टटको में टटका खबर : 26 सितंबर 2014, शुक

by | Sep 27, 2014 | 0 comments

अमेरिका का रास्ता में फ्रेंकफर्ट अंतर्राष्‍ट्रीय हवाई अड्डे पर पहुंचले प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

अमेरिका का रास्ता में फ्रेंकफर्ट अंतर्राष्‍ट्रीय हवाई अड्डे पर पहुंचले प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

  • पाकिस्तानी प्रधानमंत्री नवाज शरीफ संयुक्त राष्ट्र में भाषण देत फेरू कश्मीर मुद्दा पर फेंकरले आ एह झगड़ा के सलटावे के जरूरत बतवले.
  • कोलकाता के एगो अदालत सारधा चिट फंड घोटाला में राज्य के पुलिस प्रमुख रहल रजत मजुमदार. व्यवसायी संधीर अग्रवाल आ एगो दमदार अधिकारी देवव्रत सरकार के एक महीना ला न्यायायिक हिरासत में भेज दिहलसि.
  • वीरेन्द्र सहवाग के 52 आ मनन वोहरा के 65 रन का बदौलत किंग्स इलेवन पंजाब 120 रन से नार्दन डिस्टि्रक्टस के हरावत चेम्पियंस लीग बीसबीसा टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में चहुँप गइल.
  • चंदौली के सदर कोतवाली इलाका में आजु शुक का दिने ट्रेन से कटा के एगो बूढ़ के मौत हो गइल.
  • शिवसेना से नाता तूड़ला का बाद भाजपा का तरफ से महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव ला 172 उम्मीदवारन के पहिला सूची जारी क दिहल गइल.
  • अमेरिका के एगो अदालत से गुजरात दंगों से जुड़ल मामला में पीएम नरेन्द्र मोदी का खिलाफ मुकदमा दायर कइला के भारत का तरफ से छोटपन के हरकत बतावल गइल.
  • उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग से चुनाइल 2001 एमबीबीएस डाक्टरन से आपन पसंदीदा जिला बतावे के कहल गइल बा. सूची विभागीय वेबसाइट पर मौजूद बा.
  • सारण जिला के तरैया इलाका के भदौरा गांव से पुलिस लाखो रुपिया के लूटल ड्राइफ्रूट बरामद कइलसि.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के महिला वालीबाल टीम शुक का दिने मालदीव के 3-0 से हरावत क्वार्टर फाइनल में चहुँपल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के संदीप सेजवाल तैराकी के पुरूष वर्ग में 50 मीटर ब्रेस्टस्ट्रोक स्पर्धा में कांस्य पदक जीतलन. तैराकी में भारत के मिले वाला ई पहिला पदक हवे.
  • स्वच्छ भारत अभियान में मीडिया आ मनोरंजन उद्योग से सहयोग के गोहार लगवले बिया केन्द्र सरकार.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय वाराणसी जिला में अबकिओ का दुर्गापूजा के बाद गंगा में मूर्ति बहावे के मंजूरी दे दिहलसि.
  • 3 अक्टूबर से पाटलिपुत्र टीसन चालू होखेवाला बा. चालू हो गइला पर राजेंद्रनगर आ पटना जंक्सन से दिल्ली, मुंबई, चेन्नई जाए वाली गाड़ियन के एहिजा से चलावल जाई जवना से पटना जंक्सन पर भीड़ में कमी हो सकी.
  • पाटलिपुत्र टीसन चालू होखे के खबर सुनते जलालपुर गाँव के लोग रेलवे टै्रक जाम क के धरना दिहल. एह लोग के माँग बा कि पहिले जलालपुर जाए वाली सड़क आ नाला बनावल जाए आ गाँव का सोझा रेलवे क्रासिंग बने.
  • महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पृथ्वीराज चव्हाण अल्पमत में अइला का चलते इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि राकांपा पहिलही से भाजपा से साँठगाँठ कइले रहुवे आ चुनाव का बाद दुनू मिल जइहें.
