टटको में टटका खबर : 20 सितंबर 2014, शनिचर

by | Sep 20, 2014 | 0 comments

केन्द्रीय माइक्रो, मिनी आ मिडियम  उद्यम मंत्री कलराज मिश्र 20 सितंबर, 2014 का दिने कोलकाता में भारतीय वाणिज्य मंडल के आयोजित 'एमएसएमई का वित्त पोषण और मजबूत होते एमएसएमई संपर्क 5वां राष्ट्रीय सम्मेलन एवं गोलमेज बैठक' का दौरान स्टॉल देखत.

केन्द्रीय माइक्रो, मिनी आ मिडियम उद्यम मंत्री कलराज मिश्र 20 सितंबर, 2014 का दिने कोलकाता में भारतीय वाणिज्य मंडल के आयोजित ‘एमएसएमई का वित्त पोषण और मजबूत होते एमएसएमई संपर्क 5वां राष्ट्रीय सम्मेलन एवं गोलमेज बैठक’ का दौरान स्टॉल देखत.

  • सुपर ग्रैंड मास्टर आ पाँच बेर के विश्व चैम्पियन विश्वनाथन आनंद विश्व शतरंज चैंपियनशिप से पहिले अपना आखिरी टूर्नामेंट बिलबाओ फाइनल मास्टर्स में खिताब का नियरा ले चहुँप गइल बाड़न.
  • अहमदाबाद के सरदार वल्लभभाई पटेल अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डे से आजु फजीरे आबू धाबी से एयर अरेबिया के उड़ान से दिल्ली के तीन आदमी अपना गुदा मार्ग मे एक किलो सोना लुका के ले आवत धरइले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – रतीय रोइंग खिलाडी दुष्यंत रोइंग के लाइटवेट पुरुष एकल स्कल हीट में शनिचर का दिने दुसरका जगहा रहलन.
  • मुलायमसिंह यादव आज कांग्रेस आ राकांपा से निहोरा कइलन कि महाराष्ट्र में फिरकावाराना ताकतन के दूर राखे खातिर मिल के चुनाव लड़े लोग.
  • बसपा सुप्रीमो मायावती कहले बाड़ी कि मुसलमान खातिर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के बयान पूरा पूरी राजनीतिक मतलब साधे खातिर कहल गइल बा.
  • पंजाब के मलेरकोटला में गौ हत्या पर रोक लगावे के मांग ले के पंजाब के सगरी हिंदू संगठन 24 सितम्बर के पंजाब में सगरो दू घंटा ले रेलगाड़ी रोकीहें.
  • मोदी के जाए से पहिले विदेश मंत्री सुषमा स्वराज न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र महासभा में जइहें आ करीब सौ देशन के विदेश मंत्रियन से मुलाकात करीहें.
  • वाराणसी के मडुआडीह इलाका के एगो तालाब का लगे दू दिन से नापाता टेम्पो चालक के लाश मिल गइल.
  • गुजरात के अमरेली जिला के धारी तालुका के सरसिया गांव में एगो इनार में गिरल शेर के बच्ची के लाश बरामद भइल.
  • असम के मुख्यमंत्री तरूण गोगोई के कहना बा कि दुर्गा पूजा से पहिले असम में अलकायदा भा कवनो अउर आतंकी संगठन कवनो घटना करा सकेले.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव राज्य के बिजली संकट के दोष सीधे केन्द्र सरकार पर लगवले.
  • पश्चिम चंपारण जिला के भंगहा इलाका के पचरौता बार्डर आउट पोस्ट से सशस्त्र सीमा बल के जवान करीब एक करोड़ रूपिया के चरस का साथे तस्करो के गिरफतार क लिहले.
  • गोपालगंज जिला के भोरे इलाका के हुसैपुर बाजार में आजु एगो व्यवसायी के छूरा घोंप के मार दिहले अपराधी.
  • बंगला देश अपना हियाँ भारत के निवेशकन ला एसईजेड बनावे खातिर मनमाफिक जगहा देबे के तइयार हो गइल. अ भारत कोलकाता-ढाका मैत्री एक्सप्रेस ट्रेन में कोच आ फेरा बढाई.
  • गुजरात में पोरबंदर जिला के राणावाव शहर में राकांपा के बहुमत वाला नगरपालिका के अध्यक्ष सामतभाई ओडेदरा 15 गो सदस्यन का साथे भाजपा में शामिल हो गइले आ अब एहू नगरपालिका पर भाजपा के कब्जा हो गइल.
  • रुहेलखंड एजुकेशन सोसाइटी आ राममूर्ति ग्रुप आफ एजुकेशन समूह पर चलत आयकर छापेमारी का दुसरका दिने शुक के 28 करोड़ रुपिया के नकदी आ करोड़ों रुपिया के जेवर मिलल.
  • बियफे के 15 करोड़ रुपिया नकदी आ छह किलो सोना बरामद भइल रहे.
  • अपना के सीएम रेस से बाहर बतावत बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा ई जोड़ल ना भुलइलें कि अगर पार्टी कवनो जिम्मेदारी दी त पीछे ना हटीहें.
  • सिवान के पश्चिमी मुहल्ला से किडनैप भइल लड़िका कृष्णा के सतरहे सितंबर का रात, जहिया ओकरा के किडनैप कइल गइल, मार के मेहरौना पुल से नीचे फेंक दिहल रहे. ई बात एह मामिला में गिरफ्तार आरोपी पूछताछ में बतवलसि.
  • उत्तर प्रदेश के शामली जिला के कैराना विधानसभा सीट पर उपचुनाव खातिर अधिसूचना जारी भइल. वोट 15 अक्टूबर के दबावल जाई.
  • बिहार में संविदा पर बहाल अमीनन के अपना के असालतन करावे का माँग खातिर आमरण अनशन आजु पँचवो दिने जारी रहल.
  • तहरीक-ए-तालिबान पाकिस्तान खुद कहले बा कि ओकर वरिष्ठ कमान्डर हसन रहमल्लाह दू दिन पहिले उत्तरी वजीरिस्तान में पाकिस्तानी सुरक्षा बल का हाथे मरा गइल बा.
  • पाकिस्तान के गुप्तचर एजेन्सी आई एस आई के महानिदेशक लेफटीनेंट जनरल जेहीरूल इस्लाम 1 अक्टूबर के रिटायर होखे वाला बाड़न आ पीएम नवाज शरीफ के बुझात नइखे कि अगिला महानिदेशक केकरा के आ कइसे चुनस.
  • आआपा के संयोजक आ 49 दिन ले दिल्ली के मुख्यमंत्री रहल अरविंद केजरीवाल प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के चिट्ठी लिख के कहले बाड़न कि भाजपा में सांप्रदायिकता आ सरकार में भ्रष्टाचारो पर नजर राखल जाव.
  • भारत के महत्वाकांक्षी अंतरिक्ष अभियान में मंगलयान के मंगल ग्रह के कक्षा में घुसे के छन देखे ला पीएम नरेन्द्र मोदी 24 सितंबर का दिने इसरो केन्द्र में मौजूद रहीहें.
  • अंतर्राष्ट्रीय बाजार में चार साल में पहिला बेर चांदी के दाम चालीस हजार रुपिया प्रति किलो का नीचे. सोनो के दाम में चालीस रुपिया के गिरावट.
  • इंचियोन एशियाई खेल – पहिलके दिन भारत के एथलीटन के मनतूरन प्रदर्शन. सुखेन डे समेत कवनो एथलीट पदक ना जीत पवले.
  • पाकिस्तान प्रधानमंत्री रहल बेनजीर भुट्टो के बेटा आ पा.पी. पार्टी के नयका पीढी के नेता बिलावल भुट्टो जरदारी के कहना बा कि उ पूरा कश्मीर भारत से आजाद कराके रहीहें. उनकर नानो हजार साल ले भारत से लड़े के बात कहत रहलें.
  • अंतरराष्ट्रीय आईस हाकी संघ दक्षिण कोरिया के प्योंगचांग में साल 2018 में होखे वाला विंटर ओलंपिक खातिर मेजबान देश के आईस हाकी टीम के सीधा प्रवेश दिहलसि.
