टटका खबर, सोमार, २ अगस्त

by | Aug 2, 2010 | 0 comments

बिहार के मुसलमान लालू का साथे

अतवार का दिने लालू प्रसाद का आवास पर मुस्लिम समुदाय के प्रभावशाली लोग से छह घंटा तक चलल बातचीत का बाद फैसला लिहल गइक कि बिहार के मुसलमान लालू प्रसादे का साथ रहीहे आ पिछलका चुनाव लेखा कांग्रेस का साथे जाये के गलती ना करीहे. इहो कहल गइल कि मुस्लिम समाज के पिछड़ापन के सबसे बड़का कारण कांग्रेसे बिया जवन कबहियो मुसलमानन के पनपे ना दिहलसि.

शाटगन आखिर कबले चुप रहितन

बोलिये दिहलन कि उनुका साथे विश्वासघात भइल बा. कहाँ त कहल जात रहे कि अगिला चुनाव उनके नेतृत्व में लड़ल जाई आ कहाँ ई हाल कर दिहल गइल कि बावन सदस्य वाली अभियान समिति में उनुका के चपरासी बना दिहल गइल बा. शाटगन का नजर में ई विनाश काले विपरीत बुद्धि के बात बा. एगो अउरी नेता चन्द्रमोहन राय चुनाव समिति के गठन के आलोचना करत कहले बाड़न कि पहिले से चलल आ रहल परम्परा के अबकी तूड़ दिहल गइल बा जब पूर्व अध्यक्ष लोग के चुनाव समिति में नइखे राखल गइल. चन्द्रमोहन इहो कहलन कि साल ९५ का बाद पहिला बेर उनुका के चुनाव समिति में नइखे राखल गइल.

ब्रिटिश प्रधानमंत्री कैमरून अपना कहल बाति पर अड़ल बाड़े

पाकिस्तान के आतंकवाद के निर्यातक देश बतावे वाला बयान का बाद पाकिस्तान में हो रहल मरिचाही आलोचना का बादो डेविड कैमरुन कहले बाड़न कि ऊ कुछऊ गलत नइखन कहले. कैमरुन का बयान का बाद आईएसआई प्रमुख जनरल शुजा पाशा आपन इंगलैण्ड के दौरा रद्दकर दिहले बारन बाकिर राष्ट्रपति आसिफ जरदारी आजु इंगलैण्ड चहुँपे वाला बाड़नन आ शुक का दिने कैमरुन से उनकर मुलाकात के कार्यक्रमो बा.

कामनवेल्थ गेम्स में कांग्रेसी भ्रष्टाचार के मोरी बहत बा

सौ लीटर वाला फ्रीज ४२ हजार रुपिया में, ट्रेड मिल मशीन पौने दस लाख रुपिया में, आ साधारण कुर्सी सवा आठ हजार रुपिया में. बात खरीदे वाला दाम के नइखे होत बात हो रहल बा किराया के जवन एह सामानन खातिर पैंतालिस दिन के किराया दिहल जाई. अबहियो कुछ जानल बुझल जरुरी बा कि एह खेला में कतना अद्भुत खेला हो रहल बा? जय हो! आ सुरेश कलमाडी के कहना बा कि ऊ कुछऊ गलत नइखन कइले.

औरतन के सेना में स्थायी कमीशन देबे खातिर सरकार तइयार हो गइल

सुप्रीम कोर्ट के दखल का बाद केन्द्र सरकार एह बात खातिर तइयार हहो गइल बिया कि कानूनी आ शिक्षा वाली इकाईयन में काम करे वाली महिला सैन्य कर्मचारियन के स्थायी कमीशन पर बहाल कइल सकेला. बाकिर अबही असली लड़ाई, इन्फैन्ट्री, आ दोसरा विभागन में स्थायी कमीशन देबे के फैसला नइखे लिहल गइल.

काश्मीर में नया नया बवाल में अबले कम से कम पन्द्रह आदमी मर चुकले

काश्मीर में फेरु बवाल शुरु हो गइल बा आ एह नयका बबाल में अबले कम से कम पन्द्रह आदमी के जान जा चुकल बा. काश्मीर समस्या पर विचार करे खातिर दिल्ली में केन्द्र सरकार के कैबिनेट कमिटी आफ सेक्युरिटी का बइठका में उमर अब्दुल्ला के सही ठहरावल गइल आ उनका के केन्द्र के भरपूर समर्थन के बात कहल गइल बा. सोमार का दिने उमर अब्दुल्ला दिल्ली आके प्रधानमंत्री से भेंटो कइले.

फ्रेण्डशिप डे पार्टी में शामिल साढ़े तीन सौ छात्र पुलिस का गिरफ्त में

पूणे के सिम्बायोसिस इंस्टी्यूट आफ बिजनेस मैनेजमेंट के साढ़े तीन सौ छात्र छात्रा फ्रेन्डशिप डे मनावे खातिर एगो फार्म हाउस पर जुटल जहाँ ऊ लोग शराबो के सेवन कइल. एकरा बाद ओहिजा के ग्रामीण पुलिस सभका के रोक लिहलसि आ ओह लोग के मेडिकल चेकअप करावल गइल जेहसे पता चल सके कि खून में कतना अल्कोहल रहे. संस्थान से ऊ लोग लेट पार्टी के अनुमति ले के गइल रहे बाकिर समय पर ना लवटलि. पुलिस सगरी लड़कियन के त छोड़ दिहलसि बाकिर लड़िका लोग फेरा में फँसल बा.

यूपी में सांसद विधायकन खातिर कास पुलिस बल बनावे पर विचार

आये दिन जनप्रतिनिधियन पर होखे वाला हमला के देखत पुलिस सरकार का लगे प्रस्ताव भेजले बिया कि एह खातिर एगो अलगे पुलिस बल बना दिहल जाव. पुलिस के कहनाम बा कि लखनऊ में विधायक आवासन में जनता के खुलेआम आवाजाही पर कवनो नियन्त्रण नइखे जवना चलते एह तरह के दुर्घटना के हमेशा अनेसा बनल रहेला. जरुरी बा कि आम जनता के जनप्रतिनिधियन से बेरोकटोक मिलला जुलला पर रोक लगावल जाय.

सावन के पहिला सोमारी पर बनारस के किला बना दिहल गइल

सावन का पहिला सोमारी पर बनारस आवे वाला श्रद्धालुअन के भारी संख्या के अनुमान लगावत पूरा बनारस शहर के किला जइसन बना दिहल गइल बा जवना खातिर चप्पा चप्पा पर पुलिस बल के तैनाती कइल गइल बा. खास कर के बाबा विशवनाथ के एतिहासिक मन्दिर के सुरक्षा पर ध्यान दिहल गइल बा जवना के एगो हिस्सा अबहियो दोसरा समुदाय का कब्जा में बा आ जवना खातिर रह रह के शिव भक्तन में आक्रोश पनपत रहेला. बनारस में अउरियो कई गो शिव मन्दिर बाड़ी स आ सभकर सुरक्षा पर पुलिस के लगावल बा.

खेल का दुनिया से

इण्डियन प्रीमियर लीग के टीम बनावे में कंपनी कानून के अनदेखी कइल गइल बा. अब रजिस्ट्रार आफ कंपनीज के ओह कंपनियन का खिलाफ कार्रवाई करे के कहल गइल बा. एहमें से कई गो कंपनियन खातिर केन्द्रीय मंत्रीओ दखल दिहले रहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up