भोजपुरी मनोरंजन के क्षेत्र में भावी युग के अंजन टी.वी. चैनल भारत के मनोरंजन इंडस्ट्री के इतिहास में सबले लमहर रोड शो चलावत बा. एह रोड शो में उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखंड के शहर अंजन टी.वी. के लय पर झूमीहें सँ. 22 अगस्त से शुरू भइल ई रोड शो उत्तर प्रदेश के अनेके शहरन से गुजरत चालीस दिन ले सफर करी.

अंजन टी वी के चैनल के हेड मंजीत हंस के कहना बा कि जबहीं हमनी का कवनो बड़का आयोजन करीलें त एक एक आदमी के आशीर्वाद के कामना करीलें. एह रोड शो से हमनी का उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखण्ड के लोगन से आशीर्वाद लिहल चाहत बानी. चालीस दिन के एह रोड शो में ५००० किलोमीटर के सफर का दौरान चालीस गो शहर अइहें सँ. कहलन कि ई रोड शो ३० सितम्बर के खतम होखी. एह शो से चैनल अपना सगरी दर्शकन से स्थाई जुड़ाव स्थापित करे चाहत बा. सजल सजावल बड़का बड़का ट्रक, ट्राली आ स्टाइलदार जीप तय शहर के गलियन, सड़कन आ मुख्य जगहन पर नजर अइहें सँ. एह रोड शो में लाइव कार्यक्रम, प्रतियोगिता आ उपहार बाँटल मुख्य आकर्षण होखी.

अँजन टी.वी. के प्रबंध निदेशक दीपक राज भंडारी कहलें कि ऊ चैनल खातिर वइसने भावपूर्ण प्रतिक्रिया के लालसा राखत बाड़न जवन एह विशाल रोड शो से मिले के आशा बा.

पिछला २४ अगस्त के मुंबई में अंजन टीवी के लौन्चिंग भइल रहे.


(उदय भगत के रपट)

Loading

2 thoughts on “भारत के सबले लमहर रोड शो चलावत बावे अंजन टी वी”
  1. अंजन टीवी के शुभकामना और बधाई. आशा करत बानी कि अपना कार्यक्रमन के गुणवत्ता से ई चैनल हरेक भोजपुरिया लोग के लोकप्रिय चैनल बन जाई.

  2. बधाई अंजन के।।

    ओ दिन के इंतजार बा जब इ रोड से निकलि के भोजपुरिया घर में समाई….

    जय भोजपुरी।।

Comments are closed.

%d bloggers like this: