टटको में टटका खबर : 21 अक्टूबर 2014, मंगल

by | Oct 21, 2014 | 0 comments

शहरी विकास पर चरचा का दौरान प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

शहरी विकास पर चरचा का दौरान प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

  • महाराष्ट्र में विधान सभा के चुनाव के बाद सरकार बनावे के कवायद में शिवसेना के पुरनिया नेता सुभाष देसाई आ अनिल देसाई आजु मंगल का दिने दिल्ली में महाराष्ट्र के पर्यवेक्षक जे पी नड्डा से भेंट करे खातिर दिल्ली रवाना हो गइले.
  • पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आज पटना के संस्कृत महाविद्यालय के नाम डा॰ श्रीकृष्ण सिंह के नाम पर करे के आ बिहार विश्वविद्यालय में उनकर आदमकद प्रतिमा लगावे के एलान कइलन त दिल्ली में नीतीश कुमार श्रीकृष्ण बाबू के भारत रत्न देबे के माँग कर दिहले.
  • राष्ट्रीय राजधानी से सटले फरीदाबाद के पटाखा बाजार में आजु धनतेरस का दिने लागल भीषण आग में करीब 200 दुकान जलके खाक हो गइली सँ.
  • भाजपा अध्यक्ष अमित शाह मंगल का दिने 28 गो राज्यन आ केंद्र शासित इलाकन के पार्टी प्रभारियन में फेर बदल क दिहले. उत्तर प्रदेश के प्रभारी अब ओम माथुर के बनावल गइल बा.
  • फ्रांसीसी स्ट्राइकर बर्नार्ड मेंडी के कइल गोल का चलते चेन्नईन एफसी आजु मंगल का दिने जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में भइल फुटबाल के इंडियन सुपर लीग में लगातार दुसरका मैच जीत लिहलसि.
  • ढाका में खेलल मैच में भारत के अंडर-16 महिला फुटबाल टीम आजु मंगल का दिने एएफसी चैम्पियनशिप के क्वालीफाईंग टूर्नामेंट में संयुक्त अरब अमीरात के 12-0 गोल से हरा दिहुवे.
  • अंतर्राष्ट्रीय साख निर्धारण संस्था मूडीज के कहना बा कि डीजल के दाम नियंत्रणमुक्त कइल आ प्राकृतिक गैस के दाम बढ़ावल सरकार के वित्तीय अनुशासन देखावत बा आ एहसे भारत के साख बढ़ जाई.
  • उत्तर प्रदेश में दिवाली पर शहर से लेके गांव ले बिना कवनो बाधा के बिजली के आपूर्ति करे के कहले बिया सरकार. साँझ पाॅच बजे से सात बजे का बीच हर गाँव के बिजली दिहल जाई. वइसे आजु मुख्यमंत्री का कार्यक्रम में बिजली कट गइल रहे जवन छह मिनट बाद लवटल. लाज बचावे खातिर कहल गइल कि बिजली कटल ना रहुवे, लाइन में कुछ गड़बड़ आ गइल रहुवे.
  • रोहतास जिले के सासाराम टीसन का लगे तकिया रेल फाटक पर आजु मंगल का दिने एगो ट्रेन से कटा के दू जने के मौत हो गइल.
  • बलिया नगर का कोतवाली इलाका में काल्हु रात एगो सर्राफा व्यवसायी लक्ष्मी सोनी के घर पर धावा बोलके अपराधी लाखों रुपिया के जेवरात वगैरह लूट लिहले सँ आ विरोध कइला पर चार सवाँग के घवाहिल कर दिहले सँ.
  • हाल के एशियाई खेल में 16 साल बाद स्वर्ण पदक जीते वाली भारतीय पुरुष हॉकी टीम के मुख्य कोच टेरी वाल्श आजु मंगल का दिने वेतन भुगतान के मसला पर विवाद का चलते इस्तीफा दे दिहलन.
  • उत्तर प्रदेश सरकार आ निजी चीनी मिल मालिकन का बीच समझौता का बाद अब उमेद बा कि अगिला महीना से पेराई के काम शुरू हो जाई.
  • मिर्जापुर के कछवा इलाका में काल्हु रात एगो ओझा का घर पर हमला करे वालन में से दू आदमी के हत्या कर दिहल गइल. एह हमला में दू जने घवाहिल भइल बाड़े.
