टटको में टटका खबर : 28 सितंबर 2014, अतवार

by | Sep 29, 2014 | 0 comments

अमेरिका में यहुदी समुदाय के नेता लोग साथे प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

अमेरिका में यहुदी समुदाय के नेता लोग साथे प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

  • महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना के अध्यक्ष राज ठाकरे भाजपा आ शिवसेना के एह बाति ला निन्दा कइले कि ई लोग राज्य में त अलग हो गइल बाकिर केन्द्र आ नगरपालिका में अबहियों साथे बा.
  • न्यूयार्क के मेडिसन स्क्वायर गार्डेन में भाषण देत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिकी नागरिकन खातिर चहुँपते वीजा, भारतीय मूल के विदेशी नागरिकन खातिर आजीवन वीजा देबे आ पीआईओ अउर ओसीआई का बदले एगो नया योजना ले आवे के एलान कइलन.
  • यमन का मारिब में मजार शहर में अलकायदा के फिदाइन विस्फोटक भरल कार ले के एगो अस्पताल से लड़ा दिहलसि जवना चलते नाहियो त पन्दरह लोग के मौत हो गइल.
  • अमेरिका का धरती पर पहिला बेर कवनो नेता ला भारत के अलग अलग राज्यन आ समुदाय के लोग अतना बड़ संख्या में एक जगह जुटल. अइसन पीएम नरेन्द्र मोदी के लोकप्रियता का चलते भइल.
  • इंचियोन एशियाई खेल में अतवार का दिने भारत के केनोइंग खिलाड़ी युगल, एकल अउर टीम मुकाबला के फाइनल में अपन जगह पक्का क लिहले.
  • सारण जिला के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी का अदालत परिसर में पिछला हप्ता भइल बमबाजी का मामिला में आजु अतवार का दिने पुलिस तीन जने के गिरफतार क लिहलसि.
  • इंचियोन एशियाई खेलों के नाैंवा दिने अतवार के पदक तालिका में भारत लमहर छलांग लगावत नउवां जगहा पर आ गइल.
  • भाजपा विधायक सोमार का दिने उत्तर प्रदेश विधान भवन का सोझा धरना दीहें.
  • गोंडा जिला के कर्नलगंज इलाका के उदियापुर गांव का लगे बगल के नाला से निकल के एगो मगरमच्छ गाँव में घुस आइल जवना के पकड़ के वन विभाग के लोग फेरू नदी में छोड़ दिहलसि.
  • भारत के खुशबीर कौर 20 किमी. पैदल चाल महिला स्पर्धा में रजत पदक जीतली. अरोकिया राजीव पुरूष 400 मी., एम. पूवम्मा राजू महिला 400 मी. आ मंजू बाला तार गोला फेंक में कांस्य पदक जीतल लोग.
  • समाजवादी पार्टी महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में 29 जगहा से चुनाव लड़े के एलान कइलसि.
  • अंडमान आ निकोबार द्वीपसमूह के पुलिस एगो चिंटफंड कंपनी गीताजंलि उद्योग के निदेशक के कोलकाता से ध ले आइल.
  • हांगकांग पुलिस लोकतंत्र समर्थक प्रर्दशनकारियन के भगावे ला लाठी चार्ज कइलसि आ आंसू गैस के गोला छोड़लसि. ई लोग एगो सड़क जाम क के रखले रहुवे आ चीनी अधिकारियन के चेतावनी ना सुनल.
  • विधानसभा चुनाव के कगार पर खड़ा महाराष्ट्र में राष्ट्रपति शासन के मंजूरी मिलल.
  • करिश्माई पहलवान आ ओलंपिक कांस्य पदक विजेता योगेश्वर दत्त आजु इंचियोन एशियाई खेल के कुश्ती प्रतियोगिता में भारत के 28 साल बाद एशियाड कुश्ती में स्वर्ण पदक दिअवले.
  • जौनपुर जिला के सदर तहसील के नहोरा-गडहर घाट पर सई नदी पर तेरह करोड लगा के पुल बनावे के मंजूरी दिहलसि यूपी सरकार.
  • जयललिता के जेल गइला का बाद अन्नाद्रमुक के विधायक पन्नीरसेल्वम के आपन नयका नेता चुनले. पन्नीरसेल्वम पहिलहू मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़े.
  • रूस के विदेश मंत्री सग्रेई लावरोव के कहना बा कि रूस के अब आपन परमाणु आ परम्परागत हथियारन के आधुनिक बनावे के समय आ गइल बा.