  • गठबन्हन टूटे ला भाजपा पर आरोप लगावत बिया शिव सेना. ओकर कहना बा कि महाराष्ट्र में भाजपा हिंन्दुवन के एकता तूड़े के कोशिश कइले बिया जवना ला एहिजा के लोग कबो माफ ना करी ओकरा के.
  • लद्दाख के चुमार इलाका से चीन आ भारत के सेना हटल शुरू क दिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश सरकार सहारनपुर के कुतुबशेर इलाका में पिछला 25-26 जुलाई के रात भइल दंगा के मुख्य आरोपी मोहर्रम अली उर्फ पप्पू पर रासुका लगा दिहले बिया.
  • इलाहाबाद के नवाबगंज इलाका में शुक का दिने एगो नीली बत्ती लगवले बोलेरो से आइल बदमाश एगो शराब व्यवसायी के कैशियर से एक करोड साठ लाख रुपिया लूट के चल दिहले.
  • जौनपुर के नगर कोतवाली इलाका में एगो नीम पेड पर जल चढावे आ ओहिजा पूजा करे से रोके का झगड़ा में एगो महाविद्यालय के प्राचार्य समेत दी जने के गिरफ्तार क लिहल गइल.
  • कैमूर के भभुआ, मोहनिया, कुदरा, चैनपुर, आ रामगढ़ में यूरिया खाद ना मिलला से परेशान किसान प्रदर्शन कइले.
  • रोहतास के करगहर में एगो सड़क हादसा में एगो लड़िका के मौत हो गइल. एकरा विरोध में लोग कुछ देर खातिर सड़क जाम क दिहल.
  • सेबी का तरफ से 25 गो निवेशकन आ एगो ब्रोकर पर घालमेल क के स्पेक्टेकल इंफोटेक लिमिटेड के शेयर के दाम चढ़ावे का आरोप में एक करोड़ सताइस लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा.
  • इंचियोन एशियाई खेल – मुक्केबाजी में शिवा थापा 56 किलोवर्ग में आ कुलदीप सिंह 81 किलोवर्ग का क्वार्टरफाइनल में चहुँपले. बाकिर अखिल कुमार आ अमृतप्रीत सिंह हार के बाहर हो गइले.
  • सपा आरोप लगवलसि कि गाँधी का नाम पर राजनीति होखत बा त जबाब में भाजपा कहलसि कि हमनी का गाँधी के सम्मान करीला उनुका नाम पर राजनीति ना करीं.
  • भाजपा नकारत बिया कि महाराष्‍ट्र में चुनाव का बाद शिवसेना आ राष्‍ट्रवादी कांग्रेस पार्टी से गठबन्हन क सकेले.
  • हाजीपुर से राघोपुर प्रखंड के प्रखंड विकास पदाधिकारी विनोद कुमार के गाड़ी चालक के उनुका नाम पर घूस लेत पुलिस ध लिहलसि.
  • साख तय करेवाली एगो अंतरराष्ट्रीय एजेंसी स्टैंडर्ड एंड पुअर्स भारत के साख अनुमान बीबीबी माइन्स से बढ़ावत स्थिर क दिहलसि त शेयर बाजार में सुधार आ गइल आ तीन दिन का गिरावट थम गइल शुक का दिने.
  • फर्जी प्रमाणपत्र लगा के सेना के नौकरी ला चुनाइल 52 गो रंगरुटन का खिलाफ कार्रवाई शुरु कइलसि सेना. सगरी बहाली पंजाब के ह.
  • पुरनका लखनऊ में शिया सुन्नी झगड़ा में लिखल एफआईआर रद्द करे के निहोरा खारिज क दिहलसि हाई कोर्ट.
  • भारत के मुख्य न्यायाधीश के कहना बा कि न्यायपालिका के उच्च पद पर के बहाली अगर कवनो दोसर संस्था करी त न्यायपालिका के स्वतंत्रता प्रभावित हो सकेला.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के पुरुष आ महिला स्क्वैश टीम फाइनल में चहुँपली सँ. कम से कम दू गो रजत पदक अउर पक्का भइल.
