टटका खबर, सोमार, ३ मई

by | May 3, 2010 | 0 comments

कसाब के किस्मत के फैसला आजु

मुंबई हमला के अकेला बाचल आतंकी हमलावर अजमल कसाब के मुकदमा में आजु फैसला आवे वाला बा. ओह हमला में मराइल लोग के परिजन माँग करत बाड़े कि कसाब के सार्वजनिक रुप से फाँसी लटका दिहल जाव. कोर्ट के फैसला जवन आवे कसाब के फाँसी ना हो पाई. काहे कि केन्द्र सरकार में अतना कूवत नइखे कि ऊ अपना वोट बैंक के नाराज कर के संसद पर हमला करे वाला अफजाल गुरु भा मुंबई पर हमला करे वाला अजमल कसाब के फाँसी पर लटका सको. ओकरा एह काम के बहुते सारे विपक्षिओ समर्थन देबेलें काहे कि ओकनियो के आम जनता से बेसी मतलब अपना वोट बैंक से रहेला जवन हाल का वित्त विधेयक पर वोटिंग में सामने आइल रहे.

शारदानंद अंचल के निधन

बलिया के प्रमुख सपा नेता पूर्व मंत्री शारदानन्द अंचल के काल्हु अचानक निधन हो गइल. सीना में दर्द के शिकायत का बाद उनका के इलाज खातिर मऊ ले जात में रास्ते में निधन हो गइल. उनकर पार्थिव शरीर ले के लोग वापिस उनका गाँवे पशुहारी लवटल जहाँ अंतिम दर्शन करे खातिर लोग के तांता लाग गइल. उनकर अंतिम संस्कार आजु सरयू का किनार करावल जाई. शारदानंद का मौत से जिला में सपा के एगो बरियार खंभा उखड़ गइल.

बाप खातिर चलल गोली बेटी अपना पर ले लिहलस

बनारस का लगे मदाव गाँव में अतवार का फजीरे दबंग चन्द्रमा सिंह के गुण्डा पन्नालाल यादव के गाँव के पोखरा से माटी निकाले से रोके खातिर भइल बहसा बहसी में गोली मार दिहलें जवना का सामने झट से पन्ना लाल के बेटी आ गइल आ बाप के बचा लिहलस. बेटी गुंजा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ ओकरर हालत स्थिर बतावल जात बा. ग्राम सभा के पोखरा के चन्द्रमा आपन मिल्कीयत बतावेलें.

पटना विश्वविद्यालय के प्रोवीसी इस्तीफा दिहलें

शनिचर का दिने अधिकारियन का साथे बइठका लेत प्रोवीसी एस आई एहसन पर कुछ छात्रनेता हमला बोल दिहलें. कानून व्यवस्था के एह खराब हालात से आहत प्रोवीसी इस्तीफा दे दिहले बाड़न. उनकर कहनाम बा कि कुछ अधिकारी हमेशा वीसी आ प्रोवीसी के गलत सलाह देत रहेलें जवना से सही निर्णय लिहल मुश्किल हो जाले. वीसी श्यामलाल उनका के मनावे के कोशिश में बाड़े बाकिर एऋसन जिदियाइल बाड़े.

नाराज संघतिया बापिस लवटिहें

नीतीश कुमार से नाराज चलत कुछ संघतिया हवा के रुख देख के वापिस लवटल चाहत बाड़े. जगदीश शर्मा काल्हु नीतीश से भेंट कइलन जवना का बाद बतावत जात बा कि उनकर निलम्बबन वापिस ले लिहल जाई. दोसरा तरफ पी के सिन्हा जइसन कुछ लोग किसान महापंचायत बोलावे में लागल बा जवन ९ मई के पटना में होखी. एह महापंचायत में नीतीश के हवा खराब करे के कोशिश कइल जाई.

झारखण्ड में हेमन्त के चाल काम आ गइल बुझात बा

संसद जा के केन्द्र सरकार का पक्ष में दिहल शिबू सोरेन का वोट का बाद नाराज भाजपा झारखण्ड में समर्थन वापसी के घोषणा कर दिहलसि. बाद में शिबू के बेटा हेमन्त सोरेन कहलें कि शिबू से भुलक्कड़ सुभाव का चलते गलती हो गइल रहे. अगर भाजपा चाहे त आपन सरकार बना ले झामुमो समर्थन देबे के तइयार बा. सरकार बनावे के संभावना देख भाजपा में जवन मूड़ीकुचउवल शुरू भइल बा ओकरा बाद शिबू के कुर्सी सुरक्षित लउके लागल बा.

