टटको में टटका खबर : 12 अक्टूबर 2014, अतवार

by | Oct 12, 2014 | 0 comments

राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के नार्वे आ फिनलैंड के सरकारी दौरा पर जाए से पहिले विदा करत उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी, केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति इरानी आ दिल्ली के उपराज्यपाल नजीब जंग.

राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के नार्वे आ फिनलैंड के सरकारी दौरा पर जाए से पहिले विदा करत उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी, केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति इरानी आ दिल्ली के उपराज्यपाल नजीब जंग.

  • इलाहाबाद टीसन पर सीआरपीएफ के एगो सिपाही ट्रेन का आगा कूद के जान दिहलसि.
  • नीतीश कुमार कहलन कि भरप पसारे वाला गद्दी पर आ गइले आ जनता के नीक दिन आइल चाहे ना झाड़ू के नीमनका दिन जरूरे आ गइल.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के वाराणसी दौरा हुदहुद का चलते रद्द क दिहल गइल.
  • काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के सर सुन्दर लाल चिकित्सालय के एम्स के दर्जा दिआवे खातिर मशहूर हृदय रोग विशेषज्ञ डॉ ओम शंकर काल्हु सोेमार से विश्वविद्यालय परिसर में बेमियादी अनशन करीहें.
  • रोहतास जिले के भानस पुलिस चौकी का तेवड़ा गांव से एगो गाड़ी से सवा क्विशटल गाँजा बरामद कइलसि पुलिस बाकिर अपराधी भाग निकलले.
  • चौधरी अजीत सिंह का बोलहटा पर मेरठ में भइल किसान रैली में प्रधानमंत्री रहल एच.डी. देवगौड़ा, शरद यादव, आ नीतीश कुमार समेत अनेके दिग्गज जुटलें आ नई दिल्ली के सरकारी बंगला 12 तुगलक रोड के चरण सिंह स्मारक बनावे के माँग कइले.
  • भारत में पहिला बेर होखत फुटबाल के इंडियन सुपर लीग में आजु अतवार का दिने कोलकाता के टीम मुम्बई सिटी टीम के 3-0 से हरा दिहलसि.
  • आईसीसी के एकदिना रैकिंग में एह घरी दिलचस्प दौर चलत बा आ हर मैच का बाद माथ पर के तीन गो जगहा पर नाम बदल जात बा.
  • भाजपा नेता डॉ. प्रेम कुमार कहलन कि अगिला बेर अगर भाजपा के सरकार बने के मौका मिलल त मुख्यमंत्री पद ला उनकर दावा सबले बरियार रही. एकरे के कहल जाला पोखरा में मछरी नौ नौ कुटिया बखरा.
  • जोहोर बारु में होखत चउथा सुल्तान जोहोर कप जूनियर हाकी टूर्नामेंट में पिछला बेर के चैम्पियन भारत आपन विजयी शुरुआत करत न्यूजीलैंड के 2-1 से हरा दिहलसि.
  • नीतीश कुमार के सिद्धान्त बघारे वाला बयान पर गाभी मारत भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी कहलन कि वाह रे सिद्धांत, चारा घोटाला करे वाला लालू के गोदी में बइठे का बेरा कहाँ रहल, हरियाणा में शिक्षक बहाली घोटाला करे वाला ओम प्रकाश चौटाला खातिर प्रचार करत कहाँ गइल.
  • उत्तर प्रदेश में डीलर प्वाइन्ट रजिस्ट्रेशन के धीमा रफ्तार पर असंतोष जतावत सरकार का ओर से कहल गइल बा कि दस दिन का भीतर अपना किहाँ से बिकाइल वाहन के रजिस्ट्री ना करवावेवाला डीलर के सर्टिफिकेट निलम्बित क दिहल जाई.
  • प्रधान मंत्री नरेन्द्र मोदी महाराष्ट्र में चुनाव सभा में वादा कइलन कि अगर राज्य में भाजपा के सरकार बनत बा त तुलजापुर के आधुनिक पर्यटन जगह बना दिहल जाई.
  • भाजपा के उत्तर प्रदेश अध्यक्ष डा.लक्ष्मीकांत बाजपेई राज्य में बढल बिजली दर वापिस लेबे के माग कइले बाड़न. जानत बाड़े कि वापिस ना होखी बाकिर माँगे में कवन नुकसान!
  • गोण्डा जिला के इटियाथोक इलाका में दहेज हत्या का एगो मामिला में कब्र से निकाल के मरे वाली औरत के लाश अदालत के आदेश से पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल.
  • फुटबाल के दि इंडियन सुपर लीग के आजु कोलकाता में उद्घाटन भइल. एह लीग में आठ गो शहर के टीम शामिल भइल बा आ सत्तर दिन ले एह लीग के मैच चलत रही. उमेद बा कि तीन साल बाद ई इंग्लिश प्रीमियर लीग का तरह मशहुर हो जाई आ साल में सात से आठ महीना तक खेलल जाई. सुपर लीग फुटबाल से देश में फुटबाल के प्रति लोग के पसन्द अउर बढावे के काम होखी आ देश में बढ़िया फुटबाल खिलाड़ी उभर के सामने अइहें.
  • भोपाल का एगो समारोह में आआपा के नेता आ कवि कुमार विश्वास प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हाल के अमरीका यात्रा के बड़ाई कइलन आ कहलन कि एहसे देश के गौरव बढल बा.
  • लखनऊ में काल्हु 13 अक्टूबर से राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के दस दिन के अधिवेशन में संगठन आ राजनीति चरचा का साथ ही नरेन्द्र मोदी सरकार के कामकाजो के समीक्षा हो सकेले.
  • विदेशी मुद्रा भंडार में लगातार पँचवो हप्ता गिरावट दर्ज भइल बा. 03 अक्टूबर के पूरा भइल हप्ता में करीब तीन अरब डालर के कमी भइल बा.
  • भारत आ चीन के अधिकारी 16 अक्टूबर से बइठक क के चुमार जइसन हालाता दुबारा पैदा ना होखे खातिर काम करीहें. बइठक दू दिन चले वाला बा.
  • हुदहुद तूफान आंध्र प्रदेश के तट पर चहुँपल. चहुँपे बेरा हवा के रफ्तार हर घंटा 200 किलोमीटर के रहल. हुदहुद तूफान का चलते बिहार आ पूर्वांचलो में बरखा हो रहल बा.
  • बिहार के दवा घोटाला में बिहार मेडिकल सर्विसेज एंड इन्फ्रास्ट्रक्चर कॉरपोरेशन लिमिटेड प्रबंध निदेशक प्रवीण किशोर समेत खरीद समिति के दसो सदस्यन के निलंबित कर दिहल गइल. स्टेट ड्रग कंट्रोलर हेमंत कुमार आ निदेशक (स्वास्थ्य सेवाएं) डॉ सुरेंद्रो कुमार के निलंबित कइल गइल बा आ तवना घरी विभाग के संयुक्त सचिव रहल संजय कुमार के निलंबन के अनुशंसा केंद्र सरकार के भेजल गइल बा.
  • यूपी के सिनेमाघरन पर सरकार का तरफ से सोलर पैनल लगावे खातिर अनुदान देबे के फैसला लिहल गइल.
  • बिहार के भोजपुर जिला में सामूहिक दुष्कर्म के शिकार भइल छह गो मेहरारूवन में से पाॅच गो के सरकारी नौकरी दिहल गइल. एह लोग से बंदूक के नोक पर तीन गो बदमाश कुकर्म कइले रहले.
  • समाजवादी चिंतक डा॰ राममनोहर लोहिया के पुण्यतिथि पर आजु यूपी सरकार के मंत्री शिवपाल सिंह यादव का हाथे लोहिया के भाषणन के सीडी जारी कइल गइल. जगहे जगह लोग सभा कर के लोहिया के श्रद्धांजलि दिहले.
  • बिहार बोर्ड के मैट्रिक आ इंटर परीक्षा खातिर पंजीयन करावे के तारीख बढ़ा दिहल गइल. अब मैट्रिक ला 16 अक्टूबर ले आ इंटर ला 20 अक्टूबर ले पंजीयन करावल जा सकेला.
  • रोहतास जिला के नोखा इलाका में आरा सासाराम मेन रोड पर सबेरे एगो सड़क हादसा हो गइल जवना में एक आदमी के मौत हो गइल. बाद में खिसियाइल लोग घंटन सड़क जाम कर के राख दिहले.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up