भोजपुरी आन्दोलन से नेतवन के हटावल जाव

by | Jul 10, 2011 | 5 comments

साहित्य अकादमी के नया चुनाइल उपाध्यक्ष प्रो॰ विश्वनाथ उपाध्याय के कहना बा कि भोजपुरी के संवैधानिक दर्जा दिआवे खातिर चल रहल कोशिश बेमतलब बा. जरुरत बा कि पहिले भोजपुरी के साहित्य समृद्ध कइल जाव. भोजपुरी भाषा के राजनीतिक चोला पहिरावे के कोशिश बन्द कइल जाव. भोजपुरी का मंच पर राजनीतिज्ञन के मौजूदगी समुझ के बाहर के बाति बा. ओहिजा भोजपुरी के साहित्यकारन के होखे के चाहीं. दोसरा भाषा वाला इलाकन में रोल माडल रविन्द्र नाथ टैगोर जइसन लोग बनल जबकि हिन्दी पट्टी में राजनीतिज्ञन के रोल मॉडल बना लिहल गइल बा.


टटका खबर से

Loading

5 Comments

  1. Sunil patel

    Pradeep jee
    Raur comment khatir dhanyabad.
    Raura hamar bhasha amaryadit kahale bani.
    Ab jaha tak lagata hamara hamar tippani pure pur maryadit aur supachya bate aeme raua kathi amaryadit lagal.
    Ha savya vasa me alochana aa sikyat kare ke sabke adhikar ha.
    Aise v bhojpuri hamar pahil bhasa L1 ha aur bidhi shashtra k vidyarthi k nate sikyat k vasa aur sabdan par pure pur sawdhani apanawal gail ba.
    E raua amaryadit laukal dekh ke hamar prati anyay kar rahal bani.
    ham ant me etne kahe chahem k rajnitik pahchan (constitutional) aa koi bhasha k shree bridhi murgi aur anda (cock and egg situation) ha.
    kehu v bhojpuri bhasha k sahitya aur sab kuch k garib dewkha ta ta okar adhyan aur anusandhan k daridrata hi ha.

  2. pradip ojha

    sampadak ji,
    pranam | Sunil patel ji ke tippani ichiko nik na lagal.apke site par sabhya tippani ke intjar rahela.Bhojpuriha log ka aisane amaryadit tippani dele ? Bhojpuri ke sanvaidhanik darja debe par pro bisvanath ji ke tippani bilkul nindaniya ba,uhan ke chahin ki maithili,nepali adi par bhi ek bar soch lihitin.uhan ke bat kehu ke gale na utari.Baki kehu par comment det kha bhasha ta sanjmit hokhahi ke chahin.

  3. Sunil patel

    proffessor sahab
    raua ek jimmeber pad par asin vaini ha ekara khatir Badhaiii…..
    lekin raur bat se hamar pura asahamati ba.
    raua rajnitik rasta se ail jarur bani….. lekin bhojpuri andolan ke rajniti se dur rakh ke.. raua hindi ke saccha dalali kar rahal bani.
    asha ba raua apan pad ke garime samjhem…..kahe ki raua jaisan sammanit pad par asin proffessor k ham na kaheke chahem ki adhyan ke daridrata ba……
    raua bhojpuri ke 8 wa anusuchi me samil kare khatir bhojpuri sahitya bhandar ke garib dekhat bani ta…..jaldi istifa dedi…….. raua e pad lay naikhi.
    Bhojpuri academi k pad par baith ke …hindi k dalali mat kari na ta fir bhojpuri aur pacche ja sakela.
    Nepal se

  4. santosh kumar

    आदरणीय विश्वनाथ जी हमनी के भोजपुरी क्षेत्र के गौरव बानी, आपके सुझाव शतप्रतिशत सत्य बा. भोजपुरी भाषा में रोल माडल कबीर बानी, भिखारी ठाकुर बानी.
    विश्वनाथ जी, भोजपुरी में कुछ लिखब कि खाली उपदेश देम जवन अउर दोसर भोजपुरिया क्षेत्र के हिन्दी विद्वान लोग करेला. भोजपुरी क्षेत्र के विद्वान भोजपुरी के भण्डार त ना भरेले बाकिर प्रवचन जरुरे दे दिहन, आप साहित्य अकादमी में आइल बानी त आप भोजपुरी खातिर कुछ करीं. आप आपन हिन्दी पत्रिका मे भोजपुरी के स्थान देम, उमीद बा, हमार मानल बा कि भोजपुरी के आगे बढ़ावे मे खुद भोजपुरिया क्षेत्र के हिन्दी के रउरा जइसन विद्वान लोग जे दिन से ईमानदारी से लाग जाइब, ओही दिन से भोजपुरी के राजनीति करे वाला लोग भाग जइहन.
    संतोष,
    संपादक, भोजपुरी जिन्दगी

Leave a Reply to Sunil patel

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up