टटका खबर, शुक, ९ अप्रैल

by | Apr 9, 2010 | 0 comments

नकली मसाला के कारखाना पकड़ाइल

बनारस का कोनिया में एगो मकान पर छापा मार के सौ बोरा मिलावटी मसाला आ मिलावट के सामान पकड़ल गइल बा. बरामद सामान करीब एक करोड़ रुपिया के बतावल जा रहल बा. अगलगी में कुकुर ना जरे वाला अंदाज में मालिक त भाग गइल बाकिर चार गो मजदूर पकड़ा गइलें. कहलें सँ कि पिछला कई साल से ई कारोबार जारी रहुवे. मसाला में मिलावे खातिर धान के भूसी, चावल के खुद्दी, आम के गुठली वगैरह इस्तेमाल होत रहे. मकान सुरेश जायसवाल नाम के आदमी के ऋ.

गाजीपुर में सर्राफा व्यापारी के गोली मार के हत्या

गाजीपुर कोतवाली के मिट्ठनपुरा मुहल्ला में सर्राफा के दोकान चलावे वाला अभिषेक उर्फ चन्दन वर्मा के लूट के विरोध करे का चलते दोकान से बहरी खींच के छाती में गोली मार दिहलें सँ लूटेरा आ चलते बनलन स. ३० साल के अभिषेक के आनन फानन में अस्पताल ले जाये का रास्ते में मौत हो गइल.

स्कूल के पढ़ाई का उमिर में प्रेम के पढ़ाई करे वाला तीन गो आशिक जान दिहलें

बलिया के फेफना चितबड़ागाँव का बीच में एगो मालगाड़ी का सोझा कूद के गाजीपुर के एगो १५ साल के लड़िका अपना दू गो महबूबा, जवनन के उमिर तेरह साल आ चौदह साल बतावल जात बा, का साथ जान दे दिहलें. ओकनी का लगे एगो पुरजा पर मोबाइल नम्बर लिखल रहे जवना पर फोन कर के ओकनी के पहचान साबित कइल गइल. गाँव वालन के कहनाम बा कि तीनो प्रेमरस में एह काँचे उमिर में पगा गइल रहलें सँ.

सरकार जाँची कि कहाँ गलती हो गइल

नक्सलियन का हाथे सीआरपीएफ के ७६ गो जवानन के कत्लेआम का बाद सरकार एह बात के पता लगावे में लागल बिया कि गलती कहाँ भइल. ओने सेना प्रमुख कहलें बाड़े कि ओह टुकड़ी के नक्सलियन से लड़े के कवनो ट्रेनिंग ना दिहल गइल रहे. कहलें बाड़े कि नक्सलियन से मुकाबिला खातिर सुरक्षा बल के सही प्रशिक्षण दिहला के जरुरत बा. ओने सरकार नक्सली इलाका में मानव रहित टोही विमान के इस्तेमाल करे के सोचत बिया.

बिहार का पिछड़ा इलाका में पचीस गो मॉडल डिग्री कालेज खोलल जाई

सिवान, गोपालगंज, पूर्वी आ ॡश्चिमी चंपारण समेत बिहार के पचीस गो जिला में माडल डि्ग्री कालेज खोलल जाई. एह कालेजन के एक तिहाई खर्चा केन्द्र सरकार दी आ बाकि के वयवस्था राज्य सरकार का जिम्मे रही. स्थापना खर्चो राज्यने के उठावे पड़ी. एकरा खातिर पिछड़ा इलाका ऊ कहाई जहवाँ सवा बारह फीसदी से कम नामांकन होखेला.

जेपी विश्विवद्यालय में आजु से शुरु हो रहल बा खेल प्रतियोगिता

छपरा के जयप्रकाश विश्विवद्यालय में आजु से चार दिन तक चले वाला खेल प्रतियोगिता शुरु हो रहल बा जवना में शामिल होखे खातिर पूरा राज्य से करीब डेढ़ हजार खिलाड़ी छपरा चहुँप गइल बाड़े. एहमें एथलेटिक्स का साथे साथ कबड्डि, खो खौ, शतरंज, टेबुल टेनिस जइसन खेल के आयोजन कइल जाई.

पुणे विस्फोट के सरगना रहुवे यासीन भटकल

महाराष्ट्र एटीएस के दावा बा कि ऊ ओह लोग के चिह्न गइल बा जे लोग पुणे में विस्फोट करवले रहुवे. एकर मास्टरमाइंड रहुवे इंडियन मुजाहिदीन के संस्थापक रियाज भटकल के रिश्तेदार यासीन भटकल. बाकियो आरोपियन के पता लगा लिहल बा आ अब जलदिये ओह सब के गिरफ्तार कइल जाई.

थर्ड डिग्री इस्तेमाल कइल अपराध बनावल जाई

पुलिस अपराधियन से अपराध कबूल करावे खातिर कवनो हद तक जा सकेले आ थर्ड डिग्री के इस्तेमाल क के शारीरिक यातना दिहल आम बात होला ओकरा खातिर. बाकिर अब ऊ दिन जल्दिये खतम होखे वाला बा. संयु्कत राष्ट्र संघ के १९७५ में बनल समझौता पर भारत १९९७ में दस्तखत कइलस आ अब जा के कानून बनावे जा रहल बा कि थर्ड डिग्री इस्तेमाल कइल अपराध मानल जाई.

महँगाई का खिलाफ वाम दल के प्रदर्शन

काल्हु दिल्ली के संसद मार्ग पर वामपंथी नेता अपना समर्थकन का साथे प्रदर्शन कइलें. एह लोग के संसद भवन थाना का लगे गिरफ्तार कर लिहल गइल आ बाद में छोड़ दिहल गइल. कुछ लोग थाना में तोड़ोफोड़ मचावल आ संसद भवन जाये देवे के जिद्द कइल.

उमेद का उलटा डेक्कन चार्जर्स जीत गइले

काल्हु डेक्कन चार्जर्स आ बेंगलुरु के रायल चैलेंजर्स का बीच मैच में बेंगलुरु के टीम के पलड़ा भारी बतावल जात रहुवे बाकिर संभावना में उलटफेर करत डेक्कन चार्जर्स मैच जीत लिहलें आ सेमीफाइनल में चहुँपे के उमेद वरकरार राख लिहले

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up