बिहार फाउन्डेशन (बिहार सरकार की संस्था) के मुंबई चैप्टर सायन के षणमुखानंद हॉल में बिहार दिवस मनवलसि.
एह मौका पर मुख्य अतिथि डॉ. सी. पी. ठाकुर, विशेष अतिथि बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा, आ सम्मानित अतिथियन में सांसद सैयद शहनवाज हुसैन, यु. के. सिन्हा, (सेबी चेयरमैन), एन. एन. कुमार चेयरमैन नवा सेवापोर्ट, देवेश चन्द ठाकुर (एम.एल.सी) उपस्थित रहले. मुख्य अतिथि सी. पी. ठाकुर कहलन कि बिहार आवे वाला समय के नंबर वन राज्य हवे. बिहार बाबू शत्रुघ्न सिन्हा कहलन कि बिहार आ बिहारियन में बहुत दम बा आ बिहारी अपना मेहनत के लोहा मनवा लेले. सांसद सैयद शहनवाज हुसैन कहलन कि बिहारी जहँवे जाले ओहिजा के विकास हो जाला.

बिहार फाउन्डेशन मुंबई चैप्टर के चेयर मैन रविशंकर श्रीवास्तव धन्यवाद भाषण आ वाइस चेयरमैन अभय कुमार स्वागत भाषण दिहलें. एह कार्यक्रम में बिहार फाउन्डेशन इमर्जिंग बिहारी सम्मान से अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा, तबरेज रबड़वाला, मोहन जी प्रसाद, ब्रहमदेव राम पंडित के सम्मानित कइलसि. साथ ही भोजपुरी फिल्म उद्योग में बढ़िया काम करे खातिर जिनका के सम्मानित कइल गइल ओहमें प्रमुख रहलें निर्माता अभय सिन्हा, नायक खेसारी लाल यादव आ प्रचारक प्रशांतनिशांत के निशांत. महाराष्ट्र विधान सभा के सदस्य अशोक भाऊ जाधव आ विवेकानंद पाटिल अउर सायन अस्पताल के सहायक डीन राजेश गुप्ता के ‘बिहार-मित्र’ पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल. एह अवसर पर उपाध्यक्ष अख्तर राशिद, टी. वी. सिन्हा, सचिव अहसान हुसैन, प्रवक्ता रागिनी गौतम, मनोज सिंह राजपूत, संयोजक रणवीर, कोषाध्यक्ष निंरज का साथे प्रसिद्ध व्यवसायी सर्वेस शाही, उद्योगपति कुमार बिहारी पाण्डेय, आ कैप्टन एन. बी. पाण्डेय वगैरह उपस्थित रहले.

सांस्कृतिक कार्यक्रम के शुरूआत प्रसिद्ध गायिका कल्पन भिखारी ठाकुर के गीत से कइली, सिंगर अभिनेता खेसारीलाल यादव, मोहन राठौर, सुरेश आनंद आ ममता रावत अपना मधुर आवाज से सुनेवालन के मन मोह लिहले.


(बिहार फाउन्डेशन मुबंई चैप्टर के संयुक्त प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत से मिलल जानकारी)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d