टटका खबर, सोमार, २६ जुलाई

by | Jul 26, 2010 | 0 comments

श्रद्धांजलि दे के मानसून सत्र के पहिला दिन के काम पूरा

संसद के मानसून सत्र के आजु पहिलका दिन रहे आ परम्परा का मुताबिक पिछला सत्र आ एह सत्र का बीच मरल लोग के श्रद्धांजलि दे के सदन स्थगित कर दिहल गइल. पूर्व उपराष्ट्रपति भैरो सिंह शेखावत, बिहार से सांसद दिग्विजय सिंह, आ एगो पूर्व सांसद रामसागर के निधन पर शोक प्रकट कइल लोग. आजु कारगिल विजय के ११ वीं वर्षगाँठ पर कारगिल युद्ध के शहीद सैनिकनो के श्रद्धांजलि दिहल गइल. एह बीच नक्सल हमला में मारल गइल सीआरपी जवाननो के याद कइल गइल.

मन के बाति जुबान पर आइल

सीबीआई का दुरुपयोग के सवाल पर प्रधानमंत्री पत्रकारन से कहले कि सीबीआई कांग्रेसी ब्यूरो आफ इन्वेस्टिगेशन ना ह. ऊ अपना हिसाब से काम करेला. कहलन कि सोहराबुद्दीन के मामिला के जाँच ओकरा के कोर्ट का आदेश से मिलल बा. अब प्रधानमंत्री देश के सम्मानित पदाधिकारी हईं उहाँ से बहस के करी. बाकिर सीबीआई के कारनामा पूरा देश देखले बा लालू का मामिला में, मुलायम का मामिला में, मायावती का मामिला में, बूटा सिंह का मामिला में, हवाला काण्ड का मामिला में वगैरह. कवन कवन मामिला गिनावल जाय?

केरल के मुख्यमंत्री मुस्लिम कटघरा में

केरल के मुख्यमंत्री वी एस अच्युतानन्दन कहले बाड़े कि पापुलर फ्रंट अपना सांप्रदायिक आ विघटनकारी कार्यकलापन से केरल के मुस्लिम बहुल राज्य बनावे का जुगत में लागल बावे. उनका एह बयान का बाद सेकूलर नेता आ मुस्लिम संगठन उनकर विरोध कइल शुरु कर दिहले बाड़न. जबकि हालही में पापुलर फ्रंट समर्थक एगो इसाई शिक्षक के हाथ काट दिहलन काहे कि ऊ इम्तिहान में अइसन सवाल पुछले रहे जवना से मुस्लिम भावना आहत भइल रहे. कांग्रेस नीत यूडीएफ एह बयान के मुख्यमंत्री के चाल बतवले बा कि ऊ हिन्दू कार्ड खेलल चाहत बाड़न. भला बताईं, हिन्दुस्तान में मुस्लिम कार्ड केहू खेले हिन्दू कार्ड केहू कइसे खेल सकेला?

दू महीना का भितरे पाँच हाली बच्चा जनत बाड़ी बिहार के कुछ महिला

जनकल्याण के सरकारी योजना में कतना लूट खसोट होला एकर अनुमान एह बात से लगावल जा सकेला कि बिहार में करीब तीन सौ औरत जननी सुरक्षा योजना के नाजायज लाभ उठावे खातिर साठ दिन का भितरे पाँच गो तक बच्चा जन दिहली. डाक्टर से ले के सिविल सर्जन तक ओह बाति के प्रमाणितो कर दिहले आ ओह औरतन के कुल मिला के करीब साढ़े छह लाख रुपिया से बेसी के अनुदानो दे दिहल गइल. अब बड़ा बाबू कतना खइलें आ सिविल सर्जन कतना ई त सीबीआईओ पता ना लगा पाई. दयाशंकर का खाली बलिये में होले?

रक्षा मंत्रालय ऊ कानून देखावे जवना चलते औरतन के सेना में बहाली ना हो सके

सुप्रीम कोर्ट रक्षा मंत्रालय से सवाल पूछले बिया कि ऊ कानून देखावल जाव जवना में कहल गइल बा कि औरतन के सेना में स्थायी कमीशन पर बहाल ना कइल जा सके. न्यायमूर्ति जे एम पंचल आ न्यायमूर्ति ज्ञान सुधा मिश्रा कहले बा लोग कि सेना एक्ट १९५० के धारा १२ संविधान के धारा १४ का खिलाफ बा. एडीशनल सालिसीटर जनरल पराग त्रिपाठी के तर्क रहे कि संविधान के धारा ३३ का तहत ई व्यवस्था मिलल बा.