  • भारत के वालीबाल कप्तान रहल आ अर्जुन पुरस्कार विजेता के॰ उदय कुमार के शुक का दिने दिल के दौरा पड़ला से निधन.
  • इंचियोन एशियाई खेल – पहिलके दिन भारत जे जूडो खिलाड़ी सुशीला देवी लिकमाबम, कल्पना देवी थोडम आ नवतोत चाना आपन आपन मुकाबला हार के टूर्नामेंट से बाहर.
  • गुजरात के मुख्यमंत्री निजी प्रैक्टिस करे वाला डाक्टरन से हप्ता में कम से कम एक दिन सरकारी अस्पताल में गरीब मरीजन के इलाज करे के गोहार कइली.
  • उत्तर प्रदेश में मैनपुरी के करहल इलाका में दू गुट का बीच भइल गोलीबारी से नाहियो त चार जने मरले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – बैडमिंटन के स्पर्धा में भारत के पुरुष टीम के दक्षिण कोरिया से 0-3 के लाज लागे वाला हार.
  • अमेरिका सीरिया में इस्लामिक स्टेट के ठिकाना पर बिना बतवले हवाई हमला करे के कहले बा. कब करी से पहिले से ना बताई.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के हैंडबाल टीम अपना ओपनिंग मैच में चीनी ताइपे से 20-39 से हारल.
  • जौनपुर जिला के मछलीशहर तहसील का मादरडीह टीला पर खुदाई करत में भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण विभाग आ काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के पुरातत्व विभाग के टीम कुषाणकाल के बहुते सामान मिलल.
  • एहमें पचास गो चांदी के सिक्का, गुप्तकाल के अभिलिखित मुहर, चौका, औजार, लुटिया, तांबा के कील, पकावल माटी के बरतन आ खिलौना समेत अनेके सामान मिलल. मादरडीह के नाम पहिले मन्दहा रहल.
  • लखनऊ के मोहनलालगंज में आजु एगो पटाखा फैक्ट्री में भइल विस्फोट में नाहियो त पांच जने के मौत आ बीस जने के घवाहिल होखे के अनेसा. चार जने के हालत गंभीर.
  • छत्तीसगढ के अन्टागढ विधानसभा सीट ला उपचुनाव में भाजपा के भोजराज नाग 51 हजार से अधिका वोट से जीतले. मतों के अन्तर से जीत हासिल की है।
  • नालंदा जिला के हिलसा इलाका के चमर बिगहा गांव के एगो नाबालिग छात्रा से सामूहिक कुकर्म करे के मामला उपटल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – सायना नेहवाल आ पी वी सिंधू बढिया प्रदर्शन करत मकाऊ(चीन) के 3-0 से पीटके महिला बैडमिंटन प्रतियोगिता के टीम स्पर्धा के क्वार्टरफाइनल में चहुँपली.
  • पश्चिम चंपारण जिला के नौतन इलाका के पुरंदरपुर गांव में दहेज खातिर एगो औरत के गरदन दबा के मुआ दिहल गइल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के जीतू राय निशानेबाजी के पुरुष व्यक्तिगत 50 मीटर पिस्टल स्पर्धा में देश खातिर पहिलका स्वर्ण पदक जीतलन.
  • इंचियोन एशियाई खेल – श्वेता चौधरी महिला निशानेबाजी के 10 मीटर एयर पिस्टल स्पर्धा में कांस्य पदक जीतली.
  • इराक के सबले बड़का शिया धर्मगुरू अयातोल्लाह अल-सिस्तानी कहलन कि इस्लामिक स्टेट के आतंकवादियों का खिलाफ अंतर्राष्ट्रीय हस्तक्षेप सही बा.
  • फ्रांस के राष्ट्रपति रह चुकल निकोलस सरकोजी फेरू सक्रिय राजनीति में वापस लवटलें.

टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up