टटको में टटका खबर : 27 सितंबर 2014, शनिचर

NaMo-addressing-UNGA

  • छात्रवृति खातिर खोलाइल बैंक खाता में न्यूनतम राशि राखे के प्रतिबंध हटावल गइल.
  • राष्ट्रसंघ में भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी के पूरा भाषण भोजपुरिका पर पढ़ीं.
  • शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे कहलन कि उ भाजपा के पहिले से बेसी सीट देबे के तइयार रहलन बाकिर भाजपा ना मानल आ उनका प मुख्यमंत्री बने के लालसा राखे के आरोप लगवलसि. कहलन कि महाराष्ट्र में शिवसेना के मुख्यमंत्री बना के देखा दीहें.
  • भठियरपन के सजा सुनवला का बाद जेल भेजे से पहिले जयललिता समेत चारो दोषियन के मेडिकल जांच करावल गइल. जेल में जयललिता के सूते ला एगो दरी आ तकिया दिहल गइल.
  • गोपालगंज के माझा इलाका के छवही पंचायत के मुखिया अजहर हुसैन के इलाज का दौरान भइल मौत का बाद खिसियाइल लोग जम के हंगामा कइल.
  • हरियाणा विधानसभा चुनाव ला कुल 2304 लोग आपन परचा भरल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – ओलंपिक पदक विजेता आ पांच बार के विश्व चैंपियन मुक्केबाज एम सी मैरीकाम मुक्केबाजी के क्वार्टरफाइनल में चहुँपली.
  • इंचियोन एशियाई खेल – चैन सिंह 50 मीटर राइफल थ्री पोजिशन स्पर्धा में कांस्य पदक जीतलन. ई उनकर पहिला एशियाई पदक ह.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के रजत चौहान, संदीप कुमार आ अभिषेक वर्मा के तिकडी कम्पाउंड टीम स्पर्धा में मेजबान दक्षिण कोरिया के हरा के स्वर्ण पदक जीतले.
  • अभिषेक वर्मा कम्पाउंड व्यक्गित स्पर्धा में रजत पदक जीतलन जबकि तृषा देब, पूर्वशा शिंदे आ ज्योति सुरेखा वेन्नम के महिला कंपाउंड टीम कांस्य आ तृषा व्यक्तिगत रूप से कांस्य पदक जीतली.
  • इंचियोन एशियाई खेल – पुरुष स्क्वैश टीम भारत खातिर स्वर्ण पदक जीतलसि. स्क्वैश टीम पहिला बेर एशियाई खेल में स्वर्ण पदक जीतल.
  • आजम खान के कहना बा कि जबले जीहें तबले जौहर विश्वविद्यालय के कुलाधिपति बनल रहीहें.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव उर्दू भाषा के समाज में एकता कायम करे वाला भासा बतवलन आ उर्दू के विद्यार्थियन के लैपटाप बटलन.
  • बौद्ध कान्क्लेव काल्हु अतवार के सारनाथ (वाराणसी) में होई जवना में देश विदेश से 124 लोग शामिल होखी.
  • शिवसेना से नाता टूटला का बाद भाजपा आ रिपब्लिकन पार्टी ऑफ इंडिया में समझौता हो गइल. अठावले के पार्टी 8 जगहा से चुनाव लड़ी.
  • अल्पमत में आइल महाराष्ट्र सरकार के मुख्यमंत्री पृथ्वीराज चव्हाण के इस्तीफा राज्यपाल चिरंजीवी विद्यासागर राव सकार लिहलन आ उनुका के अगिला व्यवस्था होखे ले कामचलाऊ मुख्यमंत्री बनल रहे के कहले.
  • महाराष्ट्र में कांग्रेस आ समाजवादी पार्टी के गठबन्हन चौबीसो घंटा ले ना चल पावल आ टूट गइल. दुनू दल अब अलग चुनाव लड़ीहें.
  • केन्द्रीय पर्यटन राज्य मंत्री श्रीपद नाईक आजु कहलन कि देश में बुद्धिस्ट सर्किट से जुड़ल तीर्थ स्थलन के यात्रा करे ला वातानुकूलित ट्रेन चलावल जाई.
  • शिव सेना के उम्मीदवार महाराष्ट् विधानसभा चुनाव ला 286 सीट से परचा दाखिल कइले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – ललिता बाबर ट्रैक एंड फील्ड मुकाबला में 3000 मीटर स्टीपलचेज स्पर्धा में कांस्य पदक जीतलि.
  • उत्तर प्रदेश में मवेशियन के इलाज में घातक दवा डाइक्लोफिनेक के इस्तेमाल पर पूरा रोक लगवलसि.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के स्वच्छ भारत अभियान का तहत आजु राष्ट्रपति भवन परिसरो में साफ सफाई शुरू भइल.
  • भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी कहलन कि जे तरह आजु अदालती मनाही का बावजूद सत्तारूढ़ दल के बाहुबली विधायक अनंत सिंह नाजायज तरीका से बनल शापिंग माल के उद्घाटन कइले ओहसे साबित हो गइल कि राज्य में फेरू जंगल राज आ गइल बा.
  • बसपा के बड़का नेता आ विधान परिषद सदस्य रहल देवरिया के एडवोकेट श्रीनाथ के पार्टी से निकाल दिहल गइल.
  • मध्यवर्ती जापान में आजु ज्वालामुखी फटला से सात जने बेहोश हो गइले, आठ जने घवाहिल आ 250 लोग पहाड़े पर फंस गइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी का खिलाफ जारी अमेरिकी अदालत के समन के तामिल करावे वाला के 10 हजार डाँलर के ईनाम देबे के एलान भइल बा बशर्ते उ एकर विडियो सुबूत दे पावस. मोदी के चारो ओर लागल सुरक्षा घेरा का चलते समन तामिल करावल संभव नइखे.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के पुरुष टीम शनिचर का दिने चीन के 2-0 से हराके ग्रुप बी से सेमीफाइनल में पँहुच गइल.
  • विदेशी मुद्रा भंडार लगातार तिसरको सप्ताह गिरत गइल आ 19 सितंबर के खतम भइल सप्ताह में 315.59 अरब डालर रह गइल बा.
  • भारत, नेपाल, ब्राजील, आ दक्षिण अफ्रीका सुरक्षा परिषद समेत विश्व संस्था संयुक्त राष्ट्र में सुधार के मांग कइले.
  • जौनपुर जिला के बूढ़ स्वतन्त्रता सेनानी आ समाज सेवी सेठ जयकरन सिंह चौहान के काल्हु देर रात मुम्बई के विक्रोली में उनुका डेरा पर हो गइल. ऊ 92 बरीस के रहलन.
  • जौनपुर के बरसठी इलाका में एगो नवही के लाश पेड़ से टँगाइल मिलल बा.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up