ccl4सेलिब्रिटी क्रिकेट लीग (सीसीएल ४) में भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम भोजपुरी दबंग लगातार दुसरका मैच जीत लिहलसि.

बैंगलोर के एम.चिन्ना स्वामी स्टेडियम में काल्हु भइल मैच में भोजपुरी दबंग श्रीदेवी अउर बोनी कपूर के टीम बंगाल टाईगर के पैंतीस रन से हरा दिहलसि.

देखेवाला उत्साहित प्रशंसकन के बीच भोजपुरी दबंग टास जीत के पहिले बैटिंग करे के तय कइलसि. बैटिंग करे उतरल भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी शानदार प्रदर्शन करत बिना आउट भइले अड़सठ रन बनवले. सबले अधिका रन, अस्सी रन, बनवले ए शर्मा आ मैन आफ दि मैच घोषित भइले.

भोजपुरी दबंग दू विकेट के नुकसान प २१३ रन बनवलसि. जवना के जवाब में बंगाल टाईगर तीन विकेट के नुकसान प एह बीस ओवर के बीसबीसा मैच् में १७८ रन बना पवलसि.

लगातार दुसरका जीत से भोजपुरी दबंग टीम उछाह मे बिया. एकरा पहिले वाला मैच में इ वीर मराठी टीम के हरवले रहुवे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा )

Loading

By Editor

%d bloggers like this: