टटको में टटका खबर : 16 अक्टूबर 2014, बियफे

by | Oct 16, 2014 | 0 comments

16 अक्टूबर, 2014 का दिने  नई दिल्ली में पंडित दीन दयाल उपाध्याय श्रमेव जयते कार्यक्रम के शुभांरभ करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

16 अक्टूबर, 2014 का दिने नई दिल्ली में पंडित दीन दयाल उपाध्याय श्रमेव जयते कार्यक्रम के शुभांरभ करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

  • महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता सोनिया गाँधी का लगे ओरहन ले के जइहें कि पृथ्वीराज चह्वाण का बयान से कांग्रेस के बड़का नेतन के छवि खराब भइल बा. चह्वाण कहले रहलन कि आदर्श घोटाला में उ कुछ ना कइलन काहे कि बड़ नेता लोग का खिलाफ कुछ करब त कांग्रेस के नुकसान हो जाई.
  • दिवाली आ छठ के भीड़ देखत रेलवे हावडा से नौतनवां का चलावत जात विशेष जनसाधारण साप्ताहिक गाड़ी के फेरा पाँच ट्रिप के कर दिहलसि.
  • कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी बियफे का दिने चंडीगढ़ के दौरा कइलन आ अपना पार्टी के पंजाब इकाई के नेता लोग से मिल जुल के रहे के कहलन. कहलन कि मिल के ना रही लोग त आगहूं विपक्षे में बइठे के पड़ी. राहुल कहलन त ना बाकिर सोचत जरूर होखीहें कि विपक्ष में बइठला का बादो पता ना नेता विपक्ष के पद भेटाई कि ना.
  • मध्यप्रदेश के सीधी टाइगर रिजर्व में आजु बाघ के चार गो बचवन के देखल गइल. एहनी के उमिर बीस से पचीस दिन के होखी. एह खबर से वन्यप्राणी प्रेमियन में खुशी के लहर उठ गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के चीनी मिल मालिक प्रदेश सरकार का खिलाफ इलाहाबाद उच्च न्यायायलय में गोहार लगवले बाड़न कि गन्ना के दाम तय होखे से पहिले मिल मालिकन के पेराई के काम शुरू करे ला मजबूर मत कइल जाव.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के अखिल भारतीय प्रचार प्रमुख मनमोहन वैद्य बियफे का दिने कहलन कि देश के हर नागरिक हिन्दू ह आ एहिजा केहू अल्पसंख्यक नइखे. कहलन कि जिनका के अल्पसंख्यक कहल जाला उहो लोग संघ के शाखा में आवल करेला आ देशसेवा के व्रत लेला.
  • विदेशी बाजारन में कच्चा तेल के गिरत दाम का बावजूद भारत के तेल कंपनियन के डीजल, किरासन तेल आ रसोई गैस बेचे में अबहियो रोजाना 139 करोड़ रुपिया के घाटा होखत बा.
  • देश के कारोबार जगत बियफे का दिने शुरू भइल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के श्रम सुधार वाला कार्यक्रम ‘श्रममेव जयते’ के सराहत बा. एह लोग के कहना बा कि एहसे कारोबार के बेहतर माहौल बनी आ श्रमिको के बेहतर सामाजिक सुरक्षा मिली.
  • उत्तर प्रदेश के करीब आठ हजार सब-इंस्पेक्टरन के राज्य सरकार का तरफ से सीयूजी मोबाइल दिहल जाई. एह मोबाइल से ई लोग हमेशा अपना बड़का अधिकारियन से संपर्क मे रहल करी.
  • फिकरु तेफेरा आ जाकुब पोडेनी के कइल गोल का सहारे एटलेटिको दे कोलकाता टीम बियफे का दिने इंदिरा गांधी स्टेडियम में खेलल फुटबाल के इंडियन सुपर लीग मुकाबला में मेजबान नार्थ ईस्ट युनाइटेड एफसी के 2-0 से हरा दिहलसि. कोलकाता के एह लीग में ई दुसरका जीत ह.
  • हरमनप्रीत सिंह के शानदार हैट्रिक का दम पर भारत के अंडर-21 पुरुष हॉकी टीम चउथा सुल्तान जोहोर कप टूर्नामेंट में बियफे का दिने मेजबान मलेशिया के 4-2 से हरा दिहले. अब ले खेलल चार गो मैच में से भारत तीन गो जीतले बा.
  • बक्सर आ बलिया के किसानन का बीच के जमीन के झगड़ा निपटावे ला आजु बक्सर में बलिया आ बक्सर के जिलाधिकारियन के बइठक भइल. बक्सर के किसानन के दावा बा कि ओहन लोग के चार हजार एकड़ जमीन बलिया वाले दबा के बइठल बाड़े. अब तय भइल कि 12 नवंबर से कागज का आधार पर सीमांकन के काम शुरू होखी.