  • अफगानिस्तान के गजनी में तालिबानियन के हमला में पिछला पाँच दिन में बहुते लोग मराइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के स्वच्छ भारत मिशन के सफल बनावे खातिर आजु कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद अपना मंत्रालय में झाड़ू लगवलन.
  • टेलीविजन चैनलन का बीच टीआरपी के मारामारी से नाराज उच्चतम न्यायालय आजु केंद्र सरकार से पूछलसि कि इलेक्ट्रॉनिक मीडिया खातिर एगो मजगर निकाय कब ले बनाई.
  • आतंकवादी संगठन बोको हराम के प्रमुख नेता अबुबकर शेखू के मरे का बारे में नाहियो त तीन बेर खबर आ चुकल बा आ उ हर बेर जियत मिल जाला बाद में.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के महिला तीरंदाजी टीम सेमीफाइनल में हार गइल. व्यक्तिगतो मुकाबला में दीपिका कुमारी जयंत तालुकदार, लक्ष्मीरानी माझी वगैरह खिलाड़ी हारत गइले.
  • बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो आजु भोजपुर जिला मध्याह्व भोजन कार्यालय के एगो लेखापाल के 20 हजार रूपिया घूस लेत रंगे हाथ ध लिहलसि.
  • लखनऊ मेट्रो रेल परियोजना अमौसी हवाई अड्डा से इन्दिरानगर के मुंशी पुलिया तक ले बनावल जाई. 20 किमी के ई रेल लाईन तीन चरण में बनावल जाई आ पहिला चरण साल 2016 ले पूरा क लिहल जाई.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के मुक्केबाज शिवा थापा 56 किग्रा वर्ग आ कुलदीप सिंह 81 किग्रा वर्ग. के आपन आपन मुकाबला जीतके क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइले.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के मुक्केबाज शिवा थापा 56 किग्रा वर्ग आ कुलदीप सिंह 81 किग्रा वर्ग. के आपन आपन मुकाबला जीतके क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइले.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के सबले बडका पदक उम्मीद आ लंदन ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता सायना नेहवाल महिला एकल में चीन के यिहान वांग से हार गइली.
  • गुजरात में अमरेली जिले के खांबा तहसील के बारमण गांव में काल्हु देर रात शेरन के एक झुंड एगो गौशाला पर हमला क के छह गो बछड़न के मार डललसि.
  • इंचियोन एशियन खेल – पेंबा तमांग, गुरप्रीत सिंह आ विजय कुमार निशानेबाजी प्रतियोगिता में पुरुष वर्ग के 25 मीटर सेंटर पांयर पिस्टल टीम स्पर्धा में रजत पदक जीत लिहले.
  • सारण जिला के दिघवारा थाना के पालीगंज में भारतीय स्टेट बैंक की पालीगंज शाखा के ग्राहक सेवा केन्द्र के एगो कर्मचारी के जान ले के लूटेरा दू लाख रूपिय लूट ले गइले.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के महिला वालीबाल टीम क्वार्टरफाइनल खेले खातिर भइल मुकाबला में शुक क दिने मालदीव के हरा के अगिला दौर में चहुँप गइल.
  • भारतीय रिर्जव बैंक आजु रुपिया के दाम डालर का मुकाबले 61.5720 रूपिया तय कइलसि जवन काल्हु से पचपन पइसा अधिका बा.
  • इंचियोन एशियन खेल – जयंत तालुकदार, अतानु दास, लक्ष्मीरानी माझी आ दीपिका कुमारी तीरंदाजी प्रतियोगिता के आपन-आपन व्यक्तिगत मुकाबला जीत के अगिला दौर में चहुँपले. बाकिर टीम मुकाबला में टीम हार गइल.
  • उत्तर प्रदेश में सरकारी सहायता लेबे वाला इंटरमीडिएट काॅलेजन में बहाल एडहाॅक शिक्षक लोग के जल्दिए नियमित क दिहल जाई.
  • उत्तर प्रदेश का गोण्डा जिला के मोतीगंज इलाका में प्रेम प्रपंच के मामिला में एगो पुजारी के पीट-पीट के मुआ दिहल गइल.
