टटको में टटका खबर (Breaking News in Bhojpuri) 15 सितंबर 2014

by | Sep 16, 2014 | 0 comments

लद्दाख से भाजपा सांसद पीएम से गोहार कइलन कि पीछे ना हट के चीन के मुकाबला कइल जाव. चीन आपन हद पार क दिहले बा. देमचोक इलाका के लोग चीनी घुसपैठ के विरोध कइल.

इसरो मंगलयान के मंगल के कक्षा में प्रवेश करावे वाला निर्देश अपलोड कइल शुरू कइलसि.

जम्मू-कश्मीर के पुंछ इलाके में विस्फोट से बीएसएफ के 2 गो जवान घवाहिल आ दू गो के मौत.

अगिला महीना से भारत-म्यांमार के बीच नौका सेवा शुरू होखी.

डालर के मजबूती आ लिवाली का चलते सोमार का दिने रुपिया में 49 पइसा के गिरावट आइल.

थोक मूल्य सूचकांक पर आधारित महंगाई दर पिछला पांच बरीस के सबले नीचे चहुँपल. भाजपा केकहना बा कि अच्छा दिन आवे लागल बा.

अगस्त महीना में सोना के आयात करीब पौने दुगुना बढ़ गइला से सरकार चिंतित बिया.

भाजपा नेता मेघराज जैन आज मध्यप्रदेश से राज्यसभा के उपनिर्वाचन में बिना विरोध चुना गइलन.

केन्द्र सरकार सड़क परिवहन से होखत प्रदूषण आ हादसा घटावे ला जल परिवहन विकसित करी आ जल पर्यटन उद्योग के बढ़ावा दी.

अपना बयानवीर नेतवन से परेशान कांग्रेस आजु साफ कहलसि कि अधिकृते प्रवक्ता लोग के बात कांग्रेस के असल राय होखी.

आजमगढ जिला में स्कूल प्रधानाचार्य आ बैंक कर्मचारियन के मिलीभगत से 61 लाख रुपिया के घोटाले होखे के मामिला सामने आइल बा. 8 जने का खिलाफ मुकदमा दर्ज.

पाकिस्तान के राजदूत अब्दुल बासित के कहना बा कि हाफिज सईद पाकिस्तानी नागरिक ह आ उ पूरा पाकिस्तान में कतहूं आवे जाए ला आजाद बा.

सारधा घोटाला मामला में 14 गो कंपनियन पर पांजी स्कीम चलावे खातिर मुकदमा चलाई गंभीर हेराफेरी जांच कार्यालय.

अमरिका के वैज्ञानिक एगो नया शोध में कहले बाड़े कि एबी ब्लड ग्रुप के लोग के भुलक्कड़ होखे वाला बीमारी के बेसी डर होला. एह लोग में डिमेंशिया के बीमारी अधिका होला.

मलेशिया में भइल एगो समारोह में भोजपुरी स्टार आ भाजपा सांसद मनोज तिवारी के सम्मानित कइल गइल.

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ का बीच न्यूयार्क में मुलाकात के कवनो योजना से पाकिस्तान के राजदूत इंकार कइलन.

जौनपुर के बदलापुर में घरेलू कलह से परेशान नवही ट्रेन के आगे कूद के जान दिहलसि.

बेतिया के केआर स्कूल के पांचवीं में पढ़ेवाला एगो छात्र अपना संहतिया साथे मिल के अपना अपहरण के नाटक बनवलसि आ बाप से तीस लाख रुपिया के फिरौती मँगवलसि. साथी के पकड़इला से मामला के खुलासा हो गइल.

पीएमसीएच आ एनएमसीएच के नर्सन के हड़ताल टूट गइल. स्वास्थ्य मंत्री आ प्रधान सचिव स्वास्थ्य भरोसा दिआवले कि मांग पूृरा क दी सरकार.

तिहाड़ जेल के एगो कैदी फँसरी लगा के मरल.

गडकरी कहले बाड़न कि दस दिन का भितरे दिल्ली का सड़कन प फेरू से चले लागी ई-रिक्शा.

बिजनौर के जाटान में बम धमाका मामला में 6 गो आतंकवादियन पर देशद्रोह के केस दर्ज.

सगरी माँग सकरा जाए का बाद इलाहाबाद के प्राइवेट डॉक्टर आपन हड़ताल खतम कइलें.

आरबीआई गवर्नर रघुराम राजन कहलन कि डीजल के दाम पर से सरकार के दखल हटावे के समय आ गइल बा.

भारत आ वियतनाम का बीच आज विमान सेवा, तेल के खोज वगैरह सात गो काम खातिर समझौता भइल.

जम्मू कश्मीर में विनाशकारी बाढ़ से क्षतिग्रस्त रेललाइन के फेरू से चालू क दिहल गइल बा आ आजु से बारामूला, श्रीनगर, बानिहाल मार्ग पर आवाजाही होखे लागी.

उत्तर प्रदेश सरकार 3500 रुपिया से कम दाम वाला साइकिल के वैट से मुक्त क दिहलसि.

इंजीनियर दिवस का मौका पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इंजीनियरन के बधाई देत ओह लोग से राष्ट्र के निर्माण में अहम भूमिका निभावे के कहलन.

बॉलीवुड अभिनेता आमिर खान के शो “सत्यमेव जयते सीजन 3” के प्रसाारण पांच अक्तूबर से शुरू होई.

बॉलीवुड निर्देशक ई.निवास “शूल” फिलिम के सीक्वल बनइहें आ एहू में मनोज वाजपेयी रहीहें.

हरियाणा रोडवेज के एगो बस अंबाला का लगे नदी में गिरल जवना से दू गो लड़िकियन के मौत हो गइल आ करीब पचास लोग घवाहिल हो गइल.

देवदास आ परिणिता जइसन कालजयी उपन्यास लिखे वाला शरत चंद्र चटोपाध्याय के आज 138वीं जयंती ह.

गूगल आज भारत में ऐंड्रॉयड वन स्मार्टफोन लॉन्च करे वाला बा. कम दाम वाला स्मार्टफोन मैदान में ई गूगल के पहल होखी.

सुप्रीम कोर्ट में आज सीबीआई चीफ रंजीत सिंहा मामला के सुनवाई होई.

बीजेपी के महासचिव राम माधव के कहना बा कि दिल्ली में भाजपा ‘लोकतांत्रिक’ तरीका से सरकार बनाई.

डीयू के स्कूल ऑफ ओपन लर्निंग के स्नातक पाठ्यक्रम में दाखिला लेबे के आजु आखिरी दिन ह. अब ले 1.35 लाख दाखिला हो चुकल बा.

2जी आ कोयला घोटाला से जुड़ल आरोपन के सामना करत प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह कवनो टिप्पणी करे से इनकार कइलन.

दक्षिण यूरोप के द्वीपीय देश माल्टा का लगे भूमध्यसागर में काल्हु दू गो नाव पलट गइला से नाहियो त 400 शरणार्थियन के मरला के अनेसा बा.

उत्तर प्रदेश के मऊ शहर कोतवाली इलाका में आजु सबेरे एगो प्रापर्टी डीलर के मोटरसाइकिल से आइल बदमाश गोली मार के मुआ दिहले.

संसद के चुनाव में अपना पार्टी के मिलल हार देखत स्वीडन के प्रधानमंत्री फ्रेडरिक रेनफेल्ड काल्हु देर रात पीएम पद आ पार्टी के प्रमुख पद से इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि पीएम पद ला दुबारा चुनाव ना लड़ीहें.

पाकिस्तान के पंजाब प्रांत में बारातियन के ले जात नाव डूब गइल आ दुल्हा समेत 17 लोग के मौत हो गइल. नाव पर 30 लोग सवार रहे आ सेना के देख रेख में चलत रहे.

दक्षिण मध्य यूरोपीय देश स्लोवेनिया में एगो छोटहन जहाज काल्हु गिर गइल जवना से ओह पर सवार तीन जने मर गइले आ एक जने बहुते घवाहिल बाड़न.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up