दोस्त का बीबी से बलात्कार करे के आरोपी मंत्री के इस्तीफा

कर्नाटक के खाद्य आ नागरिक आपूर्ति मंत्री हरतल हलप्पा आखिरकार इस्तीफा दे दिहलन. मंत्री पर उनका दोस्त के बीबी बलात्कार करे के आरोप लगवले बाड़ी. कहले बाड़ी कि मंत्री ओकरा घरे खाना खाये आइल रहलें. अचके आपन तबियत खराब होखे के बहाना बनवलन आ दवाई लेबे खातिर दोस्त के इंसपेक्शन बंगला भेज दिहलन. एने घर में अकेला रह गइल दोस्त के बीबी से बलात्कार कर बइठलन. जब दोस्त आइल त गिड़गिड़ात माफी माँगे लगलन. फेर जब घर से सुरक्षित निकल गइलन त धमकावल शुरु कर दिहलें. वइसे मंत्री एह सब बात के एडयन्त्र बतावत बाड़े. घटना पिछला साल नवम्बर के ह जवना के कवनो शिकायत दर्ज ना करावल गइल रहे आ अब जवना में कवनो चिकित्सकीय परीक्षण भा सुबूत ना जुटावल जा सके.

कोलकाता महानगरपालिका चुनाव में ममता कांग्रेस से नाता तूड़ली

केन्द्र में कांग्रेस के समर्थन करे वाली रेलमंत्री ममता बनत्जी कोलकाता में अपना के सुप्रीमो से कम ना बुझस. कोलकाता महानगरपालिका में कांग्रेस के २५ गो सीट दिहले रहुवी जवन ओकरा मंजूर ना रहे आ ऊ ८८ सीट पर आपन उम्मीदवार घोषित कर दिहलस. ममता नाराज हो के काल्हु कुल्हि १४१ सीट पर आपन उम्मीदवार घोषित कर दिहली. कहली कि लोकल कांग्रेसी वामपंथी दल के दलाल हउवें.

नेपाल में हड़ताल से जनजीवन रुक गइल

माओवादियन के सरकार बचावे में असफल रहला का बाद बनल आ चलत नेपाल सरकार के हटावे के माँग ले के माओवादी नेपाल में अनिश्चित हड़ताल के एलान कइले बाड़े जवना का बाद ओहिजा के जन जीवन रुक गइल बा. सुरक्षा का लिहाज से भारत नेपाल से सटल आपन सीमा के सील कर दिहले बा. मेन बार्डर पर आवे जाये वाला लोगन के गहन तलाशी लिहल जा रहल बा. नेपाल जाये वाली गाड़ियन के कतार सीमा पर लाग गइल बा.

खेलसंघन से महाप्रभुअन के छुट्टी हो जाई

देश का आधा से बेसी खेल संघ पर कुछ नेता भा प्रशासनिक अधिकारी बरिसन से केंचुली मरले बइठल बाड़े जवना से खेल के नुकसान हो रहल बा. कुछेक पदाधिकारी ३४ साल से अध्यक्ष बनल बइठल बाड़े. अब खेलमंत्रालय नया दिशा निर्देश जारी कर दिहले बा जवना का बाद कवनो आदमी अध्यक्ष पद पर लगातार भा टुकड़ा में बारह बरिस से बेसी ना रह सके, सचिव आ कोषाध्यक्ष पद पर रहे वाला लोग चार साल का अन्तराले का बाद दुबारा खड़ा हो पइहें. एह नियम से जगदीश टायटलर, विजय कुमार मल्होत्रा, कैप्टन सतीश शर्मा, सुरेश कलमाडी, सुखदेव सिंह ढीँढसा, आ केपीएस गिल के छुट्टि हो जाये के चाहीं. बाकिर? का होखी देखल जाव. वइसे काल्हु का बीसबीसा क्रिकेट वर्ल्डकप में भारत दक्षिण अफ्रीका के हरा दिहलस जबकि पाकिस्तान आस्ट्रेलिया से हार गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up