  • जदयू आ राजद के कुछ बड़का नेता का लोग का बीच के बयानबाजी बतावत बा कि गठबन्हन में सब कुछ ठीकठाक नइखे चलत. राजद नेता रघुवंश प्रसाद सिंह बिहार के स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह का खिलाफ बोललन त रामधनिओ सिंह भर ढाका परोस दिहलन. अब जदयू के बिहार अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के कहना बा कि स्वास्थ्य मंत्री के सम्हर के बोलल चाहत रहे.
  • पाकिस्तान के तानाशाह रहल मियाँ मुशर्रफ आजु पाकिस्तान के टीवी चैनल प कहलसि कि पाकिस्तान के चाहीं कि उ कश्मीरी अलगाववादियन के उकसावे. कहलसि कि पाकिस्तान के सेना आ जनता कश्मीर का मुद्दा पर भारत से लड़ाई करे ला तइयार बइठल बाड़े.
  • करिया कमाई के धन का बारे में स्विस अधिकारी आ भारत के अधिकारी का बीच बात से तय भइल कि अब स्विट्जरलैंड एह बारे में माँगल जानकारी तय समय का भीतर दे दी.
  • कंपनियन के इंसपेक्टर राज से राहत दिआवे खातिर अब कंप्यूटर तय करी कि कवन इंसपेक्टर कवना कारखाना के निरीक्षण करे जाई. निरीक्षण का 72 घंटा भितरे आपन रिपोर्ट वेबसाइट पर डाल देबे के पड़ी.
  • पीएम मोदी आजु पंडित दीनदयाल उपाध्याय श्रमेव जयते कार्यक्रम के उद्घाटन कइलन. साथही एगो पोर्टल श्रम सुविधा के लोकार्पितो कइलन. एह पोर्टल से मैनुफैक्चरिंग का काम में लागल उद्योग के 16 गो का जगहा अब एके गो फार्म भरला से काम चल जाई.
  • जोरदार गिरावट का चलते आजु मुंबई शेयर बाजार करीब 350 अंक नीचे गिर के बंद भइल. आजु दुनिया भर के शेयर बाजारन में एही तरह के जोरदार गिरावट देखे के मिलल. बिकवाली के दबाव तब बन गइल जब लागल कि अमेरिकी फेडरल रिर्जव आपन प्रोत्साहन पैकेज खतम क दी.
  • भारत रत्न पवले क्रिकेट खिलाड़ी सचिन तेंदुलकर आजु बियफे का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से भेंट कइलन आ स्वच्छ भारत अभियान पर बातचीत कइलन.
  • गायब भइल बचवन का बारे में सर्वोच्च न्यायालय के बात पर अमल ना करे वाला राज्यन में शामिल बिहार आ झारखंड के मुख्य सचिवन आ पुलिस महानिदेशकन के अदालत में बोलावल गइल बा सफाई देबे ला.
  • वाराणसी के सारनाथ इलाका में नजायज संबंध राखे का शक में एगो आदमी अपना मेहरारू के छूरा घोंप घोंप के मुआ दिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश के गोंडा जिला में कर्नलगंज कोतवाली इलाका में बस से कचरा के एगो लड़िका के मौत हो गइल.
  • सर्वोच्च न्यायालय बियफे का दिने कहलसि कि मौजूदा कोयला कंपनियन के कोयला निकाले से मना ना करी काहे कि ओह लोग के छह महीना ले कोयला निकाले के इजाजत दिहल गइल बा.
  • बिहार के रोहतास जिला में धान का खेत में बकरी घुसला से भइल झगड़ा अतना बढ़ गइल कि एगो महादलित परिवार के 15 साल के बच्वचा के जिन्दे जरा दिहल लोग.
  • एशियाड में स्वर्ण पदक जीत के भारत अब हाॅकी में दुनिया के चार गो माथ देशन में जगह बनावे ला अगिला छह साल ले विश्व चैंपियन आस्ट्रेलिया संगे पांच पांच गो टेस्ट मैच के सीरीज खेली.
  • भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह बियफे का दिने लखनऊ अइहें आ राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के केंद्रीय मार्गदर्शक मंडल के बैठक में शामिल होखीहें.
  • चीन सरकार हांगकांग के लोकतंत्र सर्मथक नवहियन आ पुलिस का बीच बढ़त तनाव देखत बीबीसी के ब्लाक कर दिहले बिया चीन में.
  • नेविगेशन उपग्रह IRNSS-1C के सफल प्रक्षेपण से देश उपग्रह दिशा सूचक प्रणाली शुरू करे के बहुते नियरा ले चहुँप गइल बा. काम पूरा करे ला अबहीं नाहियो त चार गो अउर उपग्र्रह भेजे के पड़ी.
  • फुटबाल के इंडियन सुपर लीग के चउथा मैच में बुध का दिने गोवा एफसी के 2-1 से हराके अपना घरेलू मैदान का बाहर जीते वाला पहिलका टीम बन गइल चेन्नईन एफसी.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up