भोजपुरी फिलिमन के मेगा स्टार मनोज तिवारी ‘मृदुल‘ भोजपुरी के एकमात्र मनोरंजक चैनल महुआ टी.वी. पर देखावल जात अनोखा डांस रियलिटी शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ के एंकरिंग करत लउकीहें.
एह शो के एंकरिंग पहिले भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन करत रहले बाकिर एह घरी अपना फिलिमन के शूटिंग में बेसी व्यस्त होखला का चलते शो खातिर पर्याप्त समय ना दे पावत रहले. एह चलते शो के निर्माता कंपनी साईबाबा टेलीफिल्मस रविकिशन का जगहा मनोज तिवारी के एंकरिंग के कमान सँउप दिहले. अब एह हफ्ता से मनोज तिवारी एह शो के एंकरिंग करत नजर अइहन,
एह हफ्ता ‘नाच नचईया धूम मचईया’ में अदला-बदली एपिसोड देखावल जाई. मनोज तिवारी आपन भउजाई बनल कानू मुखर्जी का साथ ‘ससुरा बड़ा पइसावाला’ के गाना ‘ना ना करब ना बियाह’ पर परफार्म करीहें. आ बाकियो सगरी प्रतिभागी अदला बदली लुक में नजर अइहें.
महुआ टी.वी. पर ई सब एह शनिचर आ अतवार रात आठ बजे से देख सकीलें. शो के प्रसारण हर शनिचर आ अतवार के होखल करेला.
(स्रोत – प्रशांत निशांत)
0 Comments