इन्टरसेप्टर मिसाइल के सफल परीक्षण

भारत आजु उड़ीसा का तट पर व्हीलर द्वीप से आपने बनावल इन्टरसेप्टर मिसाइल के सफल परीक्षण कइलसि. पहिले अग्नि मिसाइल छोड़ल गइल आ जब राडार से ओकर सिग्नल सत्तर किलोमीटर दूर राखल व्हीलर द्वीप पर मिलल त इन्टरसेप्टर मिसाइल छोड़ दिहल गइल जवन बीचे अकास में पृथ्वी मिसाइल के रोक दिहलसि.

यूपी के सिपाहिये उखाड़ ले गइले एटीएम

यूपी के राज्यमंत्री अवधेश वर्मा के सुरक्षा में नियुक्त सिपाही अपना दू गो साथियन के लेके शाहजहाँपुर सदर थाना इलाका में कार्पोरेशन बैंक का एटीएम का सोझा टाटा मैजिक खड़ा कर के चौकीदारन के पिटाई कइलस आ एटीएम उखाड़ के लाद ले गइल. बिजली के तारो काट दिहले रहे ऊ सिपाही बाकिर ओकरा पता ना रहे कि कैमरा ओकर फोटो ले लिहले बा. बाद में पुलिस दू गो सिपाहियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. तीसरका भागे में सफल रहल. एगो सिपाही का कोठरी से एटीएमो बरामद कर लिहल गइल. ओकनी खातिर सबले दुख के बाति ई रहल कि ओहमें राखल आठ लाख चौवन हजार सात सौ रुपिया ऊ चोरसिपाही ना निकाल पवले.

नेपाल में राजनीतिक अनिश्चितता के दौर

नेपाल के दुर्भाग्य बा कि दू दू हाली वोट डलवला का बावजूद केहू के प्रधानमंत्री नइखे चुनल जा सकल काहे कि सबसे बेसी वोट पावे वाला माओवादी प्रचण्डो के एतना वोट नइखे मिल पावत जवना से ६०१ सदस्य वाली संविधान सभा में उनकर स्पष्ट बहुमत साबित हो पावे. नेपाली कम्यूनिष्ट पार्टी चुनाव में शामिल नइखे होत आ ८५ सदस्य वाला मधेशी समूह आपन माँग मनवावे का चक्कर में बा आ जे मानी ओकरे के वोट दी. आजु वोट पड़े वाला रहल ह बाकिर ओहमें देरी हो रहल बा.

ब्याज दर बढ़े का अनेसा से शेयर बाजार में बिकवाली के दिन

रिजर्व बैक काल्हु २७ तारीख के एक बेर फेर ब्याज दर में बढ़ोतरी कर सकेला एह अनेसा से आजु शेयर बाजार का सेन्सेक्स में १२९ अंक के गिरावट देखे के मिलल. वइसे एह गिरावट के खास कारण रहल स्टेट बैंक आ मारुति सुजुकी इण्डिया के शेयरन में बिकवाली. वइसे गिरावट हर सेक्टर में देखल गइल. स्माल आ मिडो कैप में गिरावट आइल बा.

खेल का दुनिया से

भारतीय खेल के गन्दा चेहरा हउवन सुरेश कलमाडी. ई बाति परगट सिंह कहले बाड़न. परगट हाकी इण्डिया के अध्यक्ष के चुनाव लड़त बाड़न. ऊ कलमाडी पर आरोप लगवले बाड़न कि कलमाडी ८३ साल के विद्या स्टोक्स के अध्यक्ष बनवले राखल चाहत बाड़न जवना से हाकी पर उनकर पकड़ बनल रहो. कहलन कि अगर मौजूदा प्रबन्धन जीत जात बा त एकरा के हॉकी कलमाडी कहल बेसी ठीक रही हॉकी इण्डिया कहल ना.

कोलम्बो में हो रहल दुसरका टेस्ट के टॉस जीत के श्रीलंका बल्लेबाजी करे के फैसला कइले बा. भारत का तरफ से युवराज सिंह आ गौतम गंभीर घवाहिल हो गइला का चलते एह मैच में नइखन खेल पावत. श्रीलंका के टीम गेंदबाजन के कमजोरी से आहत बा. मुरलीधरन रिटायर हो गइले आ लसित मलिंगा के शामिल नइखे कइल जा सकल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up