टटको में टटका खबर : 9 अक्टूबर 2014, बियफे

by | Oct 9, 2014 | 0 comments

 09 अक्‍टूबर, 2014 का दिने मध्‍य प्रदेश के इंदौर में ''नि‍वेश मध्‍य प्रदेश-वैश्‍ि‍वक नि‍वेशक सम्‍मेलन 2014'' के संबोधि‍त करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी.

09 अक्‍टूबर, 2014 का दिने मध्‍य प्रदेश के इंदौर में ”नि‍वेश मध्‍य प्रदेश-वैश्‍ि‍वक नि‍वेशक सम्‍मेलन 2014” के संबोधि‍त करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी.

  • भोजपुर जिला के सिकरहटा इलाका के कुरमुरी गांव में पांच गो महादलित मेहरारूवन का साथे सामूहिक कुकुर्म करे के मामिला सामने आइल बा.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय यूपी सरकार से पूछलसि कि वेलफेयर आफ पैरन्टस एंड सीनियर सिटीजन एक्ट 2007 लागू होखला का बादो एकर अधिसूचना राज्य में काहे जारी नइखे भइल.
  • झारखंड में हजारीबाग के एगो अदालत राज्य के मंत्री रहल कांग्रेसी विधायक योगेन्द्र साव के 14 दिन का न्यायिक हिरासत में जेल भेज दिहलसि. साव पर नक्सलियन से साँठगाँठ राखे के आरोप बा.
  • भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी कहलन कि साल भर का भितरे गांधी मैदान में भइल दू गो हादसा का बाद मैदान के विकास आ सुरक्षा वगैरह मुद्दा पर चरचा करे खातिर सर्वदलीय बइठक बोलावे बिहार सरकार.
  • बिहार के पश्चिम चंपारण जिला के रामनगर इलाका के सबुनी गांव का लगे एगो नवही के लाश सबेर में मिलल जवना का बाद खिसियाइल लोग अस्पताल में तोड़फोड़ कइल आ हाइवे जाम क दिहल.
  • पीपुल्स पार्टी के मुखिया बिलावल भुट्टो जरदारी के भारत विरोधी बयान से नाराज कुछ हैकर ओह पार्टी के वेबसाइट हैक क के ओह पर भारत के झंडा लगा दिहलें. बाद में साइट सुधारे खातिर ओकरा के बंद क दिहल गइल.
  • पाकिस्तान का तरफ से बार बार सीज फायर लाँघे का चलते विरोधियन का निशाना पर आइल पीएम मोदी कहलन कि हमनी के सुरक्षा बल पाकिस्तान के सही जबाब देबे में लागल बाड़े आ एह मसला पर कवनो राजनीति ना होखे के चाहींं.
  • यूपी पुलिस भरती बोर्ड का तरफ से दरोगा आ प्लाटून कमांडर बहाली खातिर लिहल परीक्षा के परिणाम घोषित कइलसि. परिणाम बोर्ड के वेबसाइट पर देखल जा सकेला.
  • जखनिया में लागे वाला मेला का चलते मऊ से वाराणसी का बीच एक जोड़ी स्पेशल ट्रेन चलावल जाई जवन मऊ से वाराणसी का बीच के सगरी टीसन पर रुकल करी. ट्रेन 15 अक्टूबर ले चलावल जाई.
  • 18वीं अन्त जनपदीय पुलिस खेलकूद प्रतियोगिता आजु से बलिया में शुरू हो गइल. बलिया के जिलाधिकारी यशवंत राव आ पुलिस अधीक्षक राजू बाबू एकर उद्घाटन कइलन. 11 तारीख ले चले वाला एह प्रतियोगिता में वाराणसी जोन के सगरी पुलिस आ महिला ठीम हिस्सा लीहें.
  • भोजपुरी अदाकारा रिंकू घोष के सगाई अभिजीत दत्ता राॅय से हो गइल. अभिजीत पेप्सीको कंपनी के ओमान यूनिट में पदाधिकारी बाड़े. ई रिश्ता रिंकू घोष के बाप-महतारी के खोजल ह.
  • दिल्ली भाजपा के स्वच्छता अभियान के नौ गो लोगन में शाजिया इल्मीओ शामिल बाड़ी. शाजिया आ आपा पार्टी में रहली तबहिए से उनका बारे में बात उठत रहुवे कि भाजपा संगे कुछ पाकऽता.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय हरियाणा के मुख्यमंत्री रहल आ इंडियन नेशनल लोकदल नेता ओम प्रकाश चौटाला के काल्हु अदालत में हाजिर रहे के कहलसि. बेमारी का नाम पर जमानत पर छूट के उ चुनाव प्रचार करे में लागल बाड़े.
  • देश के खुदरा कारोबार में घुसे से रहि गइल बहुराष्ट्रीय कंपनियन पर ई कार्मस के रास्ते पिछला दरवाजे से घुसे के कोशिश करे के आरोप लगावत खुदरा व्यापारी एह पर निगरानी करे ला नियामक बनावे के माँग कइले.
  • फ्रांसीसी लेखक पैटि्रक मोदियानो के साहित्य के नोबेल पुरस्कार खातिर चुने के एलान कइलसि स्वीडन के नोबेल पुरस्कार अकादमी.
  • पंजाब आ हरियाणा उच्च न्यायालय साल 2009 के हरियाणा विधानसभा चुनाव का बाद हरियाणा जनहित कांग्रेस के पांच गो विधायकन के कांग्रेस में शामिल होखे के नाजायज बतावत ओह लोग के सदस्यता खतम क दिहलसि.
  • राबर्ट वाड्रा के जमीन घोटाला से जुड़ल चुनाव आयोग के फैसला का बाद कांग्रेस प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से माफी मांगे के कहलसि. त केन्द्रीय मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि एह मामिला के सच्चाई के जानकारी चुनाव आयोग के दिहले ना गइल.
  • निर्वाचन आयोग मान लिहलसि कि हरियाणा के भूपेन्द्र सिंह हुड्डा सरकार वाड्रा मामिला में आदर्श चुनाव आचार संहिता नइखे कइले. मामिला के गुण दोष पर चुनाव आयोग कुछ नइखे कहले.
  • औरंगाबाद का सभा में शिक्षकन ला अपमानजनक, अनर्गल आ उकसावे वाला बयान देबे खातिर मुख्यमंत्री जीतन माँझी के निंदा करत माध्यमिक शिक्षक संघ बिहार में आंदोलन शुरू करे के चेतावनी दिहलसि.
  • सपा के सांसद रहल रामजी लाल सुमन सपा अधिवेशन में मुलायम सिंह यादव से माँग कइलन कि ठीक से काम ना करे वाला मंत्रियन के हटावल जाए.
  • विदेशी बाजारन में आइल तेजी आ घरेलू स्तर पर विदेशी निवेशकन के चौतरफा लिवाली का चलते आजु तीन सत्र बाद सेंसेक्स के गिरावट रुक के 390.49 अंक चढ़ के बंद भइल बाजार.
  • चुनाव आचार संहिता लाँघे का मामिला में अदालत में हाजिर ना भइला का चलते पीलीभीत के एगो अदालत केन्द्रीय मंत्री कलराज मिश्र के खिलाफ गैर जमानती वारंट जारी कइलसि.
  • अध्यापक भर्ती घोटाला मामिला में जेल काटत इंडियन नेशनल लोकदल के नेता ओम प्रकाश चौटाला के खराब तबियत का नाम पर मिलल जमानत रद्द करावे सीबीआई दिल्ली उच्च न्यायालय पहुंचल. कहलसि कि चुनाव प्रचार करत बाड़े.
