टटको में टटका खबर : 29 सितंबर 2014, सोमार

by | Sep 30, 2014 | 0 comments

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के स्वागत करत अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा. पूछलन 'केम छो मि॰ प्राइम मिनिस्टर'.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के स्वागत करत अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा. पूछलन ‘केम छो मि॰ प्राइम मिनिस्टर’.

  • चैंपियन लीग बीसबीसा टूर्नामेंर के अपना आखिरी लीग मैच में केकेआर हैदराबाद में डोलफिंस के 36 रन से हरा दिहलसि.
  • मंगलयान के सफलता का बाद इसरो के वैज्ञानिक अब भारतीय क्षेत्रीय नौवहन उपग्रह के अगिला 10 अक्टूबर के अंतरिक्ष में भेजे के तइयारी में लगले.
  • सारधा चिटफंड घोटाला में जेल में बंद तृणमूल कांगे्रस के सांसद कुणाल घोष अनेसा जतावत बाड़न कि खुलासा कइला का चलते उनकर जान लिहल जा सकेला.
  • आजमगढ जिला के देवगावं में एगो अनजान के लाश मिलल.
  • हरियाणा विधानसभा चुनाव खातिर दाखिल परचन में से 360 गो परचा तरह तरह के कमी भा गलती का चलते खारिज क दिहल गइल.
  • आजमगढ के पवई इलाका में एगो औरत देह पर किरासन तेल डाल के आग लगा लिहलसि जवना से जर के ओकर मौत हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश सरकार विदेशी थाई मांगुर आ बिगहेड मछरियन के मारे आ बाजार में बेचे, भा आयात निर्यात पर रोक लगा दिहलसि.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिकी निवेशकन से बात करत में कहलन कि उच्चतम न्यायालय के फैसला से कोयला ब्लॉक आवंटन रद्द भइला के अवसर में बदले के कोशिश करत बिया भारत सरकार.
  • राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 30 सितम्बर से 3 अक्टूबर ले बंगाल दौरा पर रहब आ बीरभूम जिला के किरनाहर आ मिराती के अपना पुश्तैनी घर जाके दुर्गा पूजा में शामिल होखब.
  • रेलवे में शत प्रतिशत प्रत्यक्ष विदेशी निवेश के मंजूरी मिलला का बाद दुनिया भर के देश भारतीय रेलवे के कायाकल्प में दिलचस्पी लेबे लागल बाड़े. जर्मनी इच्छा जाहिर कइले बा हाई स्पीड रेलवे में लागे खातिर.
  • देश में हाॅकी खेल के संस्था हाॅकी इंडिया के चुनाव अगिला 13 अक्टूबर के करावल जाई.
  • केन्द्रीय विधि आ कानून मंत्री रवि शंकर प्रसाद कहलन कि सरकार 287 गो अइसन पुरान कानूनन के खोज निकलले बिया जवना के संसद के शीतकालीन सत्र में रद्द क दिहल जाई.
  • बिहार सरकार मधुबनी जिला के एगो मंदिर में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के पूजा कइला का बाद मूर्ति धोवे के मामिला के जाँच के आदेश दिहलसि. वइसे मंदिर में रोज मंदिर धोवात रहेला आ मूर्तियनो के नहावल जाला. लागत बा अइसने बात के कवनो आदमी बिना मतलब बखेड़ा बना दिहले बा.
  • आजमगढ के कप्तानगंज इलाका के एगो इनार से एगो औरत आ ओकरा चार साल के बेटा के लाश निकालल गइल बा.
  • रोहतास जिला में अलग अलग हादससा में एगो बच्चा समेत दू जने के मौत हो गइल.
  • शहीद भगत सिंह के छोट बहिन प्रकाश कौर के काल्हु अतवार का देर रात कनाडा में निधन हो गइल.
  • अफगानिस्तान के नयका चुनाइल राष्ट्रपति अशरफ गनी सोमार का दिने अमेरिका का साथे सुरक्षा समझौता पर दस्तखत करीहें जवना का बाद ओहिजा एह साल का बादो अमेरिकी सैनिकन के तैनाती के राह साफ हो जाई.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि बिहार में उद्योग लायक माहौल बा आ उद्यमी लोग ‘मेक बिहार’ में सहभागी बनसु आ एहिजा निवेश क के आपन उद्योग शुरू करसु.
  • अमेरिकी मुद्रा के तेजी आ रिर्जव बैंक के आवे वाला मौदि्रक नीति से पहिले आजु रूपिया 37 पइसा गिर गइल.
  • बिहार जइसन महागठबंधन यूपी में बनावे के अटकल नकारत कांग्रेस महासचिव मधुसूदन मिस्त्री कहलन कि पार्टी अकेले लड़ी.
  • न्यूयार्क के मैडिसन स्क्वायर गार्डन पर काल्हु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी का कार्यक्रम का समय कुछ लोग आ टीवी पत्रकार राजदीप का बीच के हाथापाई पर कांग्रेस राजदीप के पक्ष लिहले बिया जबकि हाथापाई के शुरुआत खुद राजदीपे कइलन.