  • सारण जिला के अवतार नगर थाना के बोधा छपरा गाँव का लगे काल्हु साँझ भइल सड़क हादसा में घवाहिल दू जने के आजु अस्पताल में इलाज करावत में मौत हो गइल.
  • बीचे में भारत दौरा रद्द क के चल गइला से भइल नुकसान का चलते भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड फैसला कइलसि कि वेस्टइंडीज क्रिकेट बोर्ड का खिलाफ कानूनी कार्रवाई करी. साथही वेस्टइंडीज का संगे कवनो दुपक्षीय श्रृंखला ना खेली.
  • उत्तर प्रदेश में फिलिम शूटिंग आ निर्माण के बढ़ावा देबे खातिर प्रदेश सरकार अब दू करोड़ रुपिया अनुदान में दी बशर्ते फिलिम बहुत हद ले प्रदेशे में बनावल जाव.
  • अपना प्रेमिका रेवा स्टीनकैम्प के गैरइरादतन हत्या के दोषी मानल गइल दक्खिन अफ्रीका के पैरा एथलीट ऑस्कर पिस्टोरियस के आजु मंगल का दिने पांच साल कैद के सजा सुनावल गइल.
  • श्रीलंका से होखे वाला पांच गो एकदिना के पहिला तीन मैच ला धोनी के आराम देत विराट कोहली के कप्तान बनावल गइल बा.
  • भोजपुरी आ हिन्दी के साहित्यकार प्रो.अरुणेश नीरन के मारीशस सरकार आपन भाषा साहित्य आ संस्कृति के क्षेत्र में दिहल जाए वाला “विश्व भाषा सम्मान” से सम्मानित करी.
  • केन्द्रीय वाणिज्य आ उद्योग राज्य मंत्री निर्मला सीतारमण एह बात से इन्कार कइले बाड़ी कि केन्द्र सरकार आनलाइन खुदरा कारोबार के काबू में राखे खातिर कवनो नया कानून बनावे के सोचत बिया.
  • संघ के प्रचारक रहल मनोहर लाल खट्टर नरेन्द्र मोदी के साथी हउवें आ पंजाबी मूल के हउवें. संगठन के बढ़िया अनुभव बा खट्टर के.
  • मनोहर लाल खट्टर के हरियाणा विधायक दल के नेता चुनल गइल. हरियाणा के गैर जाट मुख्यमंत्री बनीहें करनाल के विधायक मनोहर लाल खट्टर.
  • कांग्रेस कहलसि कि कवनो हाल में शिवसेना के समर्थन ना दी. राकांपा से पुछलसि कि भाजपा के समर्थन कइसे आ काहे देत बिया. भाजपा से पुछलसि कि नेचुरली करप्ट पार्टी भा हप्ता वसूली पार्टी से समर्थन काहे लेत बिया.
  • औरंगाबाद के देव मोड़ का लगे बस आ ट्रक के टक्कर में अक दर्जन से अधिका सवारी घवाहिल.
  • पटना में श्रीकृष्ण जयंती पर बोलावल जदयु के कार्यक्रम में नीतीश कुमार ना अइहन. भाजपा काल्हु मनवले रहुवे श्रीकृष्ण जयंती. भाजपा कहलसि कि बिहार के विकास ला केन्द्र से मिल के चले वाली सरकार चाहीं.
  • गैंगरेप का मामिला के खिलाफ आजु भोजपुर बंद. जनसाधारण एक्सप्रेस के आधा घंटा ले रोकल गइल. मामिला में गिरफ्तार लोग के निर्दोष बतावत राष्ट्रवादी किसान पंचायत बंद बोलवले बिया.
  • महाराष्ट्र में 12 गो निर्दलीय विधायक भाजपा के समर्थन करीहें. अइसन दावा सुने में आवे लागल बा. शिवसेना कैबिनेट में आधा माँगत बिया जवना खातिर भाजपा तईयार नइखे. तिसरी देे सकेले. भाजपा के विधायक शिवसेना से दुगुना बाड़ें त मंत्रियो दुगुना बनावे के बात.
  • महाराष्ट्र में भाजपा विधायक दल के नेता के फैसला अब दिवाली का बाद होखी. राजनाथ सिंह आ अउरी केन्द्रीय पर्यवेक्षक दिवाली का बादे मुंबई आ पइहें.
  • हरियाणा के भाजपा विधायक दल के नेता के फैसला आजु दुपहरिया में होखे जात विधायक दल के बइठक में क लिहल जाई. दौड़ में अभिमन्यु सिंह पीछे छुटलन. कवनो गैर जाट नेता के मौका मिले के संकेत.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up