  • दक्षिण-पश्चिम मानसून उत्तर प्रदेश से पूरा तरह से विदा हो गइल बा बाकिर बंगाल के खाडी में बनत चक्रवात ‘हुदहुद’ का चलते सोमार का दिने पूर्वांचल में बरखा हो सकेला.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अगिला 14 तारीख के अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय आयुर्विज्ञान संस्थान में ट्रामा सेन्टर के उद्घाटन करीहें. लोग ढेर दिन से एकरा ला तिकवत रहुवे.
  • जनेश्वर मिश्र पार्क में समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अधिवेशन के आयोजन पर चिंता आ नाखुशी जतवलसि आजु इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ खंडपीठ बाकिर एह पर कवनो रोक लगावे से ना कर दिहलसि.
  • खनन लीज नवीनीकरण विवाद सलटला का बाद एक महीना से बंद पड़ल जादूगोड़ा यूरेनियम खदान में जल्दिए दोबारा खुदाई शुरू होखी. जादूगोडा खदान देश के सबले पुरान यूरेनियम खदान ह.
  • राजस्थान में नील गाय मारे के अनुमति देबे के अधिकार सरपंचन के देबे के विरोध कइलस विश्व हिन्दू परिषद. कहलसि कि हर जीव के जीए के अधिकार होखेला आ विहिप कवनो तरह के जीवहत्या के खिलाफ बा.
  • पाकिस्तान के कराची में जहरीली शराब पी के पिछला चौबीस घंटा में नाहियो त अढ़ाई दर्जन लोग मरल.
  • खराब नेटवर्क सिग्नल के बरियार बनावे वाला दू गो नया उपकरण ले के आइल एरिक्सन. दावा बा कि एहसे हवाई अड्डा, मॉल, सबव वगैरह जगहा पर नेटवर्क इंटरनेट के स्पीड कई गुना बढ़ावल जा सकी.
  • प्रधानमंत्री नरेंन्द्र मोदी इदौर में ग्लोबल समिट में कहलन कि एक सौ अरब डालर के विदेशी निवेश भारत के दरवाजा पर दस्तक देत बा आ अब ई राज्यन पर बा कि के कतना बोला पावत बा अपना किहाँ.
  • कोच्चि एकदिना वेस्टइंडीज से हार के भारत आईसीसी एकदिना रैंकिंग में चोटी से गिर के तिसरका जगहा आइल.
  • भारतीय क्रिकेट इतिहास के सबले सफल कप्तान महेंद्र सिंह धोनी फोर्ब्स मैगजीन के सूची में दुनिया के सबले कीमती ब्रैंड एथलीटन में से पाँचवा जगहा पर बाड़े. भारत से अकेला खिलाड़ी एह सूची धोनिए बाड़न.
  • रक्षा मंत्री अरूण जेटली पाकिस्तान के कडेर चेतावनी देत कहले बाड़न कि सीमा पर शान्ति खतम करे के कोशिश कइल बंद क देव ना त बहुते महँग पड़ी पाकिस्तान ला.
  • इंडोनेशिया के बाली द्वीप का नियरा एगो जहाज डूबला का चलते 24 गो लापता यात्रियन के खोजे, राहत आ बचाव खातिर आजु से फेरू काम शुरू क दिहल बा.
  • अमेरिका के सेना के लागे लागल बा कि खाली हवाई हमला क के सीरिया के कोबानी शहर के बचावल संभव ना हो पाई आ गँवे गँवे इस्लामिक स्टेट कोबानी समेत सीरिया के अनेक शहर कब्जा ली.
  • पाकिस्तान के तहरीक-ए-इंसाफ पार्टी के अध्यक्ष इमरान खान नियंत्रण रेखा पर भारतीय सैनिकन के हमला के बात कहत प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के चुप्पी पर सवाल उठवले बाड़न.
  • जम्मू कश्मीर राज्य के जम्मू-श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग मरम्मत के काम का चलते तीन दिन ले बंद राखल जाई.
  • उत्तर प्रदेश के आजमगढ का जीयनपुर इलाका में काल्हु रात कुछ बदमाश गोली चला के एगो औरत के मार दिहले.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up