सेमीफाइनल में केरला स्ट्राइकर से मिलल 8 विकेट से हार
हैदराबाद के लाल बहादुर शास्त्री स्टेडियम में सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग के पहिला सेमीफाइनल में केरला स्ट्राइकर भोजपुरी दबंग के 8 विकेट से हरा दिहलसि. एह हार का साथही भोजपुरी दबंग के फाइनल खेले के सपना टूट गइल.
सेमीफाइनल में दबंग के खेल शुरूआते से खराब रहल. टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भोजपुरी दबंग के पहिला चार चार बल्लेबाज छठवाँ ओवर होत होत आउट हो गइलें. तब ले मोट बावने रन बन पावल रहुवे. प्रवेश लाल यादव एके रन प, कप्तान मनोज तिवारी बस १८ रन बना के आउट हो गइलें. अजय शर्मा के साथ देबे आइल उदयो तिवारी देर ले ना खेल पवले आ चारे रन बना के आउत हो गइलें. अजय शर्मा २१ रन बनवले त आदित्य ओझा छह रन. उपकप्तान निरहुआ २३ बॉल पर २६ रन बना के दबंग का ओर से सबले अधिका रन बनवले. जेपी यादव २४ रन बना के आउट भइलें. अकबर नकवी नौ रन.
भोजपुरी दबंग टीम एह तरह निर्धारित २० ओवर में ९ विकेट का नुकसान पर १२७ रन बनवलसि. एकरा बाद खेले उतरल केरला स्ट्राइकर टीम निर्धारित लक्ष्य १८.३ ओवरे में पूरा कर लिहलसि आ सेमी फाइनल जीत लिहलसि.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा)