टटको में टटका खबर : 17 सितंबर 2014

by | Sep 17, 2014 | 0 comments

.

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आ चीन के राष्‍ट्रपति शी चि‍नपिंग 17 सि‍तम्‍बर, 2014 का दिने अहमदाबाद में साबरमती नदी का किनारे

  • यमन के राजधानी सना के उपनगर वादी धाहर में शिया मुस्लिम बागी आ कबाइलियन का बीच लड़ाई में बीस लोग मारल गइल.
  • केंद्रीय सतर्कता आयुक्त आ सतर्कता आयुक्त के बहाली प्रक्रिया में माथ अदालत के बात ना माने का आरोप पर सुप्रीम कोर्ट आजु एटर्नी जनरल मुकुल रोहतगी से स्थिति साफ करे के कहलसि.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी के विकास खातिर जापान से हाथ मिलवला का बाद आजु अहमदाबाद के तरक्की ला चीन से हाथ मिलवलन.
  • गोरखपुर के खोराबार इलाका में रेल लाइन का किनारे आजु एगो आदमी के लाश मिलल बा.
  • राँची के ‘हिन्दू कि मुस्लिम’ मामिला में रकीबुल उर्फ रंजीत कोहली के महतारी के जमानत याचिका अदालत खारिज क दिहलसि.
  • भारतीय महिला टीम 17 वांं एशियाई खेल के महिला फुटबाल प्रतियोगिता में बुध का दिने दक्षिण कोरिया से दस गोल से हार गइल.
  • बिहार के मंत्री रहल आ भाजपा के नेता डा॰ प्रेम कुमार के कहना बा कि मुख्यमंत्री पद पर सबले मजबूत दावा उनकरे बा आ हाल के उपचुनाव में मिलल हार सुशील कुमार मोदी का चलते भइल.
  • केन्द्र सरकार देश में वक्फ संपत्तियन के बेहतर प्रबंधन करा के सालाना 20 हजार करोड रूपिया कमाए आ एकरा के अल्पसंख्यकन के बेहतरी पर खरच करे के योजना बनावत बिया.
  • भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के कहना बा कि उपचुनाव के रिजल्ट पार्टी ला झटका नइखे. लोग भुला देत बा कि असम में पहिला बेर आ पश्चिम बंगाल कई साल बाद जीत मिलल बा.
  • आरा टीसन का लगे से अमृतसर-हावड़ा एक्सप्रेस से दू गो अपराधियन के असलहा साथे गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस.
  • देश के सस्ता विमान सेवा देबे वाली कंपनी इंडिगो 30 गो नया विमान खरीदे ला इंडस्ट्रीयल एंड कमर्शियल बैंक आफ चाइना से 2.6 अरब डालर के समझौता कइलसि.
  • इंडियन नेशनल लोकदल नेता अभय सिंह चौटाला के कहना बा कि अबहीं ले मुख्यमंज़ी भूपेंद्र सिंह हुड्डा का तरफ से मानहानि के नोटिस ओह लोग के मिलल नइखे आ जब मिल जाई त ओकर माकूल जबाब दे दिहल जाई.
  • महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पृथ्वीराज चव्हाण के कहना बा कि अगर राकांपा अधिका सीट लेबे के जिद्द पर अड़ल रहल त कांग्रेस अकेलही चुनाव लड़ जाई.
  • देश में मोबाइल बैंकिंग के इस्तेमाल तेजी से बढ़त बा आ साल 2013-14 का दौरान मोबाइल लेनदेन में 275 प्रतिशत बढ़ोतरी भइल बा.
  • सारण जिला में जयप्रभा सेतु का लगे से पुलिस तीन गो फर्जी जिला परिवहन अधिकारियन के गिरफ्तार कइलसि जे नाजायज वसूली में लागल रहे.
  • रोहतास जिला के चेनारी इलाका में आजु शाहपुर मोड़ का लगे एगो सड़क हादसा में बाप बेटा के मौत हो गइल.
  • जीतू राय के रजत पदक जीतला का बाद स्पेन के ग्रेनाडा में चलत 51 वीं विश्व निशानेबाजी प्रतियोगिता में दुसरका पदक जूनियर पिस्टल निशानेबाज प्रदीप 25 मीटर स्टैंडर्ड पिस्टल स्पर्धा में कांस्य के जीतलन.
  • स्काटलैंड के ब्रिटेन से आजाद करावे का मसला पर काल्हु जनमत संग्रह करावल जाई. लागत बा कि ब्रिटेन के अउरिओ इलाका स्वशासन के राह प चल जइहें.
  • पत्नी का साथे भारत दौरा पर आइल चीन के राष्ट्रपति के अहमदाबाद हवाई अड्डा पर शानदार स्वागत. गुजरात के राज्यपाल आ मुख्यमंत्री उनकर अगवानी कइल.
  • बंगलादेश सुप्रीम कोर्ट आजु जमात ए इस्लामी पार्टी नेता दिलावर हुसैन सैयदी के मौत के सजा कम क के आजीवन कारावास में तब्दील कर दिहलसि.
  • चौधरी चरण सिंह के कोठी खाली करावे के विरोध करत किसान यूनियन केंद्र सरकार के अल्टिमेटम दिहलसि.
  • बक्सर जिला में इलाहाबाद बैंक के जलहरा शाखा के गार्ड के गोली मार के दिनदहाड़े दस लाख रुपिया लूट ले गइले अपराधी.
  • लखनऊ के इंदिरा नगर के बहुचर्चित माज़ हत्याकांड के शूटर अजित यादव उर्फ बंटी के गाजीपुर जिला से गिरफ्तार कइलसि पुलिस.
  • असम के पुलिस महानिदेशक रहल शंकर बरुआ गुवाहाटी का अपना घर में मरल मिलले. हाल ही में सीबीआई उनुका से सारधा घोटाला में पूचताछ कइले रहुवे.
  • झारखंड में माओवादियों से मुठभेड़ में सीआरपीएफ के कोबरा इकाई के एगो जवान मारल गइल.
  • भाजपा के ललिता कुमारमंगलम राष्ट्रीय महिला आयोग के नईकी अध्यक्ष चुनइली.
  • जवने संगठन में यौन उत्पीड़न कमिटी ना मिली ओकरा खिलाफ कानूनी कार्यवाही करे के बात कहली महिला आ बाल विकास मंत्री मेनका गांधी.
  • प्रदर्शनकारियन के हत्या करावे का आरोप में पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज़ शरीफ, उनुका मंत्रियन आ अधिकारियन पर केस दर्ज भइल.
  • ऐपल आजु से अपना पुरनका डिवाइसन के नयका ऑपरेटिंग सिस्टम से अपडेट कइल शुरू कइलसि.
  • बॉक्सर मनोज के अर्जुन पुरस्कार से सम्मानित करे के फैसला.
  • चीनी राष्ट्रपति के भारत दौरा के विरोध में चीनी दूतावास का सोझा प्रदर्शन करत तिब्बती प्रदर्शनकारियन के पुलिस हिरासत में लिहलसि.
  • भाजपा सांसद आ अभिनेता शत्रुघ्न सिन्हा के कहना बा कि अनुभवी नेता लोग के किनारा कइल भाजपा आ आरएसएस के महँग पड़त बा.
  • सिवान जिला के पचरुखी थाना के सुपौली गांव में दहेज खातिर एगो नया बिआहल कनिया के गरदन दबा के मुआ देबे के आरोप लगवले ओकरा नइहर के लोग.
  • रोहतास जिला के कोचस इलाका के छीतनडिहरा गांव में जमीन का झगड़ा में अक आदमी के पीट-पीट के मुआ दिहल गइल.
  • जम्मू-कश्मीर के माछिल सेक्टर में सुरक्षा बल दू गो आतंकवादियन के मार गिरवले.
  • सारण जिला के पानापुर थाना इलाका के बसहियां गाँव से एगो कट्टर नक्सली रविकांत सहनी के गिरफ्तार कइलसि पुलिस. पुलिस के पता चलल रहे कि सहनी अपना गाँवे आइल बा त छापा मार के ध लिहलसि.
  • राकेट में गैस भरत घरी विस्फोट होखला से 14 गो इस्लामिक स्टेट आतंकवादी मारल गइले. घटना बगदाद का लगे के ह.
  • कोलम्बिया में उग्रवादियन के हमला से सात गो पुलिस अधिकारियन के मौत आ सात गो घवाहिल. घात लगा के पुलिस काफिला पर हमला भइल.
  • अपना जनम दिन प माई के गोड़ छू के आशीर्वाद लिहलन नरेन्द्र मोदी. माई हीराबा अपना बेटा के मिठाई खिअवली आ दिहली 5001 रुपिया कश्मीर रिलीफ फंड खातिर.
  • उत्तर प्रदेश विधानसभा के 11 सीट के उपचुनाव में कांग्रेस के दू गो छोड़ हर सीट पर जमानत जब्त हो गइल.
  • खराब बल्लेबाजी का चलते पिछला बेर के चैम्पियन मुम्बई इंडियंस के मंगल का दिने नार्दन डिस्टि्रक्टस से छह विकेट के हार के चैम्पियंस लीग बीसबीसा टूर्नामेंट से बाहर होखे के पड़ल.
  • पाकिस्तान का इतिहास में शायद पहिला बेर अइसन भइल कि खिसियाइल विमान यात्री कवनो वीआईपी के जहाज से उतरवा दिहले होखसु. 16 सितंबर के अइसने भइल आ पाकिस्तान के गृह मंत्री रहल रहमान मलिक आ सत्तारूढ दल के सांसद रमेश कुमार वकंवानी के विमान से उतरे ला मजबूर कर दिहल गइल.
  • भारत चार साल पहिले ग्वांगझू एशियाई खेल में आपन सबले बढ़िया प्रदर्शन में दुसरका प्रदर्शन कइले रहुवे आ अब इंचियोन एशियाई खेल में ओकर नजर आपन 63 साल पुरान रिकार्ड तूड़े के बा.
  • बालीवुड अभिनेत्री सोनाली बेन्द्रे के भाई आ एगो अउर रिश्तेदार के 16 सितंबर का दिने कर्नाटक के मुलाबालिगी का नियरा सड़क हादसा में मौत हो गइल.

टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up