  • भोजपुर जिला के अजीमाबाद इलाका के नूरपुर गांव में एगो घर के दीवाल गिरला से एगो औरत के मौत हो गइल.
  • वैशाली जिला के महुआ इलाका में अक्षयवट राय महाविद्यालय का नियरा एगो एसबीआई ग्राहक सेवा केन्द्र के कर्मचारी से चार लाख रुपिया लूट लिहल गइल.
  • भाजपा से नाता टूटला का बाद शिवसेना अध्यक्ष उद्धव ठाकरे कहलन कि केन्द्र में शिवसेना के मंत्री अनंत गीते इस्तीफा दे दीहें. हालही में मनसे प्रमुख राज ठाकरे शिवसेना के एही बात ला आलोचना कइले रहलन कि शिवसेना केन्द्र में काहे सरकार में बनल बिया.
  • सारण जिला के सोनपुर अंचल के हलका कर्मचारी बबन कुमार के घूस लेत में ध लिहल गइल बा.
  • सोना 70 रूपिया चमकल आ चांदी 65 रूपिया.
  • ममता बनर्जी चाहत बाड़ी कि हाई कोर्ट के जज लोग का बहाली में राज्य सरकार के सलाह मानसु राज्यपाल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के डिस्कस फेंके वाली सीमा पुनिया स्वर्ण पदक जीतली. चीन के मिलल रजत आ कांस्य पदक.
  • बेतिया नगर थाना के घसियारपट्टी मुहल्ला में आजु सोमार का दिने एगो बूढ़ फाँसी लगा के जान दे दिहले.
  • विकासशील देश चाहत बाड़े कि संयुक्त राष्ट्र में बड़हन सुधार होखे आ सुरक्षा परिषद के विस्तार बाकिर रूस के कहना बा कि जल्दबाजी में अइसन कुछ कइला के कवनो जरूरत नइखे.
  • उत्तर प्रदेश के पर्यटन मंत्री ओम प्रकाश सिंह आजु कहलन कि धार्मिक नगरी वाराणसी के विकास करत धेयान राखल जाई कि एकर पुरान स्वरुप बरकरार रहे.
  • रोहतास जिला के कछवा इलाका के इब्राहिम गांव से पांच गो अपराधियन के असलहा संगे गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस.
  • अमेरिका के बहुते कारोबारी भारत के लचर बुनियादी सुविधा का चलते एहिजा निवेश नइखन करे चाहत.
  • सनम सिंह आ साकेत मिनेनी के इंचियोन एशियाई खेल में टेनिस प्रतियोगिता के पुरुष युगल वर्ग में दक्खिन कोरिया से हार के रजत पदक से संतोष करे के पड़ल.
  • केन्द्रीय खाद्य आपूर्ति आ उपभोक्ता मामिला के मंत्री राम विलास पासवान एह बात के निन्दा कइलन कि बिहार के मुख्यमंत्री के पूजा कइला का बाद कुछ लोग मूर्तियन के धोवल.
  • गोरखपुर के राजघाट इलाका में एगो गोदाम में आग लगला से एक आदमी के मौत हो गइल आ लाखो के सामान जर के राख हो गइल.
  • सिवान जिला के बड़हरिया इलाका के पुरानी बाजार में एगो निजी विद्यालय के दीवाल गिरला से दू दर्जन छात्र छात्रा घवाहिल हो गइले.
  • अन्नाद्रमुक के ओ.पन्नीर सेल्वम के आजु तमिलनाडु के मुख्यमंत्री के किरिया धरावल गइल. सेल्वम दुसरका हालि राज्य के मुख्यमंत्री बनल बाड़े. जयललिता सरकार के सगरी 30 मंत्रियन के नयका मंत्रिमंडल में जगह मिलल.
  • मुख्यमंत्री अखिलेश यादव सगरी बिजली कर्मचारियन के “कटियाबाज” फिलिम देखे के सलाह दिहले.
  • अन्नाद्रमुक नेता आ तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल जे जयललिता भठियरपन का मामिला में मिलल जेल आ जुर्माना का सजा का खिलाफ कर्नाटक हाई कोर्ट में अपील कइली आ जमानत के अरजी लगवली.
  • आजमगढ के फूलपुर में आजु सोमार का फजीरे एगो प्रेमी जोड़ा ट्रेन का आगे कूद के जान दे दिहलसि.
  • बिहार के औरंगाबाद जिला के उपहारा इलाका में पंजाब नेशनल बैंक के महद्दीपुर शाखा से आजु दिनदहाड़े नौ लाख रुपिया लूट लिहल गइल.
  • पुलिस के आंसू गैस आ लाठी चार्ज के परवाह ना करत आजु हांगकांग में फेरू प्रदर्शन कइले लोकतंत्र समर्थक. थानमेन चौक के घटना का पचीस बरीस बाद चीन के फेरू मिलल राजनीतिक चुनौती.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु अमेरिकी कांग्रेस के सदस्या तुलसी गैबार्ड आ दक्षिण कैरोलिना के गवर्नर निक्की हैली से मुलाकात कइले. तुलसी नरेन्द्र मोदी के गीता भेंंट कइली.
  • पाकिस्तान के केंद्रीय सूचना मंत्री परवेज रशीद कहलन कि पाकिस्तान के चुनाइल सरकार आपन कार्यकाल पूरा करे तकले बरकरार रही.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up