  • जादवपुर यूनिवर्सिटी के प्रति कुलपति त्यागपत्र दिहलन.
  • शिवसेना के अनंत गीते कहलन कि केन्द्र में भाजपा से गठबन्हन बरकरार रही.
  • पाकिस्तान के सुरक्षा सलाहकार सरताज अजीज कहले रहलन कि भारत चाहे त पाकिस्तान बतियावे के तइयार बा. सुषमा एकरे जबाब देत रहली.
  • बातचीत के माहौल बिगाड़े के आरोप पाकिस्तान प लगावत सुषमा स्वराज कहली कि अलगाववादियन से बतिया के पाकिस्तान माहौल बिगड़लसि आ मौका गँवा दिहलसि.
  • इंचियोन एशियन खेल – स्क्वॉश में जोशना चिनप्पा के मिलल पहिला मैच में साउथ कोरिया के खिलाड़ी पर 11-6, 13-11,आ 11-8 से जीत.
  • दिल्ली के रोहिणी सेक्टर-8 के बिजली घर चोरी करे घुसल चोर करंट लगला से झउँसल.
  • इलाहाबाद के नवाबगंज इलाका में लखनऊ हाईवे पर बोलेरो सवार बदमाश एगो बिजनेसमैन के कैशियर से 25 लाख लूट लिहले.
  • इंचियोन एशियन खेल – बैडमिंटन मिक्स्ड डबल्स के प्री-क्वॉर्टर फाइनल में भारत के मनु अत्री आ सिक्की रेड्डी 18-21, 23-21, 15-21 से हार गइल लोग.
  • इंचियोन एशियन खेल – जोशना चिनप्पा साउथ कोरिया के खिलाड़ी के महिला स्क्वॉश के टीम सेमीफाइनल मैच के पहिला गेम में 11-6 से हरवली.
  • अंडमान आ निकोबार में रिक्टर स्केल पर 5.4 के तेजी वाला भूकंप आइल जवना के केन्द्र बंगाल के खाड़ी में रहल.
  • इंचियोन एशियन खेल – दुनिया के माथ खिलाड़ी ली चोंग वी से पी. कश्यप दुनू मैच हार गइले.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के लज्जा गोस्वामी 50 मी राइफल 3 पोजिशंस के महिला फाइनल से बाहर भइली.
  • इंचियोन एशियन खेल – जयंत तालुकदार रिकर्व मेज इंडिविजुअल इवेंट से हार के बाहर हो गइले.
  • इंचियोन एशियन खेल – तीरंदाजी में लक्ष्मीरानी आ अतानु दास रिकर्व एकल इवेंट के क्वॉर्टर फाइनल में चहुंपले.
  • इंचियोन एशियन खेल – दीपिका कुमारी रिकर्व विमिंज इंडिविजुअल इवेंट से हार के बाहर भइली.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के यूकी भांबरी तिसरका राउंड के मैच में इंडोनेशिया के क्रिस्टोफर बेंजामिन के 6-3, 6-3 से हरा के क्वॉर्टर फाइनल में.
  • उत्तर प्रदेश परिवहन निगम के 40 गो लमहर दूर जाए वाला वॉल्वो बस सेवा के 2198 बस के ऑनलाइन टिकट बुकिंग से जोड़ दिहलसि.
  • इंचियोन एशियन खेल – टेनिस में भारत के सनम सिंह तिसरका राउंड के मैच में कोरिया के हेयोन चुंग के 7-5, 6-1 से हरवलन.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के संदीप सेजवाल पुरुष 50 मीटर ब्रेस्ट स्ट्रोक के फाइनल में चहुँपले.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के महिला तीरंदाजी टीम रिकर्व टीम इवेंट के क्वॉर्टर फाइनल में चीनी ताइपे के 5-4 से हरवली.
  • इंचियोन एशियन खेल – भारत के टीम 25 मीटर सेंटर फायर पिस्टल इवेंट(पुरुष) में रजत पदक जीतलसि. भारत के दुसरका रजत पद.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up