन्द्रीय उड्डयन मंत्री प्रफुल्ल पटेल बिहार सरकार के चेतवले बाड़न कि अगर पटना हवाई अड्डा के आधारभूत संरचना में सुधार ना कइल गइल त ओकरा के मजबूरन बन्द कइल जा सकेला. पटना हवाई अड्डा के रनवे के लम्बाई बढ़ावल सबले जरुरी बा. कई बेर पटना हवाई अड्डा के जगहा बदले खातिर सर्वे करावल गइल बाकिर कवनो नतीजा ना निकलल. अब चेतावनी दिहल गइल बा.

खेल का दुनिया से

चउथा दिन के खेल खतम होखे तक भारत के तीन गो विकेट चटक गइल बा आ अब काल्हु पाँचवा आ अन्तिम दिने भारत के मैच जीते खातिर २०४ गो रन अउरी बनावे के पड़ी. आजु का खेल में श्रीलंका २६७ रन बना के आउट हो गइल रहे. बाद में दुसरकी पारी खेले आइल भारत के वीरेन्द्र सहहवाग, राहुल द्रविड़, आ मुरली विजय फटाफट आउट हो गइल लोग.

सरकारी निर्देश माने से इन्कार कइला का चलते हॉकी इण्डिया के मान्यता रद्द कर दिहल गइल बा. चुनाव में संयुक्त सचिव खातिर चुनइला का कुछ घंटा के भीतरे रमेश नांबियार आपन इस्तीफा दे दिहले बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up