टटका खबर, सोमार, १२ अप्रैल

by | Apr 12, 2010 | 0 comments

नरेन्द्र मोदी प्रधानमंत्री पद के सबले लायक उम्मीदवार

राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ आपन उहा पोह छोड़ अब खुल के नरेन्द्र मोदी का समर्थन में आ गइल बा. कहले बा कि सात साल से कांग्रेस के सात गो महारथी एह अभिमन्यु के अपना चक्रव्यूह में घेरे में लागल बाड़े बाकिर नरेन्द्र मोदी हर बेर चक्रव्यूह तूड़ के बाहर आ जात बाड़े. भाजपा में दोसर कवनो नेता अइसन नइखन जेकर स्वीकार्यता जनमानस में मोदी से बेसी होखो. गुजरात के जवना तरह ऊ विकसित राज्य का श्रेणी में ले अइलें ओकर प्रशंसा बड़ बड़ उद्योगपतियो लोग कइले बा. देखल जाव कि राजग के सबसे बड़ घटक जदयू एह पर आपन का प्रतिक्रिया देत बा.

राहुल का जादू का भरोसे यूपी में कांग्रेस

१४ तारीख के अम्बेदकर जयन्ती का दिन से आपन अभियान शुरु करे वाली कांग्रेस राहुल के जादु पर कुछ बेसिये भरोसा रखले बिया. संगठन का लगे नेता त ढेरे बाड़ें कार्यकर्ता केहू नइखे. बाकिर सब इहे सोचत बा कि राहुल के जादू से भीड़ बिटोराइये जाई. ओने बसपो ओह दिने ओहि जगहा पर आपन रैली करे वाली बिया. कांग्रेसी पहिलहीं से कहल शुरु कर दिहले बाड़न कि बसपा जइसन भीड़ जुटावल उनकर लक्ष्य नइखे.

सुदामा के बहुत सुनल गइल अब परशुराम के सुनल जाव

काल्हु पटना में आयोजित ब्राह्मण राजनैतिक चेतना समिति का सभा में ब्राह्मणन के आह्वान कइल गइल कि अब फेर से परशुराम शैली अपनवला के जरुरत बा, सुदामा का तरह याचक बनला से कवनो फायदा नइखे. सभा में आइल नीतीश कुमार कहलें कि चन्द्रगुप्त के शासन चाणक्य के बिना ना चल सकत रहे. कहलें कि ऊ कवनो अइसन काम ना करीहें जवना से चाणक्य के भृकुटी तन जाव. सभका के साथ लेके चलल उनकर रीति नीति में शामिल बा.

सोनिया गाँधी हरिद्वार के महाकुंभ में ना जइहें

हरिद्वार के संत समाज सोनिया गाँधी के महाकुंभ में स्नान करे आवे के बोलावा भेजले रहुवे जवना के सोनिया गाँधी एह चलते नकार दिहले बाड़ी कि उनका गइला से सुरक्षा प्रबन्ध का चलते आम लोग के दिक्कत आ सकेला. गृहो मंत्रालय सगरी वीआईपी लोग के शाही नहान का समय हरिद्वार आवे से मना कइले बा.

बिहार लोकसेवा आयोग के रिजल्ट घोषित

४८वीं से ५२वीं बीपीएससी परीक्षा के परिणाम घोषित हो गइल बा. कुल्ह ३६२ गो उम्मीदवार सफल भइल बाड़न. पहिला जगह पर आइल प्रशांत सिंह आरक्षी सेवा में जाये के पसन्द कइले बाड़े त दुसरा आ तीसरा जगह के उम्मीदवार प्रशासनिक सेवा. मुख्य परीक्षा में ८९३ उम्मीदवार चुनाइल रहलें जवना में से पाँच जने साक्षात्कार में शामिल ना भइलें. बाकी ८८८ में से ३६२ लोग अंतिम रुप से सफल भइलें.

चलत ट्रेन से तीन आदमी के बाहर फेंकल गइल

अमृतसर डिब्रूगढ़ एक्सप्रेस से परसो देर रात बलिया जिला का बांसडीह रोड आ सहतवार स्तेशन का बीच तीन गो पशु व्यापारियन के लूटपाट करके ट्रेन से बाहर फेंक दिहलें सँ. एगो के मौत हो गइल बा. पुलिस एह घटना के संदेहास्पद मानत बिया काहे कि चउथका व्यापारी जवन बांच गइल तवन कतहीं कवनो शिकायत दर्ज ना करवलसि. ओकरा के न्यू जलपाइगुड़ी में हिरासत में ले लिहल गइल बा.

छपरा के जेपी विश्वविद्यालय एकलव्य में आपन दबदबा बनवलसि

छपरा जेपी विश्विवद्यालय में चल रहल अंतरविश्वविद्यालयीय क्रीड़ा प्रतियोगिता एकलव्य में तीसरा दिने जेपी विशवविद्यालय के दबदबा बरकरार रहल आ छह गो गोल्ड मेडल का साथ ऊ पहिलका जगहा पर बा. तिलका माँझी विश्वविद्यालय तीन गो गोल्ड मेडल का साथ दुसरका जगहा पर बा,

अपात्र व्यक्ति के विधानपरिषद में नामित कइला पर हाईकोर्ट नाराजगी जतवलसि

साल २००३ में यूपी विधान परिषद में नौ गो सदस्यन के नामित कइला के खिलाफ दायर याचिका ओह नामित लोग के कार्यकाल पूरा हो गइला का चलते खारिज करत हाईकोर्ट नाराजगी जतवले बा कि अपात्र लोग के एह तरह से नामित कइल गलत बात बा. नामित करे के व्यवस्था एह चलते बा कि चुनाव ना लड़े वाला विशेष क्षेत्र में विशेष ज्ञान राखे वाला लोग के परिषद में ले आइल जाव बाकिर ९कर उपयोग राजनीतिक उद्देश्य से हो रहल बा.

बलिया में सुरहा महोत्सव में धुरान के सम्मान

नब्बे साल के भोजपुरिया गायक भोजपुरी सम्राट वीरेन्द्र सिहं धुरान के शनिचर का रात बांसडीह रोड में आयोजित सुरहा महोत्सव में सम्मानित कइल गइल. अपना बुढ़ौती का बावजूद धुरान अपना मधुर आवाज में गायकी के कमाल देखवलन. कार्यक्रम में कई गो कलाकारन आ साहित्यकारन के सम्मानित कइळ गइल.

आईपीएल थ्री का सेमीफाइनल में मुबई

काल्हु का मैच में राज्स्थान रायल्स के ओकरा घरेलू मैदान में हरा के मुंबई इण्डियंस सेमी फाइनल में चहुँप गइल. एह जीत में सचिन के नाबाद ८९ रन के बड़हन योगदान रहल. आजु का मैच में पिछला चैंपियन डक्कन चार्जर्स खातिर करो या मरो वाला मुकाबिला बा रायल चैलेंजर्स से. डक्कन के आज के मैच जीतल हर हालत में जरुरी बा ना त ऊ सेमीफाइनल में ना चहुँप पाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up