  • पीएम मोदी के सलाह कि अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस मनावल जाव के अउरिओ देशन से समर्थन मिले लागल बा.
  • कश्मीर मुद्दा पर पाकिस्तान के दिहल मोदी के जवाब पर कांग्रेस नाखुशी जतवलसि.
  • आस्ट्रेलिया इस्लामिक स्टेट के खिलाफ हमला में शामिल होखे ला तइयार हो गइल.
  • सनम सिंह अपना नयका जोड़ीदार साकेत मिनेनी का साथे थाईलैंड के संचई रतिवताना आ सोंचेत रतिवताना के हरा के इंचियोन एशियाई खेल के टेनिस प्रतियोगिता के पुरूष युगल के फाइनल में चहुँपले.
  • मध्य जापान के नगानो शहर का नियरा के माउंट ओन्टेक पर भइल ज्वालामुखी विस्फोट से 31 लोग के जान चल गइल.
  • अनिवासी भारतीय चाहत बाड़े कि भारत से बाहर रहे वाला लोगो के भारत में वोट डाले के अधिकार चाहत बाड़े.
  • छत्तीसगढ के मुख्यमंत्री डा.रमन सिंह राष्ट्रीय स्वच्छता अभियान के सफलता ला एकरा के जन आन्दोलन बनावे के जरूरत बतवले.
  • भारत के खुशबीर कौर इंचियोन एशियाई खेल में आजु अतवार का दिने 20 किमी. पैदल चाल महिला स्पर्धा में रजत पदक जीतली.
  • भगवान बुद्ध के ज्ञानस्थली रहल बिहार के बोधगया में चलत दिन के अंतरराष्ट्रीय बौद्ध समागम आजु पूरा हो गइल.
  • ओलंपिक कांस्य विजेता एम सी मैरीकाम, एल. सरिता देवी आ पूजा रानी अतवार का दिने आपन आपन मुकाबला जीत के इंचियोन एशियाई खेल के मुक्केबाजी प्रतियोगिता के सेमीफाइनल में पहुंचल लोग.
  • बंगलादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना गरीबी दूर करे आ पर्यावरण बचावे ला विकसित देशन से विकासशील देशन के सहायता करे के अपील कइली.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी शहीद भगत सिंह के जयंती पर आजु अतवार का दिने आपन श्रद्धांजलि दिहले.
  • सिवान के गुठनी का पछिम टोला में काल्हु देर रात एगो बच्ची से कुकर्म होखे का दौरान ओकर मौत हो गइल. खिसिियाइल लोग थाना में तोड़फोड़ कइल आ सड़क जाम क के आवाजाही रोक दिहले बा.
  • प्राइवेट अस्पताल में भरती करावे के निहोरा नामंजूर भइला का बाद तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल जयललिता काल्हु आपन रात बेंगलूर के पारप्पना अग्रहरा सेंट्रल जेल में बितवली. बतावल जात बा कि रात के खाना ना खइली.
  • भदोही के महुआपुर गांव में मामूली बात पर फिरकावाराना तनाव पसर गइल बा आ दू गो संप्रदाय के लोग का बीच पथराव भइल.
  • अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष के सलाह बा कि रिर्जव बैंक के ब्याज दर अउर बढ़ा देबे के चाहीं जेहसे महँगाई में कमी आ सके आ राजकोषीय घाटा कम हो सके.
  • न्यायमूर्ति एच एल दत्तू के राट्रपति भवन में आयोजित समारोह में सबेरे एगारह बजे राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 42वां मुख्य न्यायाधीश के तौर पर पद आ गोपनीयता के शपथ धरवले.
  • दूरसंचार सचिव राकेश गर्ग बतावत बाड़न कि साल 2016-17 ले देश के सगरी अढ़ाई लाख ग्राम पंचायतन के फाइबर आप्टिक ब्राडबैंड नेटवर्क से जोड़ दिहल जाई.
  • बलिया के रसडा में शनिचर के रात एगो पेट्रोल टैंकर पलटला का बाद ओहमें आग लाग गइल आ ओहसे झँउस के छह लोग के जान चल गइल आ बीसन लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • आजमगढ के दीदारगंज इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में एगो लेखपाल के मौत हो गइल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up