टटका खबर, सोमार, १९ अप्रैल

by | Apr 19, 2010 | 0 comments

थरुर से इस्तीफा ले लिहल गइल

अपना हैसियत आ प्रभाव के गलत इस्तेमाल से कोच्ची टीम खातिर सुनन्दा पुष्कर के सत्तर करोड़ रुपिया के हिस्सेदारी फोकटे मे दिआवल महँग पड़ गइल शशि थरुर के. काल्हु सुनन्दा ओह सत्तर करोड़ के इक्विटी छोड़ दिहली तबो थरुर पर लागल ग्रहण ना टलल. सरकार का लगे उनका हस्तक्षेप के पुख्ता जानकारि रहुवे आ उनकर सफाई कवनो काम ना आइल. मजबूरी में थरुर के इस्तीफा देबे के पड़ल आ मंत्रिमण्डल से उनकर विदाई हो गइल.

मुख्तार अंसारी आ उनका भाई से भगवान बचावस

सपा नेता शिवपाल सिंह यादव काल्हु कहलें कि मुख्तार भाईयन से भगवान बचावस. अटकल लागत रहुवे कि ऊ लोग अब सपा में वापिस हो जाई बाकिर सपा तइयार नइखे बुझात. अब मुख्तार से जुड़ल लोगन पर प्रशासन के गाज गिरल शुरु हो गइल बा. काल्हु मऊ जेल में बन्दी अपराधियन से मिले वाला लोग के जम के तलाशी भइल. चार गो मुलाकातियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल आ एक दर्जन मोटरसाइकिल चालान कर दिहल गइल. ई लोग आजमगढ़ से आइल रहुवे.

गैर कानूनी कब्जा करे वाला से प्रशासन के समझौता

बनारस के महगाँव में ग्राम सामज के जमीन पर कब्जा कर के आपन मकान बनवा लेबे वाला से प्रशासन समझौता करे के मजबूर हो गइल. मकान गिरावे चहुँपल टीम घंटो किचकिच कइलस बाकिर उपर से आइल एके फोन ओह लोग के हेकड़ी भुलवा दिहलस आ ऊ लोग ओह आदमी से समझौता कर के वापिस लवटि गइलें, कहल जात बा कि ऊ आदमी ओतने जमीन ग्राम समाज के दे दी. ई त उहे भइल कि बलात्कारी के सजा ना दे के ओकरा साथे ओह लड़की के बिआह करा दिहल जाव.

मायावती का खिलाफ सीबीआई का लगे सुबूत होखे के दावा

सीबीआई सुप्रीम कोर्ट से कहले बा कि ओकरा लगे पर्याप्त सुबूत बा जवना से मायावती का खिलाफ आमदनी से बेसी के संपत्ति होखे के मुकदमा चलावल जा सकेला. कहलस कि साबित हो सकेला कि मायावती का लगे नाजायज संपत्ति बा. साल २००३ में मायावति का लगे एक करोड़ के संपत्ति रहुवे जवन साल २००७ में बढ़ के पचास करोड़ हो गइल.

सोनिया मनमोहन के जोड़ी से जनता के कमर टूट रहल बा

२१ अप्रेल का दिने दिल्ली में दस लाख के भीड़ जुटावे के योजना बनवले भाजपा आपन कुछ नारा जारी कइले बिया जवना में से एगो में कहल गइल बा सोनिया मनमोहन की ये जोड़ी. आम आदमी की कमर तोड़ी. दोसर नारा बा डिब्बा कनस्तर खाली है परेशान घरवाली है. प्रदर्शन करे वाला लोग ३० गो रेलगाड़ी, छह हजार बस, आ चार हजार गाड़ी से दिल्ली चहुँपी लोग. वामदल आ सपा २७ अप्रैल के भारत बन्द के एलान कइले बा लोग.

मनसे मानसिकता के शिकार भइल आस्ट्रेलिया

आस्ट्रेलिया में एगो संस्थान के हवाले से कहल गइल बा कि जवना रफ्तार से भारत आ चीन के लोग आस्ट्रेलिया आ रहल बा ओहसे पन्द्रह साल के भीतर प्रवासी समुदाय बहुमत में हो जाई. एह रिपोर्ट का बाद ओहिजा भारतियन पर होखे वाला हमला अउरी बढ़ जाये के अनेसा बा.

मगध विश्वविद्यालय कुलपति का नियुक्ति पर विवाद

बिहार के राज्यपाल विश्वविद्यालयन के कुलाधिपति हउवन आ कुलतियन के नियुक्ति ओहिजे से होखेला. यूजीसी के तरीका ह कि एगो समिति बने जवना में कुलाधिपति, राज्य सरकार आ यूजीसी के प्रतिनिधि शामिल होखस आ पैनल बनावस कि केकरा के कुलपति बनावल जाव. बाकिर बिहार में शायदे कबो एह तरीका के पालन होखेला. मगध विश्विद्यालय का कुलपति का रुप में एगो विवादास्पद आदमी के नियुक्ति पर बुद्धिजीवी आ सरकार आपन आपत्ति दर्ज करवले बा.

जुर्माना लगावे वाला पर कोर्ट जुर्माना लगवलस

एगो आदमी गलती से पासपोर्ट आवेदन में अपना बेटा के जन्म स्थान दोसरा जगह लिख दिहले रहुवे जवना पर पासपोर्ट अथारिटी ओकरा पर जुर्माना ठोक दिहलस. ऊ आदमी दिल्ली हाईकोर्ट चल गइल जहवाँ फैसला भइल कि ऊ गलत जानकारी जानबूझ के ना दिहल गइल रहे से ओकरा पर लगावल जुर्माना गलत बा. पासपोर्ट अथारिटी ऊ जुर्माना लवटा देव आ तीन हजार रुपिया जुर्माना ओकरा ऊपर से देव.

मुंबई हमला के फैसला ३ मई के

मुंबई हमला में शामिल एगो पाकिस्तानी अजमल आमिर कसाब आ दू गो हिन्दुस्तानियन का खिलाफ कोर्ट के फैसला ३ मई के आवे वाला बा. एक साल से बन्द कसाब पर सरकार अबले करीब ३३ करोड़ रुपिया खर्च कर चुकल बिया. ओकरा के अइसनका जेल में राखल बा जवना पर बम से हमला ना हो सके. ओह सेल के एगो सुरंग से अदालत से जोड़ल बा जहवाँ ओकरा मामिला के सुनवाई होखेला.

आईपीएल के दुनू सेमीफाइनल अब मुंबई में होखी

बेंगलुरु में भइल बम धमाका का बाद फैसला कइल गइल बा कि दुनु सेमी फाइनल, तीसरका जगहा खातिर मैच आ फाइनल अब मुंबई में करावल जाई. पहिले सेमीफाइनल वाला मैच बेंगलरुर में होखेवाला रहुवे. काल्हु का मैच में डेक्कन चार्जर्स दिल्ली डेयर डेविल्स के हरा के सेमीफाइनल में चहुँप गइल. दिल्ली के सफर खतम हो गइल. दोसरा मैच में चेन्नई सुपर किंग्स हारत हारत जीत गइल आ तीसरका बेर सेमीफाइनल में चहुँप गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up