टटका खबर, सोमार, २६ अप्रैल

by | Apr 26, 2010 | 0 comments

फोन टेपिंग का मुद्दा पर संसद में हंगामा

फोन टेपिंग का मुद्दा पर आज संसद के दुनु सदन में विपक्ष का साथे सरकार के समर्थन दे रहल बसपा आ राजदो के सांसद जम के हंगामा कइलें. ओह लोग के कहनाम रहे कि मामिला गंभीर बा आ प्रधानमंत्री खुदे आ के आपन बयान देस. सरकार के कहनाम रहे कि दुपहर बाद गृहमंत्री बयान दीहन. बाकिर विरोध करे वाला लोग प्रधानमंत्री से जवाब चाहत बा. मजबूरन दुनु सदन के बारह बजे ले स्थगित कर देबे के पड़ल. बाद में जब लोकसभा फेर से बइठल त हो हल्ला का बीचे में गृहमंत्री कहलें कि आरोप झूठ बा आ फोन टेप करे के कवनो सुबूत नइखे.

अमर सिंह का साथे चलत चार गो गाड़ी के चालान

अमर सिंह के साथे चलत चार गो वाहन के काल्हु चालान कर दिहल गइल काहे कि ऊ चारो वाहन बनारस के आईजी जोन राजेन्द्र पाल सिंह का गाड़ी से आगे निकले का कोशिश में रांग साइड से आ गइलें. ओह घरी रेलवे क्रासिंग बन्द रहे आ जाम लागल रहे. जौनपुर के पुलिस अधीक्षक कहलें कि चारो गाड़ी यातायात नियम के उल्लंघन में चालान कइल गइल.

तोगड़िया फेर आग उगिललन

विश्व हिन्दू परिषद के महासचिव डा॰प्रवीण तोगड़िया काल्हु मेरठ में एगो सभा में कहलें कि जबले हिन्दू बेरोजगारन के रोजगार नइखे मिल जात तबले ऊ मुस्लिम आरक्षण ना होखे दीहें. तोगड़िया एहू बात पर नाराजगी जतवलन कि कुछ हिन्दू मालिक अपना किहाँ मुस्लिमन के नौकरी देबे लें जबकि बहुते हिन्दू बेरोजगार घूमत बाड़े. कहलन कि आपसी भेदभाव का चलते हिन्दू समाज विभाजित बा जवना के फायदा केन्द्र सरकार उठा रहल बिया.

कांग्रेस पिछड़ा विरोधी हियऽ, कहलें मुलायम

सपा नेता मुलायम सिंह यादव काल्हु पिछड़ा वर्ग संघ के आयोजित लखनऊ सभा में बोलत कांग्रेस के पिछड़ा विरोधी बतवलन. कहलन कि कांग्रेस हमेशा पिछड़ा नेता के बेइमान साबित करे में लागल रहेले. कहलें कि अगर मुसलमान आ पिछड़ा वर्ग एक जुट हो जाव त कांग्रेस के खतम कइल जा सकेला आ पिछड़ा अउर अल्पसंख्यक समाज के विकास खातिर इ जरुरी बा.

दू दिन के नक्सली बन्द का चलते कई ट्रेन रद्द

नक्सली दू दिन के बिहार झारखण्ड बन्द के एलान कइले बाड़े सन जवना चलते कई गो ट्रेन रद्द कर दिहल गइल बा आ रात में चलेवाली गाड़ियन के गति धीमा करे के फैसला लिहल गइल बा. एहमें राजधानियो एक्सप्रेस के गति कम कर दिहल जाई.

बिना मुकदमा फाँसी चढ़ा दिहल गइल

अपना पर खतरा आवत देख भारत के क्रिकेट बोर्ड अतना परेशान हो गइल बा कि ऊ नइखे चाहत कि साँच सामने आवे. ललित मोदी के बिना सुनले उनका के बर्खास्त कर दिहल गइल आ बड़ौदा क्रिकेट एसोसिएशन के प्रमुख चिरायु अमीन के आईपीएल कमिश्नर बना दिहल गइल बा. बोर्ड अध्यक्ष शशांक मनोहर के कहनाम बा कि आईपीएल विवाद के सही जाँच खातिर जरुरी रहे कि ललित मोदी के हटा दिहल जाव.

रसड़ा में बैंक मैनेजर का खिलाफ गेट पर ताला

सेन्ट्रल बैंक के रसड़ा शाखा के मैनेजर का मनमानी का खिलाफ स्वंय सहायता समूह के औरत आजु प्रदर्शन कर कर गेट पर ताला लगा दिहले बाड़ी.

शोएब मलिक मीडिया से मंगले साढ़े तीन करोड़

रिसेप्शन आ वलीमा के कवरेज करे के अधिकार देबे खातिर शोएब मिलक मीडिया से साढ़े तीन करोड़ रुपिया के माँग कइले बाकिर कवनो चैनल देबे के तइयार ना भइल त पत्रकारन के बाहर निकलवा दिहलें. ओकरा बाद शोएब आ सानिया मिर्जा सियालकोट चल गइल लोग.

तेरह गो जोड़ा के सामूहिक विवाह

काल्हु छपरा का एकता भवन में सर्व धर्म सामूहिक विवाह के आयोजन ग्लोबल ग्रुप छपरा का तत्वाधान मे भइल जवना में तेरह गो जोड़ा के शादी संपन्न करावल गइल. एह मौका पर मौजूद सिवान के सांसद ओमप्रकाश यादव, सारण जिला परिषद के अध्यक्षा सोमा यादव वगैरह लोद शादी विवाह के फिजूल खर्ची रोके खातिर एह तरह के आयोजन करावे पर जोर दिहल.

आईपीएल फाइनल चेन्नई जीतलसि

सचिन के अरमान पूरा ना हो पावल आ काल्हु चेन्नई सुपर किंग्स मुंबई इण्डियंस के हरा के फाइनल जीत लिहलसि. सचिन तेंदुलकर के आईपीएल थ्री में सबसे बेसी रन बनावे का चलते आरेंज कैप इ प्रज्ञान ओझा के सबसे बेसी विकेट लेबे का चलते पर्पल कैप मिलल. पहिला बेर अइसन भइल बा कि दुनु कप कवनो भारतीये का मूड़ी पर चढ़ल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up